खबर एक नजर में (27 मई 2011)

by | May 27, 2011 | 0 comments

यूपी के दिहल जाई पाँच साल में आठ गो मुख्यमंत्री
गाजीपुर में संयुक्त मोर्चा के रैली में एलान कइल गइल कि अगर संयुक्त मोर्चा के सरकार बनल त हर घटक के बारी बारी से मुख्यमंत्री के कुर्सी दिहल जाई. एह मोर्चा में कौमी एकता दल, पीस पार्टी, भासपा, इंडियन जस्टिस पार्टी, जनवादी पार्टी, मोमिन कांफ्रेंस, गोंडवाना गणतंत्र पार्टी, आ जय भारत समानता दल शामिल बा. काल्हु के रैली में इहो कहल गइल कि पहिलका मुख्यमंत्री मुसलमान होखी. मोर्चा के मकसद बा राज्य के पिछड़ा समुदाय आ मुसलमानन के एकजुट करके जातिगत आधार पर चुनाव लड़े के.


पेट्रोल का बाद अब डीजल किरोसिन गैस के दाम बढ़ावल जाई
केन्द्र सरकार के मंत्रियन एगो अधिकार प्राप्र समूह नौ जून के प्रणव मुखर्जी का अध्यक्षता में बइठका करी जवना में तय कइल जाई कि दाम कतना बढ़ावल जाव. पेट्रोल का तरह डीजलो के दाम पर से सरकार आपन नियन्त्रण हटावल चाहत बिया जवना से कंपनी अपना हिसाब से दाम तय कर सकऽ सँ.


भुमि अधिग्रहण के ललचाऊ बनावे के सिफारिश
सोनिया गाँधी के अध्यक्षता वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सलाह बा कि किसान के जमीन कवनो विकास परियोजना खातिर लिहला का हालत में ओकरा के जमीन के पंजीकृत दाम के छह गुना दिहल जाव. एकरा अलावे ओह किसान के अगिला कुछ साल तक सालाना भा महीनवारी भुगतानो दिहल जाव.


सीबीएसई के पटना जोन के रिजल्ट आजु
बिहार आ झारखंड के साढ़े चौंसठ हजार परीक्षार्थियन के बारहवीं के रिजल्ट आजु प्रकाशित होखी जवना के सीबीएसई के साइट पर भा रिजल्ट निक इन पर देखल जा सकेला. रिजल्ट सबेरे दस बजे प्रकाशित कर दिहल जाई.


महिला यात्रियन के मिले वाला छूट सुविधा बढ़ल
रेलवे अब अठावन साल के महिला के वरिष्ठ नागरिक मान ली जबकि पहिले एकर सीमा साठ साल रहे. वरिष्ठ महिला नागरिक के किराया में पचास फीसदी के छूट दिहल जाला. मरद लोग के आय सीमा में कवनो बदलाव नइखे भइल आ ऊ साठे साल के रही. बाकिर छूट पहिले के तीस फीसदी का बदले चालीस फीसदी कर दिहल गइल बा. ई सुविधा पहली जून से लागू हो रहल बा.


यूपी के हर ब्लाक में बनी प्रशिक्षण हॉल
यूपी सरकार राज्य के हर प्रखण्ड संसाधन केन्द्र पर एकहएक गो प्रशिक्षण हॉल बनावल जाई. हर हॉल पर पाँच लाख रुपिया के लागत के अनुमान बा.


धोबी समुदाय खातिर करजा
यूपी अनुसूचित जाति वित्त विकस निगम हर जिला में गरीब धोबियन के लान्ड्री भा ड्राईक्लीनिंग खोले बदे दू लाख सोरह हजार रुपिया के करजा दी जवना में से दू लाख छह हजार रुपिया पाँच साल में बिना सूद लवटावल जाई. दस हजार रुपिया अनुदान रही. आखिर निगमो जानत बा कि करजा अइसहीं त मिली ना केहू के.


रेलवे क्रासिंग पर टक्कर में पाछ जने के मौत
भटनी का लगे गोरखपुर छपरा रेल खंड के नोनापार क्रासिंग पर काल्हु एगो ट्रैक्टर चंडीगढ़ डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस का चपेटा में आ गइल जवना में पाँच जने के ओहिजे मौत हो गइल आ बाकी लोग घवाहिल हो गइल. तीन गो घवाहिल के हालत बेहद खराब बा. ट्रैक्टर पर बराती आ बैण्ड पार्टी सवार रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up