टटका खबर, बियफे, १५ मार्च २०१२

by | Mar 15, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • अखिलेश सरकार छात्र संघ बहाली के आदेश दे दिहलसि. अब पढ़ाई से बेसी नेतागिरी सिखल सिखावल जरूरी लागत बा.
  • आजु लखनऊ का ला मार्टिनियर कॉलेज का मैदान में समाजवादी पार्टी नेता अखिलेश सिंह यादव के मुख्यमंत्री के किरिया दिहल गइल. उनुका साथे उनइस गो कैबिनेट मंत्रीअनो के किरिया दिहल गइल. एह लोग के नाम हवे , आजम खां, शिवपाल सिंह यादव, अहमद हसन, वकार अहमद शाह, राजा अरिदमन सिंह, आनंद सिंह, अम्बिका चौधरी, रघुराज प्रताप सिंह उर्फ राजा भैया, बलराम यादव, अवधेश प्रसाद, ओमप्रकाश सिंह, पारसनाथ यादव, रामगोविंद चौधरी, दुर्गाप्रसाद यादव, कामेश्वर उपाध्याय, राजाराम पाण्डेय, राजकिशोर सिंह, ब्रहमाशंकर त्रिपाठी, आ शिव कुमार बेरिया.
  • आजु जवना २७ गो विधायकन के राज्य मंत्री बनावल गइल बा तवना लोग के नाम बा, इकबाल महमूद, महबूब अली, शाहिद मंजूर, रियाज अहमद, फरीद महफूज किदवई, वसीम अहमद, नरेन्द्र सिहं यादव, शिवप्रताप यादव, राजेन्द्र सिंह राणा, मूलचन्द चौहान, अरविंद सिंह गोप, राजीव कुमार सिहं, अभिषेक मिश्र, विनोद कुमार सिंह, भगवत शरण गंगवार, नरेन्द्र वर्मा, राममूर्ति वर्मा, अरुणा कुमारी कोरी, जगदीश सोनकर, चित्तरंजन स्वरूप, मानपाल सिंह वर्मा, कमाल अख्तर, शंखलाल माझी, कैलाश चौरसिया, रामपाल राजवंशी, मनोज पारस, रामकरन आर्य आ सुरेन्द्र सिंह पटेल.
  • शपथ ग्रहण बीतते सपा कार्यकर्ता लोग के हुड़दंग से पूरा मंच तहस नहस हो गइल.
  • राजा भईया के मंत्री बनवला का चलते अखिलेश सिंह के बहुते आलोचना होखत बा. कहलजात बा कि अतना बहुमत का बादो कवन मजबूरी रहल जे राजा भईया जइसन आदमी के कैबिनेट मंत्री बनावे के पड़ गइल.
  • अपना पहिलके कैबिनेट मीटिंग में सपा सरकार बेरोजगार भत्ता एक हजार रुपिया महीना देबे के फैसला कर लिहलसि. बारहवीं के विद्यार्थियन के लैपटाप आ दसवीं के विद्यार्थियन के टैबलेटो मुफ्त देबे के फैसला ले लिहल गइल.
  • यूपी बोर्ड के मैट्रिक आ इन्टर के इम्तिहान काल्हु शुक से शुरू होखे जात बा. अबकी परीक्षार्थियन के प्रश्न पत्र पढ़े खातिर पन्द्रह मिनट के समय अधिका दिहल जाई.
  • कांग्रेस राज्यसभा चुनाव खातिर यूपी से रशीद मसूद के टिकट दिहले बिया. मसूद हालही में सपा छोड़ के कांग्रेस में शामिल भइल रहले. कांग्रेस के लगा अतना वोट नइखे जे ऊ एकहू उम्मीदवार के जितवा सके.

बिहार

  • पटना के गाँधी मैदान में पुस्तक मेला के उद्घाटन करत नीतीश कुमार कहलन कि पुस्तक मेला के हर साल बिहार दिवस का मौका पर बाइस मार्च के करे के परम्परा डाल दिहल जाव.
  • रोहतास में माले सचिव भईयाराम यादव के हत्या का खिलाफ में आजु माले कार्यकर्ता नासरीगंज में सड़क जाम करि के घंटनो विरोध प्रदर्शन कइलन. सतरह तारीख के शाहाबाद बंद के एलान भइल बा आ तेइस मार्च के नासरीगंज में संकल्प सभा होई जवना के माले महासचिव दीपंकर भट्टाचार्य संबोधित करीहें.

