खबर एक नजर में (30 जून 2011)

by | Jun 30, 2011 | 0 comments

पूर्णिया से भाजपा के जीत

काल्हु भइल मतगणना का बाद पूर्णिया विधानसभा सीट के उपचुनाव में भाजपा उम्मीदवार किरण केसरी कांग्रेस उम्मीदवार रामचरित्र यादव के तेईस हजार छह सौ पैंसठ वोट से हरा के जीत गइली. माकपा के अमित सरकार तिसरका जगहा पर रहलन बाकिर उनुका मात्र सत्रह हजार एक सौ तेरह मत मिलल. कांग्रेस के तीस हजार सड़सठ वोट मिलल जबकि किरण केसरी के तिरपन हजार सात सौ बत्तीस वोट मिलल.


निघासन के दौरा कर के राहुल वापिस लवटलन

अपना पुरान आदत के दोहरावत काल्हु राहुल गाँधी फेर यूपी में अपना रायबरेली दौरा से अचानके लखनऊ खातिर निकल पड़लन. लखनऊ चहुँपलन त लोग सोचल कि ऊ डा॰सचान का परिवार से भा आईबीएन सेवन का आफिस पर जा सकेले. बाकिर सुरक्षा एजेन्सियन के धता बतावत ऊ एगो निजी कार से निघासन चल गइलन आ ओहिजा ओह लड़िकी का परिवार वलान से भेंट कइलन जवना के निघासन थाना के सिपाही बलात्कार के असफल कोशिश का बाद मार दिहले रहले आ मामिला के फाँसी लगावल बतावत रहले.


आजु से चवन्नी चलल बन्द हो गइल

आम प्रचलन में त जमाना से अठन्नी ले नइखे चल पावत जवना के भिखमंगो लेबे से इन्कार कर देले बाकिर रिजर्व बैंक का आदेश पर आजु से चवन्नी प्रचलन में ना रही. एक जमाना में एह चवन्नी के ढेर मोल रहे बाकिर बढ़त महँगाई का साथ सिक्का बनावे के खरचा ओकरा दाम से बेसी लागे लागल. दोसरे ओकर कवनो इस्तेमालो ना रह गइल त रिजर्व बैंक ओकरा के बन्दे कर दिहलसि. बाकिर अगर रउरा सभ का लगे चवन्नी भा ओहसे छोट दोसर पुरनका सिक्का होखे त घबड़इला के जरूरत नइखे. ओह सिक्कन के दाम अब धीरे धीरे बढ़ते जाई काहे कि सिक्का बिटोरे वाला लोग अब ओकर बेसी दाम दी.


अन्ना हजारे नीतीश कुमार से भेंट कइले

अन्ना हजारे अपना लोकपाल बिल के मसविदा के जानकारी देबे आ ओकरा खातिर समर्थन जुटावे का क्रम में नीतीश कुमार से मुलाकात कइलन. उनुका टीम के लोग भाजपा के आडवाणी से मिल चुकल बा आ काल्हु सीपीएम के प्रकाश करात से भेंट कइल लोग. अन्ना के मुलाकात आजु सोनिया गाँधी से होखे वाला रहुवे बाकिर कार्यक्रम में बदलाव का चलते अब २ जुलाई के मुलाकात होई.


सिंगुर के जमीन लवटावे पर रोक

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के खास मुद्दा बन चुकल सिंगुर के जमीन उनुका के छोड़े के तईयार नइखे. काल्हु सुप्रीम कोर्ट सरकार के एह फैसला पर रोक लगा दिहलसि कि किसानन के जमीन लवटा दिहल जाई काहे कि टाटा मोटर्स ओह जमीन पर कारखाना ना लगवलसि. सुप्रीम कोर्ट कहले बा कि एह मसला पर हाई कोर्ट के फैसला आवे तक किसानन के जमीन ना लवटावल जाव. हाई कोर्ट से एह मसला पर आपन फैसला एक महीना में दे देबे के कहल गइल बा.


जाति के गिनिती शुरु हो गइल

त्रिपुरा राज्य से जाति आधारित जनगणना के काम आजु से शुरु कर दिहल गइल. राजनीतिक रूप से महत्वपूर्ण एह मुद्दा पर फजीहत से बाचे खातिर
केन्द्र सरकार एह काम के जिम्मेदारी राज्य सरकारन के दे दिहले बिया.एह गिनिती पर पूरा देश में ३८ अरब रुपिया खरच होखे जा रहल बा. बहुते लोग के माँग रहुवे कि देश में एक बेर जाति गिना जाये के चाहीं जवना से आरक्षण मुद्दा पर कवनो सही राय बनावल जा सके..


बाबा बरफानी के दर्शन शुरु हो गइल

जम्मू काश्मीर में ४६दिन चले वाला अमरनाथ यात्रा के पहिला जत्था बाबा बरफानी के दर्शन कइलसि. सबले पहिले राज्य के राज्यपाल एन एन वोहरा बाबा बरफानी के दरसन कइले. जम्मू से आजु दोसरका जत्था रवाना हो गइल जवना मरं २१८५ यात्री शामिल बाड़न. यात्रा के सुरक्षा खातिर पुख्ता इन्तजाम करे के सरकार दावा कइले बिया.


सरकार अब कालेजन के फीस बढ़ावे के तइयारी में
केन्द्र सरकार अब अपना नियन्त्रण में चले वाली संस्थानन के फीस बढ़ावे के तइयारी शुरु कर दिहले बिया. नेशनल इंस्टीच्यूट आफ टेक्नोलाजी में सालाना पचास हजार रुपिया फीस लिहल जाई. आईआईटी में दू से अढ़ाई लाख रुपिया महीना फीस करे के प्रस्ताव बा. सरकार के मंशा बा कि हर तीन साल बाद फीस में बढ़ोतरी करे के नियमे बना दिहल जाव.


टेस्ट मैच के दुसरका दिन

आजु वेस्ट इंडीज तीन विकेट का नुकसान पर बनावल तीस रन से आगा खेले के शुरुआत कइलसि. शुरुआत खराब रहल आ ओकर दू गो विकेट सस्ते में निपट गइल. बाद में खराब मैच का चलते खेल बाधित हो गइल. वेस्ट इंडीज पाँच विकेट का नुकसान पर ९८ रन बना पवले बा. जबकि भारत अपना पहिलका पारी में खराब आ पक्षपाती अंपायरिंग का बावजूद २०१ रन बनवले बा. काल्हु धोनी के आउट करावे खातिर अंपायर के गलत गेंद देखावल गइल रहे.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up