टटका खबर, बुध, २८ मार्च २०१२

by | Mar 28, 2012 | 0 comments

शिक्षा

  • राष्ट्रीय रक्षा अकादमी आ नौसेना अकादमी के साल २०१२ के परीक्षा अप्रेल १५ तारीख के होखी.
  • उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के सचिव वासुदेव यादव के अब निदेशको बना दिहल गइल बा. सरकार एकर आदेश आजु जारी कर दिहलसि. अबहीं होखत इम्तिहानन का बाद हो सकेला कि उनुका के सचिव पद से मुक्त कर दिहल जाव आ ओह पद पर कवनो अधिकारी राख दिहल जाव.

उत्तर प्रदेश

  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु अपना संपति के सार्वजनिक घोषणा कर दिहलें. पहिला बेर यूपी के कवनो मुख्यमंत्री अपना संपति के जगजाहिर कइले बा. एह जानकारी में बतावल गइल बा कि उनुका लगे चार करोड़ तिरासी लाख से अधिका के संपति बावे. एह में पिछला तीन साल में उनुकर संपति घटल लउकत बा. बाकिर ई संपति के स्रोत का रहुवे से नइखे बतावल गइल.
  • गोण्डा जिला के फैजाबाद राजमार्ग पर आजु एगो सड़क दुर्घटना में चार लोग मौके पर मर गइल आ दू लोग के अस्पताल ले जाए का रास्ता में मौत हो गइल.
  • गाँव के विकास खातिर राज्य में लोहिया ग्राम योजना फेर शुरू कर दिहल गइल बा. बीच में मायावती सरकार में ई काम रूक गइल रहुवे.
  • काल्हु मंगल का दिने राज्य के साठ जिला के पुलिस प्रमुखन के तबादला कर दिहल गइल. एह तबादला में एक सौ सोलह गो पुलिस अधिकारी एने से ओने भेजल गइल बाड़े. पिछला कई दिन से सरकार अलग अलग विभाग में अपना हिसाब से अधिकारियन के तैनाती करे में लागल बिया.
  • लखनऊ में एगो डेयरी प्लांट लगावे के फैसला भइल बा जहाँ पाँच लाख लीटर दूध के प्रोसेसिंग होखल करी. सरकार इहो फैसला कइले बिया कि डेयरी के लघु उद्योग के दरजा दे दिहल जाई.
  • शिया सेंट्रल वक्फ बोर्ड कब्र में लाश दफनावे घरी मोट रकम बतौर शुल्क लिहला पर रोक लगा दिहलसि. अबहीं एक एक लाख रुपिया तकले लिहल जात बावे दफन करे से पहिले. वक्फ बोर्ड कहले बिया कि अब बस माटी आ कोयला के खरच लिहल जा सकी.

बिहार

  • भाकपा के इकइसवाँ महाधिवेशन आजु पटना में शुरू भइल जवना में कहल गइल कि क्षेत्रीय दल कांग्रेस आ भाजपा से अलगा रहिके काम करसु वाम दल ओह लोग के समर्थन दे पइहें. कहल गइल कि बिहार में अपहरण लूटपाट आ हत्या के घटना लगातार होखत बा आ सरकार झूठहू विकास के डंका पीटत बिया. महाधिवेशन का पहिला दिने आजु एगो रैली निकालल गइल.
  • राज्य में आजु भिनुसहरा में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल जवना के केन्द्र बिंदू नेपाल के काठमाण्डू में जमीन से चालीस किलोमीटर नीचे बतावल गइल बा. एह भूकंप से जान माल के कवनो नुकसान होखला के खबर नइखे. भोर सवा पाँच बजे का आसपास भागलपुर, किशनगंज, सहरसा, अररिया, खगड़िया, मधेपुरा, मुंगेर, समस्तीपुर आ बाँका में झटका महसूसला के खबर बा.
  • अररिया के अपर जिला आ सत्र न्यायाधीश का आवास पर तैनात होमगार्ड के जवान सुरेश पासवान का मौत का मामिला में सत्र न्यायाधीश आ उनुका परिवार पर हत्या के मुकदमा दर्ज होखे का खिलाफ आजु अररिया के वकील हड़ताल पर रहले.
  • गर्मी के छूट्टियन का दौरान भारी भीड़ देखत दिल्ली से दरभंगा का बीच दू अप्रेल से छब्बीस जून ले समर स्पेशल हफ्ता में दू हाली चलावल जाई. पटना सहरसा राजरानी एक्सप्रेस अब सिमरी बख्तियारपुर टीसनो पर रूकल करी.
  • कई जिला में बदनाम अपराधी दीपालाल सहनी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

