जापान में भयंकर तबाही से पूरा दुनिया दुखी

by | Mar 11, 2011 | 0 comments

पिछला सौ बरीस में अतना दुखदायी सुनामी ना आइल रहे जतना शुक ११ मार्च के जापान में आइल. अनेसा त पहिलही से रहे आ अबहियो बा कि एगो बड़हन तबाही अगिला पचास साल का पहिले कहियो आ सकेला जब जापान के दसियो लाख आबादी खतम हो सकेले. शुक के दिने जापान के सेनदई, Sendai, शहर का समुद्र किनारे आइल सुनामी से सैकड़ो लोग के जान चलि गइल बा, हजारो लोग बेघर हो गइल बा आ लाखो लोग जहें तहें फंसल घेराइल बा. सरकार के निर्देश बा कि लोग अपना कामे का जगहा का पास कवनो सुरक्षित जगह देख के रुक जाव. घरे जाये के कोशिश ना करे काहे कि यातायात आ संचार व्यवस्था एकदमे बिगड़ गइल बा. सभका से निहोरा बा कि फोन भा मोबाइल के इस्तेमाल तबे करे जब बहुत जरुरी होखे.

जापान सरकार देश में आपातकाल के घोषणा कर दिहले बिया. सेनदई का लगे एगो पेट्रोकेमिकल संस्थान में भयंकर विस्फोट होखे के खबर बा. फुकूशीमा के परमाणु प्रतिष्ठान का दू किलोमीटर के दायरा में रहे वाला लोग के इलाका खाली कर देबे के कहल गइल बा. एगो न्यूक्लियर प्लांट के ठंढा राखे वाला संयत्र में खराबी आ गइल बा. हालांकि अबले कवनो तरह के विकिरण होखे के खबर नइखे.प्रधानमंत्री नाओतो कान कहले बाड़न कि लोग शान्त रहे आ धीरज बनवले राखे. वइसहूं आदमी पर जब विपत्ति आवे त धीरज बनवले राखे के चाहीं. एहसे दिमाग ठीक से कम कर पाई आ समस्या के समाधान के कवनो ना कवनो राह जरुर निकल आई.

भूकंप का बाद आइल समुद्री तूफान में एगो पानी के जहाज बह गइल बा आ एगो रेल गाड़ी के पता नइखे चलत कि कहाँ बिया. भूकंप के तीव्रता रिचर्स स्केल पर ८.९ नापल गइल बा जवन भयंकर मानल जाला. समुद्री तूफान का रेला में पूरा के पूरा शहर दह बह जायेके खबर बा. करीब पचास देश में सुनामी आवे के चेतावनी दिहल गइल बा. फिलिपीन्स पर लहर के आतंक शुरुओ हो गइल बा.हवाई का दक्खिन समुद्री किनार पर छह फुट ऊँच लहर चोट दे रहल बा.इहो अनेसा जतावल गइल बा कि सुनामी न्यूजीलैण्ड का तरफ तेजी से बढ़ रहल बा.

स्थानीय समय का मुताबिक जब दुपहरिया पौने तीन बजे का समय ८.९ तीव्रता वाला भूकंप आइल त टोकियो रेलवे स्टेशन पर खड़ा लोग एक दोसरा के पकड़ लिहल कि सुरक्षा बुझाव. भूकंप से जमीन तेजी से हिलत रहुवे. तुरते सगरी कार्यालय आ स्कूलन के ब्द कर दिहल गइल. जापान में भूकंप हमेशा आवत रहेला बाकिर शुक का दिने आइल भूकंप गजब के विनाशकारी रहल.

एने भारत सरकार के कहना बा कि भारत का किनार पर कवनो तरह के अनेसा नइखे. भारत सरकार एह सुनामी में तबाह लोगन खातिर दुख जतवले बिया आ जापान के हर तरह के सहायता देबे के संकल्प जतवले बिया. बस कहला के देर बा.

एह भयंकर तबाही के खबर सुन के करेजा मुँह में आ गइल बा. बुझात नइखे कि आपन दुख कइसे बतावल जाव. का भगवान तोहरा सृष्टि में इहे सबकुछ होखी ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up