टटका खबर, बियफे ९ फरवरी २०१२

by | Feb 10, 2012 | 0 comments

बिहार

  • बक्सर में आये दिन होखत छेड़खानी आ बदतमीजी के घटना का खिलाफ आजु स्कूली छात्रा सब सड़क पर जाम लगा दिहली. बाद में प्रशासन के भरोसा दिअवला पर पाँच घंटा बाद जाम टूटल.
  • डुमरा का लगे सड़क दुर्घटना में कठघरवा के अजय आ भैरोगंज इलाका के मुन्ना राज के मौत हो गइल.
  • छपरा में आजु मोटर पार्ट्स के अनेके दूकानन पर छापा पड़ल आ नकली आटो पार्ट्स बेचे वाला पाँच गो दूकानदारन के गिरफ्तार कर लिहल गइल..
  • छपरा जिला के रसुलपुर थाना इलाका के मोहब्बत नाथ मठिया के जीर्णोद्धार करवला का बाद जवन शिलापट्ट लगावल गइल रहे तवना के गाँवे के कुछ लोग तूड़ दिहल जवना का बाद तनाव बन गइल बा.
  • सिवान के जीबी नगर थाना इलाका के कैथी गाँव में शव दफनावे के लेके विवाद हो गइल. जवना जमीन में दफनावल जात रहे तवना के दावेदार दफन करे से रोकत रहले. बाद में प्रशासन चहुँप के बीच बचाव कइलसि आ कहलसि कि आजु दफना लेबे दिहल जाव बाकिर आगा से कवनो सक्षम अदालत का आदेशे का बाद कवनो शव दफनावे दिहल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • राज्य में दुसरका दौर के चुनाव के प्रचार आजु बियफे साँझ से बंद हो गइल. अब मुँहे मुँही प्रचार हो सकेला. परसो एगारह तारीख के राज्य के नौ जिलन के उनसठ सीट पर चुनाव करावल जाई. ई सगरी इलाका पूर्वांचल के ह. एहमें संत कबीर नगर, महाराजगंज, गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया, आजमगढ़, मऊ, बलिया आ गाजीपुर जिला के सीट शामिल बाड़ी स. हर पारंटी आपन पूरा ताकत झोंक दिहले रही स आखिरी दिने. पहिला दौर के अन्दाज लगावत दुसरका दौर के निर्णायक मानल जा रहल बा. जवन पार्टी एह दुनु दौर में आगा बनल रहि गइल से बहुते आगा निकले के उमेद राख सकेले. एह दौर में भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही, बसपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य, विधानसभा के अध्यक्ष सुखदेव राजभर, लोकलेखा समिति के अध्यक्ष डा॰ पी के राय आ पीस पार्टी के अध्यक्ष डा॰ अयूब के किस्मत के फैसला होखे वाला बा. एह दौर में परिसीमन का बाद पुरनका बाइस गो सीट गायब हो गइला आ उनइस गो नया सीट बनला का चलते सगरी अनुमान घचपचा गइल बा. एह दौर में गाजीपुर के सैयदपुर सीट पर सोलह गो बेसी उम्मीदवार होखला का चलते हर बूथ पर दू गो इवीएम लगावल जाई.
  • केन्द्रीय मंत्री आ यूपी में कांग्रेस के चुनाव अभियान समिति के अध्यक्ष श्रीप्रकाश जायसवाल के कहना बा कि मुख्यमंत्री केहु बनी चलइहें राहुले गाँधी. दावा कइलन कि राज्य में कांग्रेस के सरकार बने जात बा.

