टटका खबर, शनिचर, ३१ मार्च २०१२

by | Mar 31, 2012 | 0 comments

तीज तेहवार

  • चइत नवरात्रि क दौरान अष्टमी से पहिले के साँझ शुक का दिने मंदिरन में श्रद्धालुअन के ताँता लागल रहल. आजु शनिचर का दिने अष्टमी के त्योहार होखी.
  • अयोध्या में रामनवमी मेला के धूम मचल बा. आजु शनिचर से रामजन्मोत्सव के कार्यक्रम शुरू हो जाई. रामनवमी अतवार का दिने मनावल जाई. अयोध्या में लाखों भक्त पहिलही से जुटल बाड़े.
  • बलिया आ छपरा में आजुवे रामनवमी मनावल जात बा.

शिक्षा

  • केन्द्र सरकार देश के शिक्षा का नजरिया से पीछे छूटल ३७४ गो प्रखंडन में उच्च शिक्षण संस्थान खोले के फैसला कइलसि.
  • विश्वविद्यालय अनुदान आयोग देश के दस गो अउरी विश्वविद्यालयन में राजीव गांधी पीठ स्थापित करे के फैसला कइलसि.
  • हरियाणा के सगरी औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थानन में विश्वकर्मा आ माता सरस्वती के प्रतिमा स्थापित कइल जाई. एकर मकसद विद्यार्थियन के आध्यात्मिक विकास करे के बा. देखल जाव कि सेकूलर जमात एह पर कतना हो हल्ला मचावत बा.

उत्तर प्रदेश

  • श्री काशी विश्वनाथ मंदिर ट्रस्ट अब अस्पताल आ कॉलेज खोले के फैसला कइलसि.
  • जीवन बीमा निगम के मंडल प्रबंधक, दावा, भगवान सिंह के काल्हु बनारस के भेलूपुर में एगो आदमी से घूस लेत रंगे हाथ गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओह बेचारा के बाप के बीमा दावा भुगतान खातिर एक लाख रुपिया घूस मंगले रहल भगवान सिंह.
  • सर्राफा का समर्थन में पूर्वांचल के कारोबार शुक का दिने ठप्प रहल.
  • बेरोजगारी भत्ता पावे का लालच में अकेले बलिया में १४४३८८ बेरोजगार पंजीकृत हो चुकले आ रोजे लमहर लाइन लागत बा आपन नाम चढ़वावे खातिर. गैर सरकारी नौकरी करत भा अपना रोजी रोजगार में लागलो लोग बेरोजगार बन गइल बा भत्ता खातिर.
  • गरमी आइल ना कि आग लागे के घटना होखे लागल. पिछला दिने सुखपुरा में १५ गोम सहतवार में ६ गो, पुरुषोत्तम पट्टी में ११०, पचसार में ३३ गो घर आग से राख हो गइल. जरे वाला सामान में ट्रैक्टर ट्राली, कार आ मोटरसाइकिल शामिल.
  • मनियर का नवका ब्रह्म बाबा मेला में आइल छपरा के पशु व्यापारी के लाश घाटमपुर मौजा में फेंकल मिलल. अनेसा बा कि ओकरा साथे आइल लोग ओकरा के मार के फेंक दिहले.
  • जौनपुर में भइल सड़क दुर्घटना में गोविंद गुप्त आ श्वेतांशु टंडन के मौत हो गइल. बारात से लवटल घरी एह लोग के कार पलट गइल रहे.
  • शुक के दुपहरिया गोरखपुर में रामपुर सोनबरसा इंटर कॉलेज के बाबू के गोली मार दिहल गइल. संजोग से निशाना सही ना लागल आ बाबू बाच गइल. घवाहिल बाबू के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • भट्टा पारसौल में किसान आंदोलन का समय औरतन का साथे दुराचार के आरोपन के जाँच करे खातिर इलाहाबाद हाई कोर्ट चार सदस्यीय समिति बनावे के कहलसि. एह बीच सीबीसीआईडी जाँच चलत रही. कोर्ट उमेद जतवलसि कि नया सरकार बन गइला से जाँच निष्पक्ष तरीका से हो सकी.
  • साल ९३ ९४ के आयुर्वेदिक दवा खरीद घोटाला मामिला में सुप्रीम कोरथट मंत्री बलराम सिंह यादव के नोटीस जारी कइले बिया. भाजपा उनुकर इस्तीफा मँगले बिया चाहे उनुका के बर्खास्त करे के कहले बिया.
  • प्रदेश के सूचना निदेशक बादल चटर्जी के हटा दिहल गइल बा आ उनुका के प्रतीक्षा सूची में डाल दिहल गइल बा. बादल चटर्जी पर पत्रकारन के दोहन आ विज्ञापन जारी करे में गड़बड़ी करे के आरोप लागत रहल बा.

