जस्टिस गांगुली के बर्खास्त करे के माग भइल संसद में

by | Dec 13, 2013 | 0 comments

SushmaSwarajनयी दिल्ली, 13 दिसम्बर (वार्ता) अपना महिला इन्टर्न वकील संगे गलत यौन.व्यवहार के आरोपी आ उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश रहल ए. के. गांगुली के पश्चिम बंगाल मानवाधिकार आयोग का अध्यक्ष पद से हटावे के माँग आजु लोकसभा में उठावल गइल.

शुरुआत कइली नेता विपक्ष सुषमा स्वराज आ उनकर समर्थन कइले तृणमूल कांग्रेस के सुदीप बंद्योपाध्याय. एह सवाल पर चरचा ला सुषमा स्वराज प्रश्नकाल टारे के प्रस्ताव दिहले रही जवना पर स्पीकर मीरा कुमार कहली कि एह पर चरचा करे के मौका दीहल जात बा एहसे प्रश्नकाल मत रोकवावसु.

आपन बात कहत सुषमा स्वराज कहली के हद त ई हो गइल बा कि आए दिन मीडिया, न्यायपालिका के शीर्ष पद पर बइठल लोग आ धर्माचार्यो लोग के नाम एह तरह के कुकरम से जोड़ाए लागल बा. एह क्रम में उ तरुण तेजपालो के नाम लिहली. कहली कि न्यायाधीश रहल ए. के. गांगुलीओ प लागल आरोप के सु्प्रीम कोर्ट के तीन सदस्यीय बोर्ड पहिला नजर में सही पवले बा, बाकिर न्यायमुर्ति गागुली आपन इस्तीफा नइखन देत.

सुषमा के कहना रहे कि एह तरह के कुकर्म करे वाला के ओकरा हैसियत का हिसाब से सजा मिले के चाहीं. जतन बड़ हैसियत ओतने बेसी सजाय.

तृणमूल सांसद सुदीप बंद्योपाध्याय सुषमा स्वराज के मांग के पुरजोर सर्मथन कइलन आ न्यायमूर्ति गांगुली के बर्खास्त करे के मांग कइनन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up