खबर एक नजर में (19 मई 2011)

by | May 21, 2011 | 0 comments

सहकारिता मंत्री रामाधार सिंह के इस्तीफा

औरंगाबाद कोर्ट से सोलह बरिस पहिले फरार घोषित बिहार के सहकारिता मंत्री रामाधार सिंह इस्तीफा दे दिहले. काल्हु राजद प्रतिनिधिमण्डल राज्यपाल से भेंट कइले रहे आ अचरजजतवले रहे कि सोलह साल से फरार घोषित एह आदमी के कवना कारण से मंत्री बनावल गइल. इहाँतक कि रामाधार सिंह एहबात के अपना शपथोपत्र में नइखन बतवले.


यूपी के भविष्य खातिर लड़ीहे राहुल

काल्हु अपना पार्टी के प्रदेश अधिवेशन में बोलत कांग्रेस के महासचिव राहुल गाँधी कहले कि उनकर मकसद चुनावी ना हो के यूपी के भविष्य सँवारे के बा. कहलन कि जइसे पूरा देश तरक्की करऽता उत्तरो प्रदेश वइसने तरक्की करो. दिन भर पार्टी के वक्ता लोग के सुनला का बाद साँझ के आपन संबोधन देत राहुल के कहना रहे कि ना जाने कवना गलती का चलते कांग्रेस अतना दिन से सरकार से बाहर बा. समय आ गइल बा कि एह पर मंथन कइल जाव आ सबक लिहल जाव. राहुल का नजर में कांग्रेस के कवनो विकल्प नइखे एहसे कांग्रेसियन के आपन आपसी मतभेद भुला के मिशन २०१२ में लाग गइला के जरुरत बा.


कांग्रेस पंडाल में आग लागल

काल्हु बनारस में चलत कांग्रेस के प्रदेश अधिवेशन का पंडाल में शार्ट सर्किट का चलते आग लागला से हड़कंप मच गइल बाकिर पहिले से मौजूद फायर ब्रिगेड के कर्मचारी पाँच मिनट का भितरे आग पर काबू पा लिहले. ओह समय राहुल गाँधी मंच पर मौजूद रहले.


बाबा रामदेव अपना जान पर खतरा बतवले

योग गुरु बाबा रामदेव काल्हु फेर कहले कि भठियारन से उनुका जान के खतरा बा काहे कि ऊ लगातार माँग करत बाड़न कि विदेश में जमा करिया कमाई के धन वापिस हिन्दुस्तान ले आवल जाव आ भठियरपन खतम करावल जाव. बाबा रामदेव कहले कि हजार आ पाँच सौ रुपिया के नोट बंद कर देबे के चाहीं काहे कि एहसे करिया कमाई वाला धन के सुविधा मिलेला. बाबा रामदेव इहो कहलन कि उनुकर कवनो राजनीतिक आकांक्षा नइखे आ ऊ कहियो कवनो राजनीतिक दल ना बनइहे.


मायावती पलटवार कइली

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती काल्हु कांग्रेस पर पलटवार करत कहली कि पाँच राज्यन के चुनाव का तुरते बाद पेट्रोल के दाम बढ़ा के कांग्रेस आपन जनविरोधी चेहरा देखा दिहले बिया. कहली कि केन्द्र चाहीत त बड़का उद्योगपतियन के दिहल जा रहल साढ़े चार लाख करोड़ के सबसिडी में कटौती कर के पेट्रोल के दे सकत रहे बाकिर ओकरा आम जनता से कवनो मतलब नइखे. कहली कि प्रदेश के पिछड़ापन के जिम्मेदार केन्द्र सरकार बिया जे प्रदेश के विकास खातिर माँगल धन नइखे देत.


आँधी तूफान में कई दर्जन लोग के जान गइल

बिहार यूपी समेत उत्तर भारत के कई इलाका में काल्हु साँझ आइल भयंकर तूफान का चलते कई दर्जन लोग के जान चल गइल. यूपी में २२ लोग के मौत के खबर बा त बिहार में चौदह लोग के. सैकड़ो मकान एह आँधी में उधिया गइल. बाद में भइल बरखा से उत्तर भारत में चलत भयंकर गरमी से जरुर लोग के राहत मिलल बा. कई जगहा गाछ आ बिजली के खंभा गिरला से बिजली आपूर्ति रुक गइल बा.


महाराजगंज के जिला बनावे के माँग

काल्हु कुछ लोग महाराजगंज के जिला बनावे के माँग ले के राजेन्द्र चौक पर प्रदर्शन कइल. महाराजगंज अबही सिवान जिला में बा बाकिर एकरा के जिला बनावे के माँग पिछला कई साल से हो रहल बा. लोग के कहना बा कि मौजूदा सांसद. विधायक, आ विधानपार्षदन के लापरवाही का चलते जिला बने के हर शर्त पूरा कइला का बावजूद महाराजगंज जिला नइखे बन पावल.


यूपी पालिटेकनिक प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट १५ जून ले

आठ से दस मई तक भइल पालिटेकनिक प्रवेश परीक्षा के परिणाम १५ जून तक आ जाये के उमेद बा. जबकी तकनीकि कॉलेजन में प्रवेश खातिर भइल स्टेट इंट्रेंस एक्जामिनेशन के परिणाम ३० मई तक आ जाये के बतावल जात बा. यूपी के बोर्ड रिजल्टो ओही समय निकले के संभावना बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up