टटका खबर, मंगल ७ फरवरी २०१२

by | Feb 8, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(मारीशस के प्रधानमंत्री नवीन चन्द्र रामगुलाम आ भारत के प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं संयुक्त प्रेस वार्ता में)

बिहार

  • चार लेन वाला कोसी सेतु के उद्घाटन काल्हु केन्द्रीय सड़क परिवहन मंत्री सीपी जोशी करीहें, एह सेतु के चालू हो गइला से सिमराही से सुपौल के बीच के दूरी बहुते घट जाई आ सुपौल से लोग मुजफ्फरपुर, पूर्णीया, किशनगंज, बंगाल, असम वगैरह जा पइहें.
  • बिहार सरकार के निर्देश का खिलाफ जदयू सांसद जय नारायण निषाद सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले बाड़न कि सासद निधि केन्द्र सरकार के योजना ह आ एहमें कवनो बदलाव के अधिकार राज्य सरकार के नइखे.
  • पटना जंक्शन पर मंगल से शुरू रूट रिले इंटरालाकिंग आ नन इंटरलाकिंग के काम शुरू होखला का चलते आजु से पटना जंक्शन, दानापुर आ राजेन्द्रनगर से खुले वाली बीस जोड़ी गाड़ियन के रद्द कर दिहल गइल बा. छिहत्तर जोड़ी गाड़ी दोसरा स्टेशन से चलावल जइहे सँ.
  • पटना में एगो नया विशवविद्यालय खोलल जाई जवना में मगध विश्वविद्यालय में पड़े वाला पटना आ अगल बगल के सगरी महाविद्यालन के संबद्ध कर दिहल जाई.
  • पटना हाजीपुर का बीच के महा्त्मा गाधी सेतु पर मंगल के रात भारी गाड़ियन के आवाजाही बंद रही काहे कि मरम्मत के काम करे के बा. बुध सबेरे से पुल फेर खोल दिहल जाई.
  • मनरेगा के क्रियान्वयन के मुखिया लोग के अधिकार क्षेत्र से बाहर निकाल दिहल गइल बा आ अब एकरा खातिर जिलाधिकारियन से कार्यान्वयन निकाय बनावे के कहल गइल बा.

उत्तर प्रदेश

  • पहिला दौर में काल्हु बुध का दिने यूपी के दस जिला में पचपन सीट पर मतदान करावल जाई. प्रशासन के दावा बा कि सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कर लिहल गइल बा आ कवनो मतदाता के दिक्कत ना होखे दिहल जाई. मतदाता के निजी वाहन चले पर कवनो रोक ना रही. औरत बेसी संख्या में वोट डाले लोग एह खातिर हर मरद का बाद दू गो औरत के वोट करावल जाई. जेहसे कि औह लोग के बेसी देर ले इंतजार ना करे के पड़े.
  • माघी पुर्णिमा का अवसर पर आजु लाखो लोग पवित्र नदियन में स्नान कइल. इलाहाबाद के मेला के ई आखिरी नहान रहल आ मेला अब खतम हो गइल..
  • जौनपुर जिला अदालत मछलीशहर के सांसद रहल उमाकांत यादव के फर्जी बैनामा करावे का मामिला में सात साल के जेल आ पाँच हजार रुपिया के जुर्माना लगा दिहलसि.
  • भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहले बाड़न कि अगर भाजपा हिंदुत्व के मुद्दा से अलगा भइल त ऊ आ उनुका जइसन लोग भाजपा से हट जाई.
  • उमा भारती के कहना बा कि भाजपा के विधायके तय करीहें कि उनुकर नेता के होई आ एह मामिला में पहिले से कुछ तय नइखे. कहली कि भाजपा में योग्य लोग के कमी नइखे आ ई ओकर ताकत ह जवना के मीडिया में मतभेद का तरह बतावल देखावल जाता. कहली कि पार्टी में कवनो गुटबाजी नइखे.
  • यूपी चुनाव में बिहार सरकार के दू गो सहयोगी अपने में लड़ाई लड़तारे. एह मसला पर राजद नेता अब्दुल बारी सिद्दिकी कहलन कि लागत बा गठबन्हन ढेर दिन ले ना चल पाई. ओने नीतीश कुमार आ सुशील मोदी सफाई देत कहलन कि बिहार में कवनो मतभेद नइखे बाकिर यूपी में गठबन्हन ना भइला का चलते दुनु पार्टी अलगा अलगा प्रचार करत बाड़े.

