खबर एक नजर में (5 जून 2011)

by | Jun 5, 2011 | 0 comments

योग शिविर ध्वंस करि के रामदेव के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस

काल्हु दिन भर चलल लीला का बाद कपिल सिब्बल बाबा रामदेव के पोपलपट्टी खोल दिहलन. पता चलल कि समझौता पहिलही हो चुकल रहुवे बाकिर बाबा रामदेव आपन वादा पूरा ना कइले. बाबा के कहना बा कि उनुका साथे विश्वासघात भइल बा. धोखा दे के उनका सहयोगी से चिट्ठी लिखवावल गइल रहुवे. बाद में बाबा रामदेव जब जिद्द ठान लिहलन त रात एक बजे का बाद दिल्ली पुलिस योग शिविर पर धावा बोल दिहलसि. आँसू गैस के गोला फेंक के शिविर में भगदड़ मचा दिहल गइल. एही दौरान गोला से मंच पर आग लाग गइल. ओकरा बाद पुलिस बाबा रामदेव के अपना हिरासत में जबरदस्ती उठा लिहलसि आ कहीं ले के चलि गइल. एकरा बावजूद पुलिस एह बाति से इन्कार कर रहल बिया कि बाबा के गिरफ्तार कइल गइल बा. ओकरा हिसाब से बाबा रामदेव के दिल्ली छोड़ देबे के आदेश दिहल गइल रहे. बीस दिन ले शिविर चलावे के अनुमति वापिस ले लिहल गइल आ रामलीला मैदान पर धारा १४४ लगा दिहल गइल बा. एह पुलिसिया कार्रवाई में बहुते लोग घवाहिल भइल बा


इलियास काश्मीरी के मार दिहलस अमेरिका

मुंबई पर हमला आ देश में आतंकी घटना करवावे वाला आतंकी इलियास काश्मीरी काल्हु अमेरिका के ड्रोन हमला में मार डालल गइल. वजिरिस्तान में भइल एह ड्रोन हमला से आधे घंटा पहिले इलियास ओहिजा चहुँपल रहे. इलियास काश्मीरी का साथे नौ गो आतंकी मार दिहल गइल बाड़. इलियास पर अमेरिका सरकार पचास लाख डॉलर के ईनाम घोषित कइले रहे आ हालही में अपना पाकिस्तान यात्रा में हिलेरी क्लिंटन जवन पाच गो आतंकियन के सूची सँउपले रहल ओहमें इलियासो के नाम शामिल रहल.


अमर सिंह पर मनी लांडरिंग एक्ट का तहत मुकदमा

प्रवर्तन निदेशालय विवादित नेता अमर सिंह का खिलाफ करिया धन सफेद करे के मुकदमा दर्ज करे वाला बा. प्रिवेन्सन आफ मनी लांडरिंग एक्ट का तहत अमर सिंह चउथका राजनेता होखीहन जेकरा खिलाफ मुकदमा दर्ज होखी. एह कलंकी सूची में झारखण्ड के पूर्व मुख्यमंत्री मधु कोडा, पूर्व दूर संचार मंत्री ए॰राजा, आ कनिमोझी के नाम पहिले से शामिल बा. अमर सिंह अपना खिलाफ चार सौ करोड़ रुपिया के अपना कंपनियन का जाल में घुमावत दोसरा तरफ निकाले के मामिला रद्द करे के निहोरा अदालत से कइले रहले जवना के अदालत खारिह कर दिहलसि.


अमिताभ बच्चन चाहत बाड़े लड़िकन के पिये के आजादी

मधुशाला के महिमामण्डित करे वाला महान हिन्दी साहित्यकार हरिवंश राय बच्चन के सपूत अमिताभ बच्चन, जे सिनेमा के बड़का बादशाह कहल जाले, के अचरज बा कि महाराष्ट्र सरकार काहे लड़िकन के शराब पिये से रोकत बिया. पियक्कड़ नवहियन के समर्थन में सामने आइल अमिताभ बच्चन हालांकि इहो ट्विट कइले बाड़न कि ऊ खुद ना त शराब पियेले ना माँसाहारी हउवन बाकिर एकरा खातिर केहु उनुका के मजबूर नइखे कइले.स


देश में अबतक के सबले भ्रष्ट सरकार

भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के दू दिन के बइठक काल्हु लखनऊ में पूरा हो गइल. बइठक का बाद जारी बयान में मनमोहन सिंह का नेतृत्व वाली सरकार के देश में अबतकले के सबले भ्रष्ट सरकार बतावल गइल बा आ शिकायत बा कि सबकुछ का बावजूद मनमोहन सिंह का मुँह से बकार नइखे फूटत. एह बइठक में उमा भारती के वापसी के एलान होखे के उमेद रहल बाकिर प्रदेश के भाजपाईयन का विरोध का चलते ई ना हो सकल.स


बीसबीसा मैच में वेस्ट इंडीज के हरा दिहलसि भारत

वेस्ट इंडीज का दौरा पर गइल भारत के टीम अपना एकलौता बीसबीसा मै्च में वेस्टइंडीज के सोलह रन से हरा दिहलसि. जबकि एह टीम में बड़का बड़का नामी खिलाड़ी शामिल ना रहले. एह दौरा में पाँच गो एकदिना मैच आ तीन गो टेस्ट मैच होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up