बिहार

  • पश्चिम चंपारण के बगहा शहर के कटाव से बचावे के काम आजु खिसियाइल गाँव वाले रोक दिहले. ओह लोग के कहना बा कि पहिले ओह लोग के कवनो दोसरा जगह बसावल जाव तवना का बाद हटावे के काम शुरू होखो.
  • केमूर के मोहनियां में कुसौली का लगे चार गो ट्रक में आग लगला का चलते लाखो रुपिया के सामान जर गइल.
  • रोहतास के अमरातालाब का लगे एगो ट्रेन का चपेटा में आइल ट्रैक्टर चालक के मौत हो गइल.
  • रोहतास के हरनादपुर के महादलित टोला में मीजल्स फइल गइल बा. स्वास्थ्य विभाग सफाई करवावत बा आ टीका लगवावे के सलाह दिहले बा.

देश

  • पंजाब के मुख्यमंत्री बेअंत सिंह के हत्यारा बलवंत सिंह राजौना के कवनो तरह के माफी देबे का अरजी पर कवनो आदेश देबे से सुप्रीम कोर्ट इंकार कर दिहलसि. कहलसि कि जब केन्द्र सरकार फाँसी टारिये दिहले बिया तब कवन जल्दबाजी बा.
  • दिल्ली हाई कोर्ट केन्द्र सरकार से पूछले बिया कि सेना अधिकारी जवन बयान पाँच मार्च के दिहले रहले तवन सरकारी बयान मानल जाव कि ऊ ओह अधिकारियन के निजी बयान मानल जाव. रिटायर्ड लेफ्टि. जनरल तेजिन्दर सिंह अदालत में मानहानि के याचिका लगवले बाड़न.
  • कर्नाटक विधानसभा में पॉर्न देखेवाला एगो मंत्री रहल विधायक के दोषी पावल गइल बा बाकिर दू गो दोसरा विधायकन के निर्दोष मान लिहल गइल बा. ई रपट आजु कर्नाटक विधानसभा में पेश कर दिहल गइल.
  • संसद से मिलल विशेषाधिकार हनन के चिट्ठी के जबाव अरविंद केजरीवाल पूरा हन के दिहले बाड़न. अपना जवाब में ऊ ना त कवनो अफसोस जाहिर कइले बाड़न ना गलती के माफी मँगले बाड़न. लिखले बाड़न कि जवना संसद में डेढ़ सौ से अधिका सांसद दागी बाड़न तवना के ऊ कइसे सम्मान दे सकेलें. आपन जवाब ऊ लोकसभा आ राज्यसभा सचिवालय के भेज दिहले बाड़न. देखल जाव अरविंद केजरीवाल के जवाब पर संसद कवन रुख अख्तियार करत बिया.
  • आजु भाजपा के प्रकाश जावेडकर संसद में रक्षामंत्री एंटोनी के इस्तीफा मँगलन काहे कि साल २००९ से रक्षामंत्री का जानकारी में ट्रक खरीद घोटाला बावे बाकिर ऊ कवनो कार्रवाई ना कइले.
  • लोकसभा आजु रेल बजट पारित कर दिहलसि.
  • देश के सगरी ग्राम पंचायतन के ऑप्टीकल फाइबर केबल से जोड़ ल जाई. लक्ष्य बा कि अगिला दू साल में अढ़ाई लाख पंचायतन के जोड़ दिहल जाव. हर ग्राम पंचायत में सौ मेगाबाइट प्रति सैंकेड के ब्रॉडबैंड उपलब्ध हो जाई तब.
  • चुनाव आयोग झारखंड से राज्यसभा के चुनाव रद्द कर दिहलसि. अब ओहिजा पूरा प्रक्रिया फेर से कइल जाई. शुक का दिने राँची में एगो निजी वाहन से सवा दू करोड़ रुपिया नकदी का साथे कुछ विधायकन के नाम के परची मिलल जिनका के ई रुपिया बाँटे के रहुवे. वाहन राज्यसभा के एगो निर्दलीय उम्मीदवार के भाई के हवे.
  • जमीन से जमीन पर मार करे वाली क्रूज मिसाइल ब्रह्‌मोस के शुक का दिने ओडिशा के चांदीपुर परीक्षण रेंज से सफल परीक्षण कइल गइल. एह मिसाइल के मारक दूरी २९० किलोमीटर के बा. ई तीन सौ किलो तक के परमाणु हथियार ढो सकेले. ब्रह्‌मोस के भारतीय थलसेना आ नौसेना में शामिल कइल जा चुकल बा.
  • नक्सली आ ओडिशा सरकार में अबही ले विधायक आ एगो इटालियन बन्हक के छोड़े के बारे में कवनो बातचीत नइखे हो पावत.
  • रेल विभाग गर्मी का सीजन खातिर स्पेशल ट्रेन वाली एगो खास समय सारणी-२०१२ प्रकाशित कइले बिया जवन सगरी बड़का टीसन पर पाँच रुपिया में मिलत बा.
  • सीबीआई सेना के ट्रक खरीद घोटाला में एगो केस दर्ज कर लिहलसि आ वेक्ट्रा ग्रुप चेयरमैन रवि ऋषि के पूछताछ खातिर बोलावा भेजलसि. एह ट्रक के खरीद फाइल पर दस्तखत करे खातिर सेनाध्यक्ष के घूस देबे के पेशकश भइल रहुवे.
  • ट्रक खरीद के एह मामिला के जाँच सरकार साल २००९ से करवावत बिया, ई कहना बा सरकार के.
  • पटियाला सी बी आई अदालत पंजाब के मंत्री बीबी जागीर कौर के अपने बेटी के हत्या करे के आरोप से मुक्ति दे दिहलसि बाकिर बेटी के अपहरण आ ओकर गर्भपात करवावे के दोषी ठहरवलसि. बीबि जागिर कौर के पाँच साल के जेल के सजा सुनावल गइल जवना का बाद बीबी जागिर कौर इस्तीफा दे दिहली आ उनुका के जेल भेज दिहल गइल.
  • महाराष्ट्र विधानसभा के कार्यवाही में बाधा डाले का आरोप में तेरह गो शिवसेना विधायक आ एगो भाजपा विधायक के एक साल खातिर निलंबित कर दिहल गइल. ऊ लोग भगवान गणेश के एगो मूर्ति चोरी के विरोध में सदन में प्रदर्शन करत रहे.
  • उत्तराखंड से कांग्रेसी उम्मीदवार महेंद्रसिंह माहरा राज्यसभा खातिर चुन लिहल गइले.