देश

  • रेलमंत्री के इस्तीफा का बारे में साफ जानकारी ना मिलला का चलते संसद में विपक्षी दल जम के नारेबाजी कइले जवना से संसद के कार्यवाही कुछ देर खातिर रोके के पड़ल. काल्हु देर रात खबर रहे कि दिनेश त्रिवेदी इस्तीफा दे दिहले बाड़े आ प्रधानमंत्री ओकरा के सकार लिहले बाड़न. बाकिर आजु भोर में कहाये लागल कि रेलमंत्री ना त इस्तीफा दिहले बाड़न ना ही उनुका के केहू इस्तीफा देबे के कहले बा. ओने तृणमूल सांसद आजु संसद परिसर में प्रदर्शन कइले जवना में दिनेश त्रिवेदी शामिल ना रहले.
  • कांग्रेस आजु एह बा से इंकार कइले बिया कि ओकरा सरकार के कवनो तरह के खतरा बा. ओने समाजवादी पार्टी से सहयोग माँगल गइल बा कि तृणमूल के बाहर निकलला का हालात में ऊ यूपीए का साथे आ जाव.
  • महाराष्ट्र विधानसभा के बजट सत्र आजु राज्यपाल के॰ शंकरनारायणन के अभिभाषण का साथे शुरू भइल.
  • पंजाब अउर हरियाणा उच्च न्यायालय हरियाणा सरकार के निर्देश दिहले बिया कि जाट आंदोलन का दौरान भइल घटनन का बारे में व्यापक रपट छह हफ्ता का भितरे जमा करे.
  • नासिक में भाजपा के सहुयोग से मनसे के यतिन रघुनाथ बाघ मेयर के चुनाव जीत गइलन. १२२ सदस्य वाला नगर निगम में मनसे सबले बड़हन पार्टी बन के उभरल रहुवे आ ओकरा लगे ४० गो पार्षद रहले. पिछला हफ्ता ठाणे मेयर चुनाव में मनसे शिवसेना-भाजपा उम्मीदवार के समर्थन कइले रहुवे.
  • उत्तराखंड में राजनीतिक अनिश्चितता के माहौल में बहुगुणा विरोधी गुट के सतरह गो विधायक आजु किरिया लेबे हाजिर ना भइलन. एकरा पहिले राज्यपाल कांग्रेसी विधायक डा॰ शैलेन्द्र मोहन सिंहल के प्रोटेम स्पीकर के किरिया दिहलन.
  • तमिल सांसदन पर लिट्टे से संबंध होखला के आरोप लगावे वाला श्रीलंका के उच्चायुक्त आजु माफी माँग लिहलन. उनुका के विदेश मंत्रालय में बोला के भारत के चिंता से वाकिफ करावल गइल रहे.

दुनिया

  • यूरोपियन यूनियन नेपाल के चालीस लाख यूरो के सहायता देबे के एलान कइलसि. एह सहायता के इस्तेमाल नेपाल के फूड सिक्यूरिटी मानिटरिंग सिस्टम पर कइल जाई.
  • अफगानिस्तान में आजु भइल एगो बम विस्फोट से नाहियो त तेरह लोग के मरा जाये के अनेसा बा.
  • दू गो स्विस बन्हकन के आजु पाकिस्तान के तालिबान रिहा कर दिहलसि.
  • भारत नेपाल के तीन करोड़ नेपाली रुपिया के सहायता देबे के एलान कइलसि.
  • नीदरलैण्ड सीरिया में आपन दूतावास आजु बंद कर दिहलसि.

खेल

  • ढाका में मीरपुर नेशनल स्टेडियम में एशिया कप क्रिकेट-२०१२ के तिसरका मैच पाकिस्तान आ श्रीलंका का बीच खेलल गइल. श्रीलंका टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी कइलसि. बाकिर बाद में खेले उतरल पाकिस्तान श्रीलंका के छह विकेट से हरा के फाइनल में आपन जगहा पक्का कर लिहलसि.

बिजनेस

  • संसद में आजु पेश सर्वेक्षण में बतावल गइल बा कि भारतीय अर्थव्यवस्था के विकास दर वित्त वर्ष २०११-१२ में छह दशमलव नौ फीसदी रही. आ साल २०१२-१३ में सात दशमलव छह फीसदी, साल २०१३-१४ में आठ दशमलव छह फीसदी रहे के अनुमान लगावल गइल बा. चालू वित्त वर्ष में कृषि विकास दर दू दशमलव पांच फीसदी आ सेवा क्षेत्र के विकास दर नौ दशमलव चार फीसदी रही. औद्योगिक विकास दर चार से पांच फीसदी रहे के बात कहल गइल बा. उमीद जतावल गइल बा कि साल का आखिर में महँगाई में कमी होखी.
  • भारतीय रिजर्व बैंक आजु जारी नीति समीक्षा में सी आर आर आ रेपो दर में कवनो बदलाव नइखे कइले जवना से उद्योग जगत निराश बा.
  • बम्बई शेयर बाजार में आजु २४३ अँक के बड़हन गिरावट दर्ज भइल राजनीतिक अनिश्चितता के असर बाजार पर पड़ल बतावल जात बा. आजु रुपयो डॉलर का मुकाबले कमजोर पड़ गइल.
  • विश्व बैंक भारत के गरीबी मेटावे खातिर आसान शर्त पर चार अरब ३० करोड़ अमरीकी डॉलर के वित्तीय सहायता देबे के घोषणा कइलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up