टटका खबर, बियफे, १ मार्च २०१२

by | Mar 2, 2012 | 0 comments

बिहार

  • पटना में सीबीआई के विशेष अदालत मुख्यमंत्री रहल लालू प्रसाद आ डा॰ जगन्नाथ मिश्र समेत कई दोसर लोग का खिलाफ चारा घोटाला के एगो मामिला में आरोप तय कर दिहलसि. लालू कहलन कि उनुका के सत्ता से बेदखल करे खातिर उनुकर विरोधी झूठ मुकदमा में फँसा दिहले. डा॰ जगन्नाथ मिश्रा कहले कि ऊ कवनो अधिकारी के सेवा विस्तार के अनुशंसा अपना फायदा खातिर ना बलुक जनहित खातिर कइले रहले बाकिर सीबीआई ओकर गलत अर्थ लगा लिहले बिया.
  • पूर्वी चंपारण के गोविंदगंज से विधायक रह चुकल कांग्रेसी नेता रामाशंकर पाण्डेय के बुध का दिने निधन हो गइल.
  • पटना जंक्शन का लगे भइल बम विस्फोट से एगो रेल चालक घवाहिल हो गइल. बम मीठापुर गुमटी का लगे शायद कूड़ा में फेंकल रहे. संजोग से बम कम ताकत वाला रहुवे.

उत्तर प्रदेश

  • विधानसभा चुनाव पूरा होखते नगर निकायन के चुनाव प्रक्रिया शुरू हो जाई. १६ से २२ मार्च का बीच मतदाता सूची के पुनरीक्षण के काम होखी. एहसे पिछला चुनाव में जवना लोग के नाम सूची में ना रहल से आपन नाम जोड़वा सकेला.
  • एनआरएचएम घोटाला में सीएमओ लोग बकल शुरू कर दिहले बा. सीबीआई क शिकंजा अपना उपर कसात देख लोग सगरी हालात बयान करे लागल बा. सीबीआई के कहना बा कि ओकरा हर जिला में गड़बड़ी के सुबूत मिलत बा. एह घोटाला में तब के प्रमुख सचिव स्वास्थ्य रहल प्रदीप शुक्ला का खिलाफ दुबारा मामिला बने वाला बा.
  • बलिया जिला के रसड़ा का दू गो बूथ पर तीन मार्च के दुबारा मतदान करावल जाई. पीठासीन अधिकारी का लापरवाही से दोसरा बूथ के लोग दोसरा बूथ पर वोट दे दिहलसि.
  • सातवाँ आ आखिरी दौर के मतदान खातिर आजु साँझ प्रचार के काम बन्द हो गइल. अब तीन मार्च के एह इलाका के मतदान करावल जाई.
  • केन्द्रीय मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल के आचार संहिता लाँघे के दोषी ना पवलसि चुनाव आयोग.

देश

  • केन्द्र सरकार आजु यातायात नियमन के लाँघे वालन पर लगावल जाये वाला जुर्माना पचगुना करे के फैसला कर लिहलसि. एकरा खातिर मोटर वाहन कानून में संशोधन वाला विधेयक संसद के अगिला सत्र में राखल जाई.
  • केरल में आजु भिनसहरा में मछरी पकड़े वालन के एगो नाव एगो पोत से टकरा गइल जवना से दू गो नाविक मर गइले आ तीन गो के पता नइखे लागत. दू गो मछूआरन के बचा लिहल गइल.
  • दिल्ली पुलिस आजु आतंकवादी संगठन लश्कर-ए-तैयबा से जुड़ल एगो अउरी आतंकवादी के हजारीबाग से गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • इंदौर आ भोपाल में एगो जेल सुपरिटेंडेंट पुरूषोत्तम सोमकुंवर के मकानन पर पड़ल पुलिस छापा में पांच करोड़ से बेसी के संपति मिलल बा.
  • गोवा विधानसभा के चुनाव प्रचार आजु साँख खतम हो गइल. ओहिजो तीन तारीख के मतदान करावल जाई.

दुनिया

  • अमरीका में आइल भयंकर तूफान में करीब एक दर्जन लोग के मौत हो गइल बा आ सैकड़ो लोग घवाहिल हो गइल बा. इलिनॉइस के हैरिसबर्ग शहर के सबलेबेसी नुकसान भइल बा.
  • सीरिया खातिर संयुक्त राष्ट्र आ अरब लीग के विशेष दूत कौफी अन्नान जल्दिये दमिश्क जाये वाला बाड़न. ओहिजा ऊ सीरिया के राष्ट्रपति बशर अल असद से बातचीत कर के हिंसा रोके पर चरचा करीहें.
  • कुवैत में ५० में से ३३ गो सांसद सीरिया के जनता खातिर आपन नैतिक आ भौतिक समर्थन जतवले बाड़े.
  • ईरान में शुक का दिने चुनाव होखे वाला बा.