दुनिया

  • मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगनॉथ शुक का दिने अपना पद से इस्तीफा देबे के घोषणा कइलन. अबहीं एह बारे में बेसी जानकारी नइखे मिलल बाकिर ८२ साल के अनिरूद्ध जगनॉथ के कहना बा कि ऊ अबहियो जवान बाड़न आ देश के सेवा खातिर तइयार. कहलन कि शनिचर पद पर उनुकर आखिरी दिन होखी. अपना इस्तीफा के घोषणा ऊ एह चलते कइल बुझात बाड़न कि ऊ फेर से सक्रिय राजनीति में आवल चाहत बाड़े. जवना समारोह में ऊ आपन इस्तीफा वाला बात कहलन तवना में प्रधानमंत्री डा॰ नवीन रामगुलाम मौजूद ना रहले. पूछला पर अनिरूद्ध जगनॉथ कहलन कि उनुका नइखे मालूम कि नवीन काहे ना अइलन. उनुको के बोलहटा भेजल रहुवे बाकिर मौजूदा माहौल में उनुका आवे के उमेदो ना रहुवे.
    उनुका इस्तीफा के स्वागत करत मारीशस के सोशल डेमोक्रेट पार्टी के महासचिव मोहमद खुदाबख्श कहलन कि उनुका आशा बा कि राष्ट्रपति आपन फैसला ना बदलीहें आ साचहूं इस्तीफा दे दीहें. कहलन कि उनुकर पार्टी अनिरुद्ध जगनॉथ के मुकाबला करे के तइयार बिया आ ऊ जनता के देखाई कि सर अनिरुद्ध जगनॉथ कवन तरह के आदमी रहले.
    एमएमएम सांसद स्टीव ओबीगदु एह घोषणा पर खुशी जतवले आ कहलन कि बहुते बढ़िया बा कि राष्ट्रपति अपना पद से इस्तीफा दे के विपक्ष के नेतृत्व सम्हरीहे. उनुका एह फैसला से साबित हो गइल कि लेबर पार्टी आ सोशल डेमोक्रेट पार्टी के गठबन्हन टूट गइल बा.
  • रूस में बनल सबले बड़हन हिंदू मंदिर के तूड़े के आदेश एगो न्यायालय दे दिहले बावे.
  • पाकिस्तान के उत्तर पश्चिमी कबाइली इलाका में शुक का दिने नाहियो त ३५ गो आतंकवादी मार गिरावल गइले.
  • अमरीका के ड्रोन हमला में पाकिस्तान के उत्तरी वजीरिस्तान में चार गो तालिबान आतंकवादी मारल गइले.
  • नॉर्वे के बाल कल्याण सेवा दू गो प्रवासी बचवन के ओकनी के चाचा के सँउपे के फैसला लिहलसि.

