खबर एक नजर में (9 मई 2011)

by | May 9, 2011 | 0 comments

बिहार पंचायत चुनाव के मतगणना आजु से

आजु ९ मई के बिहार पंचायत चुनाव के मतगणना आठ दौर में करावल जाई. पहिला दौर में आजु शिवहर जिला के मतगणना करावल जा रहल बा. मतगणना करे वालन के निर्देश दिहल गइल बा कि अगर कवनो पद विशेष खातिर पड़ल मत ओही चुनाव केन्द्र पर दोसरा पद खातिर पड़ल मत से दस फीसदी से बेसी होखे त ओकर जाँच कइल जाव. जरुरत पड़ला पर दुबारा मतदान करावल जा सकेला. कहल गइल बा कि मतगणना हो गइला का बाद जीते वाला उम्मीदवार के आजुवे प्रमाणपत्र दे देबे के पड़ी ना त संबंधित कर्मी पर कार्रवाई कइल जाई.


अयोध्या विवाद पर आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई

अयोध्या विवाद पर इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ बेंच के फैसला का खिलाफ दायर सगरी याचिका पर सुप्रीम कोर्ट आजु सुनवाई करे जा रहल बा. सभका एके शिकायत बा कि जमीन के तीन बखरा काहे कइल गइल. सभका पूरे चाहीं. चाहे ऊ रामलला के सखा होखसु, निर्मोही अखाड़ा होखे, भा मस्जिद के पैरवीकार. मस्जिद के पैरवीकारन के कहना बा कि फैसला आस्था पर दिहल गइल बा जबकि ओकरा तथ्य पर होखल चाहत रहे.


यूपी में भाजपा के नया गणित

केन्द्र में सत्ता पावे के चाभी उत्तरप्रदेश में भुलाइल बा. ई मानत भाजपा यूपी में आपन जनाधार बढ़ावे खातिर नया गणित ले के सामने आ रहल बिया. राज्य के अपना नेता लोग में आपसी समुझ ना बन पवला का चलते नेता खातिर उमा भारती के नाम लिहल जा रहल बा. एह से भाजपा पिछड़ा वर्ग के अपना साथ जुड़े के उम्मीद करत बिया. पाँच गो राज्यन में भइल विधानसभा चुनाव के मतगणना १३ मई के होखे जा रहल बा आ ओकरा बाद एकर एलान कइल जाई. भाजपा के सोचावट बा कि सवर्ण समुदायन का साथ अगर गैर यादव पिछड़ा जमात के समर्थन मिल जाव त पार्टी के बीस फीसदी से बेसी मत मिल सकेला आ पार्टी केन्द्र में सरकार बनावे के उम्मीद कर सकेले.


सांसदन के संपत्ति के ब्योरा सार्वजनिक ना कइल जा सके

राज्यसभा के आचार समिति के कहना बा कि राज्यसभा सांसदन के संपत्ति के ब्योरा सार्वजनिक ना कइल जा सके. समिति के कहना बा कि जे ई जानकारी लिहल चाहत बा ऊ चाहे त राज्यसभा के सभापति से लिखित में अनुमति ले के ई जानकारी पा सकेला. शायद ओकरा उमेद बा कि ना नौ मन तेल होई ना राधा के नाचे के पड़ी. ना सभापति अनुमति दीहें ना जानकारी देबे के पड़ी.


काल्हु त क सगरी तइयारी पूरा कर लिहल जाव

निर्वाचन आयोग संबंधित अधिकारियन के निर्देश दिहले बा कि हर हाल में काल्हु मंगल तक मतगणना स्थल के पूरा इन्तजाम कर लिहल जाव जहवाँ शुक १३ मई के मतगणना होखे के बा. मतगणना परिसर का चारो तरफ तीन गो सुरक्षा चक्र बनावल जाव. पहिले डाक से आइल मत गिनल जइहे सँ आ अगर जीत के अंतर डाक से मिलल सगरी मतपत्र का गिनिती से कम बा त डाक से आइल मतपत्र के फेर से गिनल जाव.


मंत्री जी के चेक चोरा के डेढ़ लाख रुपया निकालल गइल

बिहार के भवन निर्माण मंत्री दामोदर राउत के चेक बुक से आखिर के पन्ना में से एगो पन्ना चोरा लिहल गइल आ ओह चेक पर एक लाख पैंतालिस हजार रुपिया निकाल लिहल गइल. निकलल रुपिया मुंबई के चेंबुर में किराना दुकान चलावे वाला रोशन कुमार सिंह का खाता में जमा करावल गइल बा. मंत्री के कहना बा कि ऊ ओह आदमी के जानबो ना करसु. उनका इहो मालूम नइखे कि कब आ के चेक चोरावल. चेक पर के दस्तखत जाली बतावल जा रहल बा.


वकीलन के मिले वाला फीस दुगुना कर दिहलसि यूपी सरकार

काल्हु मायावती घोषणा कइली कि राज्य सरकार सरकारी वकीलन के दिहल जाये वाला रिटेनरशिप फीस आ बहस के फीस दुगुना कर दिहले बिया. संगही ऊ वकील लोग से बीपीएल कार्ड वालन के आ महामाया गरीबन के मुकदमा मुफ्त में लड़े के सुविधा निष्ठा से लागू करावस. वकीलन खातिर राज्य सरकार आपन खजाना खोल दिहले बिया. कहली कि ऊ बाकी सरकारन का तरह खाली बयानबाजी नइखी करत बलुक वास्तव में वकीलन खातिर सगरी सुविधा दिलवावत बाड़ी.


पिपराइच के चुनाव हो गइल

गोरखपुर के पिपराइच विधानसभा क्षेत्र में उपचुनाव के वोटिंग काल्हु शांति से हो गइल. एह चुनाव में सपा का ओर से राजमति निषाद, भाजपा का ओर से राधेश्याम सिंह आ पूर्व मंत्री जितेन्द्र जायसवाल चुनाव मैदान में बाकी उम्मीदवारन का साथ बाड़े. मतगणना १३ मई के करावल जाई. बसपा एहिजा से आपन उम्मीदवार नइखे दिहले जबकि ओकरे विधायक जमुना निषाद के निधन का बाद ई सीट खाली भइल रहे. जमुना निषाद के विधाव राजमति निषाद के सपा आपन टिकट दिहले बा.


जमीन के मुआविजा खातिर चलत आन्दोलन गरमाइल

यमुना एक्सप्रेसवे खातिर हो रहल जमीन अधिग्रहण में बाजार दर से मुआविजा माँग रहल किसानन के आन्दोलन में पुलिस का साथ भइल गोलीबारी में चार जने के मौत हो चुकल बा. पुलिस किसान नेता के गिरफ्तारी खातिर पचास हजार रुपिया के इनाम के घोषणा कइले बिया. ओने एह आन्दोलन के आग धीरे धीरे आगरा आ अलीगढ़ मण्डल के दोसरो गाँवन में पसरल जा रहल बा. सगरी विपक्षी दल एह आन्दोलन के समर्थन दे रहल बाड़े आ मुख्यमंत्री मायावती चुप्पी सधले बाड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up