देश

  • पाकिस्तान के आतंकवादियन से जुड़ल संगठन सिमी, स्टूडेन्ट्स इस्लामिक मूवमेंट आफ इण्डिया, पर लगावल प्रतिबन्ध भारत सरकार दू साल खातिर अउरी बढ़ा दिहलसि. एकर फैसला प्रधानमंत्री का अध्यक्षता में भइल सुरक्षा मामिला के मंत्रिमण्डलीय समिति का बइठक में लिहल गइल.
  • अल्पसंख्यकन खातिर आरक्षण के कोटा बढ़ावे के एलान कइला खातिर केन्द्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद के चुनाव आयोग निंदा कइलसि. आ चेतवलसि कि आइन्दा फेर अइसन हरकत मत करीहें.
  • गुजरात दंगा में नरेन्द्र मोदी के भूमिका के जाँच करे खातिर सुप्रीम कोर्ट का तरफ से नियुक्त स्पेशल टास्क फोर्स आपन रपट सीलबंद लिफाफा में सुप्रीम कोर्ट के सँउप दिहले बिया. एह रपट के शिकायत करे वाली जकिया, तिस्ता सीतलवाद आ जनसंघर्ष मंच के वकीलन का मौजूदगी में तेरह तारीख के खोलल जाई. बाकिर मीडिया में कुछ खबर लीक होखे के दावा करत कहात बा कि एसआईटी शायद नरेन्द्र मोदी के क्लीन चिट दे दिहले बिया.
  • भाजपा अब आपन इन्टरनेट टीवी के चैनल शूरू कर दिहले बिया. एह चैनल के इन्टरनेटे पर देखल जा सकी. एह चैनल पर पार्टी के नीति आ विचारधारा के प्रचार का साथे साथ मनोरंजनो के कार्यक्रम प्रसारित होखल करी. कमी बस एके बाति के बा कि एह चैनल के देखे खातिर कम से कम २०० केबीपीएस स्पीड के इन्टरनेट कनेक्शन होखे के चाहीं. चैनल के पता ह – http://yuva4india.org एह चैनल पर अबही साँझ पाँच बजे से सात बजे तक दू घंटा के कार्यक्रम देखावल जात बा.
  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी आजु फेर कहलन कि अगिला प्रधानमंत्री पद खातिर भाजपा का तरफ से उम्मीदवारी में नरेन्द्रो मोदी के नाम शामिल बा. विशेष जाँच दल के रपट में अगर उनुका क्लीन चिट मिल जात बा त भाजपा के कहना सही साबित हो जाई के मोदी के अनेरे बदनाम कइल जात बा.
  • ओड़ीशा के आबकारी मंत्री ए. यू. सिंहदेव हाल के जहरीली शराब त्रासदी के नैतिक जिम्मेदारी लेत आजु इस्तीफा दे दिहले. उनुका पर इस्तीफा देबे खातिर भाजपा आ कांग्रेस के बहुते दबाव रहुवे. एह त्रासदी में अबले तैंतीस लोग मर चुकल बा.
  • कर्नाटक विधानमंडल के विपक्षी कांग्रेस आ जनता दल-एस विधायकन के प्रतिनिधि मंदल आजु राज्यपाल एच आर भारद्वाज से अलगे-अलग मुलाकात कइलसि आ भाजपा सरकार के बर्खास्त करे के माँग कइलसि.
  • पन्द्रह फरवरी से रेल के एसी कोचन में चले वाला हर सवारी के अपना साथे पहचान पत्र राखल जरूरी बना दिहल गइल बा. रेलवे के शिकायत मिलत रहल कि बहुते लोग दोसरा के नाम पर यात्रा करेले.

दुनिया

  • पाकिस्तान के उत्तरी वजीरिस्तान का क़बायली इलाका में आजु अमरीकी ड्रोन हमला में चार गो आतंकवादी मरा गइले जवना में पाकिस्तान में अल कायदा के मुखियो शामिल बा.
  • सीरिया में आजु फेर सेना होम्स शहर पर लगातार छठवो दिने गोलीबारी कइलसि जवना से कम से कम तीस लोग के जान चल गइल.

बिजनेस

  • केन्द्र सरकार टूजी घोटाला पर आइल सुप्रीम कोर्ट का फैसला का खिलाफ फेर से सोचेविचारे के निहोरा करे के सोचत बिया आ सलाह लेत बिया.
  • केन्द्र सरकार एह बाति के मंजूरी दे दिहलसि कि अब सार्वजनिक कंपनी निजी कंपनियन का साथे मिल के संयुक्त रक्षा उद्यम लगा पइहे. एह फैसला से विदेश से आधुनिक प्रौद्योगिकी खरीदे में सहूलियत हो जाई.
  • मुंबई शेयर बाजार में आजु १२३ अंक के बढ़ोतरी का साथ सूचकांक १७ हजार ८३१ पर बंद भइल. डॉलर का तुलना में रुपिया आजु कमजोर भइल आ सोना के दाम में चालीस रुपिया के कमी आइल. चाँदी के दाम आठ सौ रुपिया घट गइल.

खेल

  • सानिया मिर्जा पटाया ओपन टेनिस टूर्नामेंट के सिंगल्स के क्वार्टर-फाइनल में आ डबल्सो के सेमी-फाइनल में चहुँप गइली.
  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट मैच का शृंखला में शुक का दिने पर्थ में आस्ट्रेलिया आ श्रीलंका के बीच मैच होखी. आस्ट्रेलिया भारत के हरा चुकल बा जबकि श्रीलंका भारत से हार गइल रहे.
  • टीम इंडिया के कप्तान रहल आ ओपनर सुनील गावस्कर के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद आई.सी.सी. के हाल आफ फेम में शामिल कर लिहल गइल. आजु उनुका के हॉल आफ फेम कैप कपिलदेव का हाथे दिहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up