खेल

  • भारत के लिएण्डर पेस आ चेक गणराज्य के राडिक स्टेपनेक फ्‌लोरिडा के जोड़ी मियामी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के पुरूष डबल्स के फाइनल में पहुंच गइल.
  • भारत आ दक्खिन अफ्रीका का बीच खेलल बीसबीसा मैच में पहिले खेलत दक्खिन अफ्रीका भारत के जीत खातिर २२० रन के निशाना दिहलसि. शुक का दिने होखत एह मैच में इंग्राम आ कालिस का बीच ११९ रन के शानदार साझेदारी भइल आ दुनु खिलाडी आपन पचासा लगवले. बाद में खेले उतरल भारत ७.५ ओवर में ७१ रन बनवले तले बरखा शूरू हो गइल आ ओकरा बाद के खेल ना हो पावल. तब डकवर्थ लुइस नियम के आधार पर दक्खिन अफ्रीका के ११ रन से विजयी घोषित कर दिहल गइल.
  • शुक का दिने दुबई में जारी भइल अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के रैंकिंग में भारत के टेस्ट क्रिकेट में तीसरा जगहा राखल गइल बा. इंगलैंड पहिला पर आ दक्खिन अफ्रीका दुसरका जगहा पर बावे.
  • भारत के अमित कुमार आ योगेश्वर दत्त लंदन ओलम्पिक के कुश्ती में शामिल होखे खातिर क्वालिफाई कर गइले.

बिजनेस

  • भारत आ रूस परमाणु ऊर्जा उत्पादन के क्षेत्र में सहयोग बढ़ावे के फैसला कइले. कहल गइल कि कुडनकुलम परमाणु बिजली संयंत्र में ई सहयोग जारी रही.
  • चीन के राष्ट्रपति आश्वासन दिहले कि व्यापार असंतुलन कम करे खातिर चीन के बाजार में भारतीय सामान के बढ़ावा दिहल जाई. दुनु देश फैसला कइले कि साल २०१२ के भारत-चीन मैत्री वर्ष का तरह मनावल जाव.
  • एयर इंडिया के कर्मचारियन के हड़ताल जून महीना तक के वेतन मिले के भरोसा पर टार दिहल गइल. एयर इंडिया पर छह खरब, ७० अरब रूपिया के करजा बा आ एह साल ओकरा ६९ अरब रूपिय के नुकसान भइल बा.
  • भारतीय स्टेट बैंक के सगरी शाखा आजु ३१ मार्च का दिने साँझ पाँच बजे ले खुलल रही. दू अप्रेल के बैंक बंद रही.
  • पार्टिसिपेटरी नोट भा पी नोट का जरिये शेयर बाजार में निवेश करे वालन के भारत में टैक्स ना देबे के पड़ी. एह आश्वासन का बाद आजु शेयर बाजार में ३४६ अंक के तेजी आ गइल.
  • भारत आ ब्राजील आपसी सामरिक भागीदारी अउरी मजबूत करे आ व्यापार, शिक्षा, रक्षा, अंतरिक्ष अउर परमाणु ऊर्जा का क्षेत्र में अपना पूरा बेंवत के इस्तेमाल करे पर सहमति जतवले.
  • डालर के मुकाबले रुपिया आजु ५३ पइसा मजबूत हो गइल.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up