खबर एक नजर में (4 मई 2011)

by | May 4, 2011 | 0 comments

लोकसेवा अधिकार नियमावली के कैबिनेट के मंजूरी

काल्हु बिहार सरकार के मंत्रिमण्डलीय बईठका में लोकसेवा अधिकार नियमावली के मंजूरी दे दिहल गइल. एह नियमावली में कुछ काम खातिर समय सीमा तय कर दिहल गइल बा आ ओह समय सीमा में काम ना भइला पर संबंधित अधिकारी के अढ़ाई सौ रुपिया रोज का दर से जुर्माना देबे के पड़ी आ ओकरा खिलाफ विभागियो कार्रवाई कइल जाई. अब जाति, आवास़, भा आय के प्रमाणपत्र बनवला से ले के राशन कार्ड, ड्राइविंग लाइसेंस, बिजली कनेक्शन, आ पासपोर्ट बनावे का सिलसिला में होखे वाला पुलिसिया जाँच के समय सीमा तय कर दिहल गइल बा.


एक से अधिका मेहरारू राखेवाला के तनखाह सभका में बरोबर बाँटल जाई

काल्हु बिहार सरकार इहो फैसला कर लिहलसि कि जवना सरकारी कर्मचारी के एगो से अधिका मेहरारू बिया ओकर तनखाग सगरी मेहरारुवन में बरोबर बरोबर बाँट दिहल जाई. एह फैसला से मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड इत्तेफाक राखत बा कि ना से अबही पता नइखे. सरकार के एह कदम से पुरनकी मेहरारुवन के राहत मिली आ नयकी नाराज हो जइहें सँ. सरकार ई नइखे बतवले कि “उपरी” आमदनी के बँटवारा कइसे होखी जबकि उपरी आमदनी जाहिर आमदनी से बहुते बेसी रहेला. अगल बगल देख लीं कवनो सरकारी कर्मचारी ना मिली जवना के गुजारा ओकरा तनखाह में चलत होखे.


छिटपुट घटना का साथे पंचायत चुनाव के पाँचवा चरण पूरा

काल्हु बिहार पंचायत चुनाव के पाँचवा चरण पूरा हो गइल. कवनो बड़हन घटना के खबर नइखे. काल्हु आठ सौ बयालिस लोग के गिरफ्तार कइल गइल आ ओह लोग का लगे से दू लाख से बेसी के राशि बरामद भइल बा. अब मतगणनो के दौर शूरु होखे जा रहल बा. पहिला चरण के मतगणना नौ मई के शिवहर में होखी जबकि आखिरी चरण के मतगणना उनतीस मई के रोहतास के दू गो प्रखण्ड में होखी. जहानाबाद, किशनगंज, आ शेखपुरा में बारह मई के, रोहतास, नालंदा, भागलपुर, कटिहार, आ खगड़िया में पन्द्ह मई के, बक्सर, भोजपुर, कैमूर, गोपालगंज, आ अररिया में अठारह मई के, पटना, गया, अरवल, नवादा, सारण, सिवान, मुजफ्फरपुर, वैशाली, पश्चिम चंपारण, सीतामढ़ी, दरभंगाम समस्तीपुर, मधुबनी, सहरसा, मधेपुरा, सुपौल, पूर्णिया, मुंगेर, बेगूसराय आ लखीसराय में एकइस मई के, पूर्वी चंपारण आ बाँका में चौबीस मई के आ औरंगाबाद अउर जमुई में सताईस मई के मतगणना करावल जाई.


यूपी पॉलिटेकनिक प्रवेश परीक्षा आठ मई से

उत्तर प्रदेश के पॉलिटेकनिक संस्थानन में प्रवेश खातिर संयु्क्त परीक्षा आठ मई से शुरु होखे जा रहल बा. परीक्षा तीन दिन करावल जाई. एह परीक्षा का आधार पर दु सौ छत्तीस गो पॉलिटेकनिकन में पैंसठ हजार नौ सौ सीट भरल जाई. परीक्षा के वीडियोग्राफी करावल जाई आ चोरी करत पकड़ल जाये वाला परीक्षार्थी के जेल भेज दिहल जाई.


सगरी विश्वविद्यालयन में एके जइसन पाठ्यक्रम

उत्तर प्रदेश के सगरी विश्वविद्यालयन में जल्दिये एके जइसन पाठ्यक्रम लागू कर दिहल जाई. एह खातिर बनावल गइल कुलपतियन के समिति के रिपोर्ट सरकार के सँउप दिहल गइल बा. एह कदम से छात्रन के एक विश्वविद्यालय से दोसरा में स्थानान्तरण करावल सुविधाजनक हो जाई. मानकीकरण के एह काम में सात गो विश्वविद्यालयन में एगारह गो समिति बनावल गइल बा जवन दोसरो विश्वविद्यालयन से विशेषज्ञ बोला सकेलें.


आल इण्डिया इंजिनियरिंग परीक्षा एगारह मई के होखी

आठ मई के होखे वाली इंजिनियरिंग परीक्षा अब एगारह मई के करावल जाई काहे कि आठ मई के दू गो अउरी प्रवेश परीक्षा के तिथि पहिले से तय बा. ई दोसरका परीक्षा एह चलते करावे के पड़ल बा कि पिछला अतवार के भइल परीक्षा का दिने एएफएमसीओ के प्रवेश परीक्षा आयोजित रहे आ हजारन विद्यार्थि एह चलते इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा में ना बइठ पवलें.


अलीगढ़ विश्विवद्यालय पर फैसला एही हफ्ता

अलीगढ़ मुस्लिम विश्चविद्यालय में छात्रन के दू गो गुट का बीचे भइल मारपीट आ गोलिबारी का चलते विश्वविद्यालय के अनिश्चित काल खातिर बन्द कर के सगरी विद्यार्थियन से छात्रावास खाली करा लिहल गइल रहे. विश्वविद्यालय में पढ़ाई फेर कब शुरु कइल जाव एह पर एही हफ्ता फैसला हो जाये के उमेद बा. प्रवेश परीक्षा के तिथि में कवनो बदलाव नइखे कइल गइल.


दि्ग्विजय सिंह फेर मुस्लिमपरस्त बयान दिहले

हमेशा से मुस्लिम परस्त बयानबाजी करे वाला दिग्विजय सिंह काल्हु बिन लादेन के अंतिम संस्कार मुस्लिम तरीका से बा करवला के आलोचना कइले. कहले कि केहू कतनो बड़हन अपराधी होखे ओकर धार्मिक रीति रिवाज के पालन होखे चाहीं. दिग्विजय एह से पहिले बटाला हाउस गोलीकाण्ड में अपने सरकार के कठघरा में खड़ा कर चुकल बाड़न आ आजमगढ़ के आरोपी आतंकियन का घरे जा जा के दिलासा दे चुकल बाड़न. दिगविजय सिंह हिन्दू धार्मिक संगठनन का खिलाफो बयानबाजी करत रहेलें. कहल जा रहल बा कि अबकी के बयान कांग्रेसो के नीक नइखे लागल आ दिग्गी के अपना बोली पर काबू राखे के सलाह दिहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up