देश

  • संत गुरू रविदास के जयन्ती आजु पूरा देश में श्रद्धा से मनावल गइल.
  • अगिला दस तारीख से रेलगाड़ी के रिजर्वेशन तीन महीना का बदले चार महीना पहिले करावल जा सकी. वेटिंग लिस्ट में तीन सौ लोग हो गइला पर दू गो कोच आ सात सौ हो गइला पर पूरा एगो अतिरिक्त ट्रेन लगा दिहल जाई ओह ट्रेन का पाछा. अबहीं ई सुविधा कुछ गिनल चुनल ट्रेन में शुरू होखे वाला बा. एहसे दलालन का हरकत पर काबू मिल पाई.
  • गोवा में कांग्रेस के टिकट बँटवारा के पहिलका सूची निकलते बगावत शुरू हो गइल बा.
  • अमेठी में सोनिया के दामाद राबर्ट वाड्रा के जुलूस रोके वाला पर्यवेक्षक के गोवा तबादल कर दिहल गइल बा बाकिर एह तबादला पर उनइस फरवरी ले रोक रही, मुख्य चुनाव आयुक्त के कहना बा कि पर्यवेक्षक पवन सेन के तबादला के फैसला पहिलही लिहल जा चुकल रहे.
  • एयरलाइंस अब सीधे अपना खातिर ईंधन आयात कर सकीहें. केन्द्र सरकार एकर अनुमति देबे के फैसला कइलसि.
  • केन्द्र सरकार अब अपना खातिर अधिकार बना लिहलसि कि ऊ चाहे त पन्द्रह साल के सेवा का बाद कवनो आईएएस के रिटायर करा सकेला. बस तीन महीना के नोटिस भा तीन महीना के वेतन भत्ता देबे के पड़ी. अइसने मौका पचीस साल सेवा पूरा भइला पर भा अधिकारी के उमिर पचास साल चहुँपलो पर हो सकेला. एह अधिकार से अब सरकार अपना अधिकारियन पर अँकुशा लगावे में सफल रही आ नेता आपन बात मनवा सकीहें.
  • महाराष्ट्र में २७ गो जिला परिषद आ ओकनी का नीचे के पंचायत समितियन में आजु मतदान करावल गइल.

दुनिया

  • जनता के विरोध का चलते मालदीव के राष्ट्रपति मोहम्मद नशीद इस्तीफा दे दिहले आ उपराष्ट्रपति मोहम्मद वाहिद के सत्ता सँउप दिहले बाड़े. एगो जज के गिरफ्तार करे के आदेश का चलते खिसियाइल जनता के विरोध उनुका के मजबूर कर दिहलसि. जज एगो सरकार विरोधी आदमी के रिहा करे के आदेश दिहले रहले.
  • भारत आ मॉरिशस का बीच मॉरिशस में राजीव विज्ञान केन्द्र में एगो प्लेनेटेरियम लगावे आ शिक्षा, वस्त्र, खेल वगैरह मामिला में पाँच गो समझौता पर दस्तरखत भइल बा. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ भारत यात्रा पर आइल मॉरिशस के प्रधानमंत्री नवीनचन्द्र रामगुलाम का बीच शिष्टमंडल स्तर के बातचीत का बाद ई समझौता भइली सँ.
  • सीरिया में हिंसक वारदातन में चार गो सुरक्षा बल जवानन समेत पचीस लोग मरा गइल. अबही ले सीरिया में छह हजार से अधिका लोग के जान जा चुकल बा.
  • फिलीपीन्स के मध्य प्रांत नीग्रो ओरियंटल द्वीप में आइल भूकंप में कम से कम ४४ लोग के जान जाये के खबत बा.
  • अमरीका ईरान पर अउरी कड़ा प्रतिबंध लगा दिहलसि.

बिजनेस

  • संसद के बजट सत्र बारह मार्च का दिने राष्ट्रपति के अभिभाषण से शुरू होखी. रेल बजट चौदह मार्च के आ आम बजट सोलह मार्च के पेश कइल जाई. आर्थिक सर्वे के रपट पन्द्रह मार्च के जारी होखी. बजट सत्र के पहिला दौर बीस मार्च ले चली आ फेर दुसरका दौर चौबीस मार्च से शुरू होके बाईस मई ले चलावल जाई.
  • सार्वजनिक वितरण प्रणाली में जरूरी सुधार पर चरचा करे खातिर सगरी राज्यन के खाद्य आ कृषि मंत्रियन के बइठक आठ आ नौ मार्च के दिल्ली में बोलावल गइल बा.

खेल

  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट मैच में बुध का दिने भारत आ श्रीलंका का बीच मैच होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up