नेशनल हेराल्ड केस में जमानत ले चुकल सोनिया आ राहुल के आजु सुप्रीम कोर्ट निचला अदालत में तारीख पर हाजिर रहे से छूट दे दिहलसि। कहलसि कि ई नामी लोग ह आ एह लोग के तारीख पर हाजिर रहला से बेजरुरत के समस्या पैदा होखी।
बाकिर एह लोग के सगरी मेहनत बेकार रहल जब अदालत केस चलावे पर कवनो रोक ना लगवलसि।
भाजपा नेता डा सुब्रहमणीयम स्वामी का शिकायत पर निचली अदालत में सोनिया, राहुल, मोतीलाल वोरा वगैरह पर जालसाजी करे के मुकदमा चलत बा।
0 Comments