टटका खबर, बियफे, १६ फरवरी २०१२

by | Feb 17, 2012 | 0 comments

बिहार

  • राज्य में भंडारण के हालात सुधारे खातिर गोदाम बनावे वाला पैक्सन के केन्द्र का ओर से पचास फीसदी राशि दिहल जाई. अबही भंडारण के दिक्कत का चलते धान के सरकारी खरीद पर असर पड़त बा.
  • पानी आ कोयला का कमी का चलते राज्य के चार गो विद्युत उत्पादन ईकाई थँउस गइल बा जवना से राज्य में बिजली संकट बहुते बढ़ि गइल बा. एह ईकाईयन से पाँच सौ मेगावाट बिजली के कमी बढ़ गइल बा.
  • सारण जिला के दरियापुर से मुखिया पति के गैरकानूनी असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • प्रदेश ले स्वास्थ्य मंत्री रहल महाबीर प्रसाद के आजु अस्सी साल का उमिर में पटना में निधन हो गइल. उनुकर अंतिम संस्कार राजकीय सम्मान जा साथे उनुका गाँव दरभंगा जिला के किरतपुर में कइल जाई.
  • पूर्वी चंपारण जिला परिषद के उपाध्यक्ष ओम प्रकाश चौधरी का खिलाफ तुरकौलिया प्रखंड कार्यालय में तोड़ फोड़ करे के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
  • गोपालगंज के जजवलिया मोड़ का लगे बरातियन से भरल एगो बस दोसरा वाहन से टकरा गइल जवना चलते दू जने के मौत हो गइल आ छह आदमी घवाहिल हो गइले.
  • देश में बाल श्रमिकन के संख्या में गिरावट आइल बा आ बिहार एह मामिला में अव्वल बा जहाँ बाल श्रमिकन के संख्या में सबले बेसी कमी आइल बा.
  • राज्य में तीस लाख मीट्रिक टन धान खरीदे का लक्ष्य में आठे लाख मीट्रिक टन धान खरीदल जा सकल बा. एह चलते किसान अपना उपज के औनेपौने दाम में बिचौलियन के बेचत बाड़े.
  • बुध का दिने भोजपुर जिला के गिद्धा सकलडीहा गाँव का लगे भइल एगो सड़क दुर्घटना में चार लोग के मौत हो गइल आ एगारह लोग घवाहिल हो गइल. एगो दोसरा दुर्घटना में उदवंत नगर के कसाव गाँव के मुखिया के मौत हो गइल.
  • बुध का दिने सिवान के डाक्टर लखिचंद प्रसाद से बीस लाख रुपिया रंगदारी माँगे के मामिला सामने आइल बा.

उत्तर प्रदेश

  • राज्य के ओह इलाकन में जहाँ अबही चुनाव होखल बाकी बा चुनाव प्रचार पूरा जोर पकड़ लिहले बा. बुध का दिने सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव एगो सवाल के जबाब में कह दिहलन कि अगर भाजपा के रोके के जरूरत पड़ल त सपा कांग्रेस के समर्थन दे सकेले. हालांकि बाद में मुलायम अपना बयान से पलट गइलन आ कहलन कि सपा अकेले सरकार बनावे जात बिया. बाकिर उनुका मुँह से निकल चुकल बान लेके भाजपा हमलावर हो गइल बिया. ओकर कहना बा कि ई बतावत बा कि राज्य में भाजपा के लहर चलत बा आ बाकी दल एहसे परेशान हो गइल बाड़े. भाजपा के साफ कहना बा कि अगर बहुमत मिलल त सरकार बनाई ना त विपक्ष में बइठी. भाजपा ना त केहु के समर्थन दी ना केहु से समर्थन ली. जानत बिया कि अगर गठबन्हन सरकार बनल त अगिला बेर ओकरा खातिर फायदा वाला स्थिति रही.
  • चउथा दौर के वोट वाला इलाकन में प्रचार के काम काल्हु शुक का साँझ से बन्द हो जाई. एह दौर में उनइस फरवरी के एगारह जिला में पसरल छप्पन सीट पर वोट करावल जाई.
  • बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य पर एगो मतदान कर्मी से पंगा लेबे का मामिला में आचार संहिता लाँघे के मामिला दर्ज भइल बा आ मौर्य के आयोग का तरफ से नोटिस भेजल गइल बा.
  • सातवाँ दौर के वोट खातिर नाम वापिस लेबे के आजु आखिरी दिन रहुवे आ अब नौ सौ उम्मीदवार मैदान में रह गइल बाड़े.
  • बुध का दिने भइल तिसरका दौर के मतदान में सत्तावन फीसदी वोट पड़े के खबर बा जवन पिछला चुनाव का मुकाबिले छत्तीस फीसदी बेसी रहल. एह अधिका मतदान के भाजपा अपना पक्ष में बतावत बिया. हालांकि अबकी हर जगहा बेसी मतदान होखत बा आ लोग जीत हार का बदले एही चरचा में रहत बा कि कतना फीसदी मतदान होखे जात बा.

