खबर एक नजर में (29 अप्रेल 2011)

by | Apr 29, 2011 | 0 comments

फोन से भाषण दिहें अन्ना हजारे

आजु बनारस से अपना भ्रष्टाचार विरोधी अभियान के शुरुआत अन्ना हजार फोन से भाषण दे के करीहें. अन्ना के तबियत खराब चलत बा आ डाक्टर लोग उनुका के आराम करे के सलाह दिहले बाड़न. हालांकि स्वामी अग्निवेश आ अरविंद केजरीवाल एह सभा में मौजुद रहीहें आ भाषण दिहें. जिला प्रशासन एह सभा के अनुमति दे दिहले बिया.


अयोध्या रामलला मंदिर के तिरपाल बदलल जाई

अयोध्या मामिला के सुनवाई करे वाली लखनऊ बेंच अयोध्या जिला प्रशासन के एह बात के अनुमति दे दिहलसि कि रामलला मंदिर के पुरान तिरपाल, पालिथीन, रस्सी वगैरह बदल देव जवन कि बहुते जर्जर हो चुकल बा. अदालत अपना ओह फैसला पर ३१ अगस्त तक के रोको लगा दिहलसि जवना में रामजन्म भूमि के जमीन तीन हिस्सा में बाँटे के बात कहल गइल बा. ओह फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल बाड़ी सँ.


अरुण मिश्रा के ४३ करोड़ के संपत्ति के पता लागल

यूपी के औद्योगिक विकास निगम के मुख्य अभियंता रहल अरुण मिश्रा के नाजायज तरीका से अर्जित ४३ करोड़ के संपत्ति के पता लागल ब. सीबीआई देश भर में पसरल ओकर १३ गो कंपनियन के पता लगवले बिया. अरूण मिश्रा अपना के कुँआर बतावेला बाकिर विभाग के कहना बा कि ओकर दू गो बीबी बाड़ी सँ. एलिना मिश्रा देहरादून में कारोबार सम्हारेले आ दोसरकी बीबी राजपुर रोड में रहेले जवना के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. एलिना मिश्रा फरार बाड़ी. अरुण मिश्रा के गुरु आचार्य आशीष सेमवाल के खोज हो रहल बा. पता चलल बा कि ऊ अरूण मिश्रा से ५७ लाख रुपिया लिहले रहुवे सीबीआई जाँच रोकवावे का नाम पर. अरुण मिश्रा के हर काम के शुरुआत एही आचार्य का हाथे होखत रहे.


बिहार में एगारह हजार करोड़ रुपिया के निवेश

देश के चार गो बड़हन कंपनी बिहार में आपन कारखान लगावे जा रहल बाड़ी सँ. अभिजीत ग्रुप बांका में ५७० एकड़ जमीन ले चुकल बा आ नवादा के सिरदल्ला में जमीन दिआवे के सरकारी कोशिश हो रहल बा. कंपनी के झारखंड में कोल ब्लॉक आवंटित हो चुकल बा. कंपनी दस हजार करोड़ रुपिया के निवेश बिहार में करी. हीरो साइकिल बिहटा भा हाजीपुर में जमीन पावे के कोशिश में बावे जहाँ हीरो मोटरसाइकिल के पार्टपुर्जा बनावल जाई. श्री सीमेंट आ एबीजी सीमेंट कंपनी बिहार में सीमेंट कारखाना लगावे जा रहल बाड़ी सँ. ई तीनो कंपनी आपन आपन दू सौ से ढाई सौ करोड़ रुपिया के निवेश करीहें सँ.


नौ हजार स्वास्थ्य मित्र के बहाली होखी

बिहार सरकार राज्य के हर स्वास्थ्य केन्द्र पर एगो स्वास्थ्य मित्र के बहाली करे के फैसला कइले बिया. ई मित्र लोग गाँवे गाँवे घूम के लोग के योग के शिक्षा दिहें आ एक्युप्रेशर से इलाज करीहें. एह बहाली में योग प्रशिक्षित लोग के प्राथमिकता दिहल जाई. स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे इहो कहले बाड़न कि अब सरकारी अस्पताल मे मुफ्त जाँच के सुविधा सभका के दिहल जाई. पहिले खाली बीपीएल परिवारन के दिहल जात रहे. सरकारी अस्पतालन में बाहर के डाक्टर के पुर्जा थमावे वाला लोग का खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई. एह खातिर निगरानी दस्ता बनावल गइल बा. इहो कहले कि पावापुरी आ बेतिया में मेडिकल कॉलेज आ राज्य में बहुते नर्सिंग आ पारामेडिकल कॉलेज खोलल जाई जेहसे कि डाक्टर, नर्स आ सहायकन के कमी दूर हो सके.


बिजली संकट का चलत आरा आ गोपालगंज में फायरिंग

राज्य में चल रहल बिजली संकट का खिलाफ आवाज उठावे वालन के हंगामा रोके खातिर काल्हु आरा बंद करावल गइल . आरा रेलवे स्टेशन पर ट्रैक पर जाम लगावल गइल. एहिजा पुलिस लाठी चार्ज कइल सकरले बिया बाकिर कहल जात बा कि हवाई फायरिंगो कइलसि. गोपालगंज में फायरिंग के बात पुलिस सकरले बिया आ तीन राउण्ड फायर के बात कहल गइल बा. हालांकि फायरिंग से केहू घवाहिल नइखे भइल. पुलिस के लाठी चार्ज में बहुते लोग घवाहिल भइल बा. कैमूर आ भागलोपुर में विरोध प्रदर्शन के खबर बा.


छपरा आरा पुल खातिर जमीन अधिग्रहण

छपरा आरा पुल बने के काम जोर शोर से लागल बा. अब पुल पर जाये खातिर पँहुच पथ बनावे ला जमीन अधिग्रहण के काम शुरु हो गइल बा. डोरीगंज का लगे कोटवा पट्टी रामपुर, रामपुर बिन्द गाँवा आ बदलपुरा गाँव में ई अधिग्रहण हो रहल बा. कुल २३ एकड़ जमीन के अधिग्रहण होखी. अबहीं जिला प्रशासन एकर विवरण राज्य सरकार का लगे भेजले बिया. ओहिजा से स्वीकृति मिल गइला का बाद अधिग्रहण कर लिहल जाई.


छपरा जिला अस्पताल में गलत तरीका से बहाल लोग के बहाली रद्द

छपरा जिला अस्पताल में सिविल सर्जन के बहाल कइल दू गो ड्रेसर आ चार गो काउंटर कर्मियन के नियुक्ति के गलत तरीका से भइल बतावत रद्द कर दिहल गइल बा. जिलाधिकारी संबंधित संचिका के निरीक्षण का बाद पवले कि बहाली में पारदर्शिता ना रहल आ बहाली विधिवत ना करावल गइल रहे. एह से एह बहालियन के तत्काल प्रभाव से रद्द कइल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up