देश

  • १४ अप्रैल के बाबा साहेब डॉक्टर भीमराव अंबेडकर के जयंती का दिने सार्वजनिक छूट्टी के घोषणा केन्द्र सरकार कर दिहलसि.
  • रक्षा मंत्री ए. के. एंटनी कहलन कि सरकार देश के सुरक्षा बदे हमेशा तइयार बिया आ सशस्त्र बल के हमेशा सशक्त बनवले राखे के इरादा बा. आजु ऊ राज्यसभा में बयान देत रहलें.
  • कांग्रेस सगरी राजनीतिक दल आ मीडिया से निहोरा कइले बिया कि प्रधानमंत्री के लिखल थलसेनाध्यक्ष के चिट्ठी के लीक होखे जइसन मुद्दा पर कवनो टिप्पणी मत करे आ एह पर सार्वजनिक चर्चा मत करावल जाव.
  • भारतीय जनता पार्टी साफ कहले बिया कि राष्ट्रीय सुरक्षा से कवनो समझौता ना कइल जा सके. ओने सपा आ जदयू के लोग सेनाध्यक्ष के बरखास्त करे के कहले बा. एह दुनु दल के लोग रक्षा मंत्री रहल बा.
  • केन्द्र सरकार आखिरकार पंजाब के मुख्यमंत्री रहल बेअंत सिंह के हत्यारा बलवंत सिंह रज्जोआणा के फाँसी टार दिहलसि. कहलसि कि शिरोमणी गुरूद्वारा प्रबंधक समिति राष्ट्रपति से दया के अरजी लगवले बिया जवना पर विचार करे खातिर एह फाँसी पर रोक लगावल जात बा. एह फाँसी के विरोध में आजु पंजाब में बंद रहल जवना चलते जनजीवन पर असर पड़ल.
  • कश्मीर घाटी के कुपवाड़ा में सेना आ पुलिस के संयुक्त अभियान में पांच गो आतंकवादी मारल गइले. ई लश्कर-ए-तयैबा के आतंकवादी रहले.
  • दिल्ली पुलिस इंडियन मुजाहिद्दीन के एगो संदिग्ध आतंकवादी के विस्फोटक आ डिटोनेटर का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा के एह संगठन के सरगना यासिन भटकल के सहयोगी बतावल जात बा.

दुनिया

  • रूस के राष्ट्रपति दिमित्री मेदवेदेव के जवाहरलाल नेहरू विश्वविदयालय आजु डाक्टरेट क मानद उपाधि दिहलसि.
  • यूरोपीय संघ उत्तर कोरिया से आपन रॉकेट परीक्षण योजना छोड़े के कहले बा.
  • लीबिया के शहर सबाह में भइल झड़पन में नाहियो त पचास लोग के जान जाये के खबर बा.

खेल

  • भारत के महेश भूपति आ रोहन बोपन्ना के जोड़ी फ्‌लोरिडा में मयामी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के पुरूष डबल्स के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा.
  • बीसीसीआई आजु क्रिकेट खिलाड़ी राहुल द्रविड़ के सम्मान में एगो समारोह आयोजित कइलसि जवना में सगरी सीनियर खिलाड़ी मौजूद रहलें बाकिर सचिन तेंदुलकर एह में ना अइलन. बतावल जात बा कि ऊ विदेश चल गइल बाड़े. अपना धन्यवाद भाषण में द्रविड़ो तेंदुलकर के नाम ना लिहले.
  • कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी के नेतृत्व में भारतीय क्रिकेट टीम बीसबीसा मैच खेले खातिर आजु दक्खिन अफ्रीका रवाना हो गइल.

बिजनेस

  • नई दिल्ली में काल्हु ब्रिक्स के शिखर सम्मेलन में ब्राजील, रूस, भारत, चीन आ दक्खिन अफ्रीका के नेता साझा चुनौतियन से निपटे खातिर संयुक्त उपाय पर चरचा करीहें. एह सम्मेलन में कुछ समझौतन पर दस्तखतो होखे के उमेद बा.
  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी कहलन कि बिना ब्रांड वाला गहना पर से उत्पाद शुल्क वापिस लेबे पर विचार कइल जाई. एह मुद्दा पर देश भर के सर्राफा व्यवसायी हड़ताल पर बाड़े.
  • मुंबई शेयर बाजार में आजु फेर गिरावट रहल आ सेंसेक्स १३६ अंक गिरके बंद भइल. रुपया आजु डालर का मुकाबले ९ पइसा अउरी कमजोर पड़ गइल.
  • वाणिज्य मंत्री आनंद शर्मा ब्रिक्स व्यापार फोरम के उद्घाटन सत्र के संबोधित कइलन.कहलन कि ब्रिक्स देशन में आपसी आर्थिक भागेदारी के अउरी व्यापक आ मजगर बनवला के जरूरत बावे.
  • चीन के वाणिज्यमंत्री चेन डेमिंग कहलन कि चीन के एह साल साढे सात फीसदी विकास दर के उमेद बावे. रूस के वित्तमंत्री एलवीरा नबीयुलीना के कहना रहल कि रूस के विकास दर चार दशमलव तीन फीसदी रही. दक्खिन अफ्रीका आपन विकास दर पांच दशमलव पांच फीसदी बतवलसि.
  • प्रवासी भारतीय अब देश में आपन निवेश बढ़ावल शुरू कर दिहले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up