शिक्षा

  • बिहार विधानसभा में आजु सर्वसम्मति से प्रस्ताव पारित करा लिहल गइल. अब मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के प्रस्ताव केन्द्र के मानव संसाधन विभाग के भेज दिहल जाई. .
  • बिहार के भागलपुर, गया आ मुजफ्फरपुर मेडिकल कॉलेजन में पीजी के पढ़ाई एही सत्र से शुरू करा दिहल जाई.
  • सीबीएसई के परीक्षा आजु से शुरू हो गइल. बोर्ड के कहना बा कि विद्यार्थी चाहे बोर्ड के परीक्षा देसु चाहे स्कूल से, दसवीं का परीक्षाफल से कवनो अन्तर नइखे पड़े के आ दुनु रिजल्ट एके साथ निकालल जाई. अंकोपत्र में ना लिखल रही कि बोर्ड आधारित परीक्षा रहे कि स्कूल आधारित.
  • वरिष्ठ कांग्रेसी नेता अर्जुन विक्रम साह के अंतिम संस्कार आजु बेतिया के रामनगर में राजकीय सम्मान का साथे करा दिहल गइल. नब्बे साल का उमिर में अर्जुन विक्रम साह के निधान मंगल का देर रात में पटना में हो गइल रहे.

खेल

  • भारत के महेश भूपति आ रोहन बोपन्ना के जोड़ी दुबई ओपन टेनिस चैंपियनशिप के प्री क्वार्टर-फाइनल में पहुंच गइल बावे.
  • पटना में पहिला बेर होखत विश्व महिला कबड्डी प्रतियोगिता के शुभारंभ करत नीतीश कहलनकि एशियाई खेल में कबड्डी के मान्यता मिल चुकल बा आ जल्दिये ओलम्पिको में एकर मान्यता मिल जाई. बिहार खातिर ई गर्व के बाति बा कि पहिला विश्व महिला कबड्डी पटना में करावल जात बा. एह प्रतियोगिता में सोलह देश के टीम शामिल भइल बा. आजु पहिला मैच में भारत कोरिया के पैंतीस तेरह का अन्तर से हरा दिहलसि.

बिजनेस

  • सरकार आजु सुप्रीम कोर्ट से निहोरा कइलसि कि एक सौ बाइस गो दूरसंचार लाइसेंस रद्द करे खातिर समय सीमा बढ़ा दिहल जाव. कोर्ट दू जून ले एह लाइसेंसन के रद्द करे के कहले बिया बाकिर सरकार अउरी समय चाहत बिया. काहे कि स्पेक्ट्रम नीलामी के प्रक्रिया में कम से कम चार सौ दिन लागी.
  • केन्द्रीय मंत्रिमंडल अगिला लेखा साल खातिर न्यूट्रिएंट आधारित सबसिडी के दर तय करे वाला प्रस्तावन के मंजूरी दे दिहलसि. एह साल पोटाश आ फास्फेट खाद का सबसिडी में बीस फीसदी कटौती होखे वाला बा.
  • ओएनजीसी में सरकार के हिस्सा में से पाँच फीसदी शेयर के नीलामी से साढ़े आठे हजार करोड़ रुपिया मिल पावल जबकी सरकार बारह हजार करोड़ रुपिया बिटोरे के सपना देखले रहुवे.
  • मुंबई शेयर बाजार आजु बिकवाली का दबाव में १६९ अंक नीचे गिर गइल. सोना के दाम में आजु बड़हन कमी आइल आ सोना छह महीना के सबले निचला दाम पर आ गइल. सोना में ९२० रुपिया प्रति दस ग्राम के कमी आइल बा. हालांकि रुपिया आजु डॉलर का मुकाबले कमजोर पड़ गइल.
  • देश के निर्यात में एह जनवरी में पिछला साल के जनवरी का मुकाबले दस फीसदी के बढ़ोतरी दर्ज भइल.
  • सरकार मार्च महीना खातिर खुला बाजार आ राशन का दुकान से बिक्री खातिर १५ लाख ६० हजार टन चीनी जारी कइलसि. देश में एह साल खपत से बेसी चीनी उत्पादन होखे के उमेद बा.
  • श्रीलंका पर युद्ध अपराध के जाँच करे के अमेरिकी प्रस्ताव के बड़का बैंक विरोध कइले बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up