देश

  • इटली के एगो समुद्री जहाज के कप्तान अपना सुरक्षा कर्मियन से हिंद महासागर में भारत के मछूआरन का एगो नाव पर समुद्री डकैत समुझ के गोली चलवा दिहले जवना से दू गो मछुआरा के मौत हो गइल. भारत सरकार एह मामिला में इटली के राजदूत के बोला के आपन विरोध जतवलसि आ इटली के ओह जहाज के रोक लिहलसि. कहलसि कि एह लोग पर भारत का कानून का हिसाब से मुकदमा चलावल जाई.
  • भारत आ पाकिस्तान आजु अपना कैदियन के अदला बदली कइले जवना में भारत तीन गो पाकिस्तानी कैदियन के त पाकिस्तान उनइस गो हिन्दुस्तानी कैदियन के रिहा कर दिहलसि.
  • निर्वाचन आयोग केंद्रीय मंत्री बेनीप्रसाद वर्मा के मुस्लिम आरक्षण वाला बयान के जाँच करत बावे आ उनुका के नोटिस जारी हो सकेला. कुछ दिन पहिले कानून मंत्री सलमान खुर्शीद अपना बयान खातिर माफी माँग चुकल बाड़े आ बेनियो प्रसाद आगा चलिके माफी माँग सकेले. फेरु कांग्रेस के कवनो दोसर नेता एह आरक्षण के बात करी. एह सब में चुनाव पूरा हो जाई आ फेर कवनो कार्यवाही के मतलब ना रहि जाई.
  • गोवा में तीन मार्च के होखे वाला चुनाव में आजु परचा वापसी के आखिरी दिन रहुवे. अब कुल २१५उम्मीदवार मैदान में रह गइल बाड़े.
  • एनआरएचएम घोटाला एगो अउरी बलि ले लिहलसि जब लखीमपुर जिला के एगो लिपिक खुदकुशी कर लिहलसि. घर वालन के कहना बा कि उनुकर हत्या कइल गइल बा.
  • गोधरा कांड के दंगा पीड़ितन के मुआविजा ना देबे का मामिला में हाईकोर्ट सरकार पर अवमानना के नोटिस जारी कइले बिया. पूछले बिया कि कोर्ट का आदेश का बादो मुआवजा काहे ना दिहल गइल.
  • अहमदाबाद के एगो मेट्रोपोलिटन अदालत एस आई टी रिपोर्ट के प्रति देबे के जकिया जाफरी के दलील नकार दिहलसि आ कहलसि कि रपट के कॉपी तबे दिहल जाई जब एसआईटी आपन सगरी दस्तावेज दाखिल कर दी.

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार केरल का पलक्कड़ में रेल डिब्बा बनावे के कारखाना लगावे के मंजूरी दे दिहलसि. एह कारखाना में हर साल चार सौ कोच बनावल जाई.
  • केन्द्र सरकार अब एगो एक समान दूरसंचार लाइसेंस शुल्क नीति के एलान कइले बिया जवना में सगरी लाइसेंस एकीकृत होखी आ स्पैक्ट्रम अलगा से दिहल जाई.
  • केन्द्र के कहना बा कि कुडनकुलम परमाणु बिजली संयंत्र का बारे में तमिलनाडु सरकार के बनावल समिति के रपट आ गइला का बादे संयत्र चालू करावल जाई.

खेल

  • भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड आ सहारा ग्रुप के बीच के झगड़ा सलट गइल बाकि बाकिर कइसे आ कवना आधार पर से केहु नइखे बतावत.
  • मकाउ में थॉमस कप बैडमिंटन प्रतियोगिता के क्वार्टर-फाइनल में भारत मलेशिया से तीन-शून्य से हार गइल आ अब ऊ नीचे वाला जगहन खातिर खेली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up