खबर एक नजर में (22 मई 2011)

by | May 22, 2011 | 0 comments

खबर लिखे वाला जब खुद खबर बनि जाव

उनइस मई के इहे भइल जब अँजोरिया अपना सगरी सबडोमेना का साथे हैक हो गइल आ ओकरा बाद दू दिन लाग गइल सब कुछ ठीक करे में. “सब कुछ” में सब कुछ शामिल नइखे, बस अतने कि लगभग पूरा अँजोरिया फेर से शुरु हो गइल बा. अलग अलग सबडोमेन में दिक्कत देखल जा रहल बा आ जहाँ मिलत बा ओकरा के ठीको कइल जा रहल बा, अकेला आदमी खातिर ई बहुते मुश्किल काम बा बाकिर हो रहल बा. आशा बा कि राउर नेह छोह हमेशा का तरह बनल रही आ बीच में आवेवाला अइसनका व्यवधान के समय रउरा अपना असुविधा का बावजूद संबंध बनवले राखब. कवनो वेबसाइट खातिर दू से तीन दिन के बन्दी बहुते नुकसान चहुँपा जाला जवना के असर बहुते दिन ले झेले के पड़ेला.


आईपीएल के चार गो टीम चुना गइल

आईपीएल चार के बेहतर चार टीमन के चुनाव काल्हु पूरा हो गइल बाकिर केकर स्थान कहवाँ रही एकर फैसला आजु होखे वाला मैचन पर निर्भर करत बा. काल्हु के मैच से किंग्स इलेवन पंजाब के उपरी चार में जगहा ना मिल पावल काहे कि ओकरा के डेक्कन चार्जर्स हरा दिहले.

आजु होखे जा रहल रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु बनाम चेन्नई सुपर किंग्स के विजेता पहिला जगहा पर रहीहें जबकि कोलकाता नाइट राइडर्स बनाम मुंबई इण्डियंस के मैच में हारे वाला चउथका जगह पर चलि जाई. रहल सवाल दूसरा आ तीसरा जगहा के त ओकर फैसला एह पर निर्भर करत बा कि अगर पहिला मैच में चेन्नई जीतल त बैंगलुरु तीसरा जगहा पर चल जाई. दोसरा कवनो सूरत में दुसरका आ तिसरका जगहा के फैसला प्वांयट पर निर्बर हो जाई.


यूपीए के दूसरकी सरकार के दू साल पुरा हो गइल

भ्रष्टाचार के आरोपन से घेराइल रहला का बावजूद कांग्रेस के नेतृत्व में बनल यूपीए के दुसरका दौर के दू साल पूरा हो गइल. एह बीच तरह तरह के घोटाला सरकार के घेरले रहल. कबो आदर्श सोसाइटी, कबो राष्ट्रमण्डल खेल, त कबो टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला, त कबो पीजे थामस के नियुक्ति पर उठे वाला सवालन से. सरकार के छवि अतना खराब हो चुकल रहे कि जब भठियरपन का खिलाफ अन्ना के अनशन शुरु भइल त सरकार काँप उठल आ ऊ करे के तइयार हो गइल जवना के कवनो पुरान उदाहरण मौजूद ना रहल. निजी लोग से बनल समिति के गजट घोषणा तक कर दिहलसि सरकार. अलग बात कि ओकरा बाद कांग्रेसियन के एकजुट हमला का बाद अन्ना आंदोलन के सदस्यन पर कुछ सवालो उठ खड़ा भइल जवना का बाद आम आदमी कुछ हद तक एह समिति से बेपरवाह हो गइल बा कि लोक पाल बिल कइसन बनत बा. एह सरकार के काम का प्रति लापरवाही तब अउरी भयानक लागल जब पचास गो वांछित आतंकियन का सूची के दू गो आदमी हिन्दुस्ताने में मिलले. थामस का नियुक्ति का बारे में सरकार आपन मजबूरी तक जता दिहलसि कि का कइल जाव अब ईमानदार अधिकारी मिलते नइखन ! जय हो !


यूपी पुलिस भर्ती के फार्म पोस्टआफिस से मिली

अगिला हफ्ता छब्बीस मई से प्रदेश के एक सौ इकतीस डाकघर पुलिस भर्ती के फार्ब पचास पचास रुपिया में बेचल शुरु करीहे. एह सीधी बहाली में उप निरीक्षक, नागरिक पुलिस प्लाटून कमांडर पीएसी का पद पर नियुक्ति होखे जा रहल बा.


संस्कृत स्कूलन के कंप्यूटर दिहल जाई

उत्तर प्रदेश के माध्यमिक स्तर के दू सौ संस्कृत विद्यालयन के दू दू गो कंप्यूटर दिहल जाई. एह खातिर सगरी मंजूरी दिहल जा चुकल बा.


काल्हु आइल आन्ही पानी से फेर बहुत नुकसान भइल

काल्हु शनिचर का सबेरे बिहार आ उत्तर प्रदेश के इलाकन में फेर आँधी आइल जवना से करीब एक सौ लोग के जान जाये के अनेसा बतावल जा रहल बा. पटना में हवा के रफ्तार ९६ किलोमीटर प्रति घंटा के रहुवे. छपरा जिला में ठनका गिरला से दू जने के मौत हो गइल. एह आँधी पानी से आम आ लीची के साठ से सत्तर फीसदी नुकसान होखे के खबर बा.


अस्त्र मिसाइल के सफल परीक्षण

काल्हु उड़ीसा के चांदीपुर से लगातार दू दिन अस्त्र मिसाइल के सफल परीक्षण कइल गइल. हवा से हवा में मार करे वाला एह मिसाइल का बारे में दावा कइल जा रहल बा कि ई अमेरिका, रुस, आ फ्रांसो का मिसाइलन से बेसी उन्नत बा. एह मिसाइल से आमने सामने में अस्सी किलोमीटर दूर ले आ चहेट के मारे में बीस किलोमीटर दूर ले दुश्मन के जहाज के मार गिरावल जा सकेला.


बिहार पंचायत चुनाव में पुरनका लोग के हार

बिहार पंचायत चुनाव के मतगणना सारण, सिवान, पश्चिमी चंपारण समेत कई जिलन में चल रहल बा. कुछ जिलन के मतगणना हो चुकल बा आ कुछ के बाकी बा. बाकिर अबतल मिलल परिणाम बतावत बा कि हर जगहा बदलाव के हवा बा.


बिहार बोर्ड के रिजल्ट पचीस मई के

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मैट्रिक के रिजल्ट पचीस मई के जारी होखे वाला बा. तेइस तारीख के सीबीएसई के बारहवीं के रिजल्ट आवे वाला बा. बिहार इंटर के रिजल्ट तीस मई से पहिले निकल जाये के उमेद बतावल जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up