टटका खबर, शनिचर, ३ मार्च २०१२

by | Mar 4, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • सतवाँ आ आखिरी दौर के मतदान आजु शांति से पूरा हो गइल. आयोग, जनता आ प्रशासन बधाई के पात्र बाड़न जिनका चलते राज्य चुनाव के सातो दौर बहुते बढ़िया से गुजर गइल. ना त कहीं कवनो हिंसा भइल, ना गड़बड़ी आ मतदान फीसदी बहुते बढ़ गइल. आजुओ का दौर में साठ फीसदी वोट पड़े के खबर बा. बसपा विधायक रामप्रसाद जायसवालो के सीबीआई एही मामिला में गिरफ्तार कइलसि.
  • चुनाव खतम होखते सीबीआई बाबू सिंह कुशवाहा के एनआरएचएम घोटाला में गिरफ्तार कर लिहलसि. बाबू सिंह कुशवाहा के कहना बा कि सगरी फैसला कमिटी कइले रहुवे जवना के अध्यक्ष मायावती रहली आ ऊ उपाध्यक्ष रहलन. बाबु सिंह कुशवाहा के दिल्ली मुख्यालय पर गवाही खातिर बोलावल रहे आ पूछताछ का बाद उनुका के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • एक्जिट पोल के अनुमान में राज्य में सपा के बढ़त देखावल गइल बा. सपा के सरकार बनला पर के मुख्यमंत्री बनी एह बाति पर पार्टी का भीतर मंथन शूरू हो गइल बा. कुछ लोग अखिलेश के त कुछ लोग मुलायम के मुख्यमंत्री बने के बाति कहत बा.
  • कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह कहले बाड़न कि राज्य में कांग्रेस के हार खातिर ऊ खुद आ उम्मीदवार जिम्मेदार मानल जाये के चाहीं. ई ना कहलन कि जीतला पर राहुल के जिम्मेदार मानल जाई.
  • चुनाव बीतते चुनाव आयोग राज्य भर के हाथियन के मूर्ति पर से परदा हटावे के आदेश दे दिहलसि.
  • केन्द्रीय मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा चुनाव आयोग से फेर माफी माँग लिहलन जवना का बाद आयोग उनुका पर आचार संहिता लाँघे के मामिला के खतम कर दिहलसि.

बिहार

  • मूख्यमंत्री नीतीश एह बात के मान लिहलन कि बीपीएल सूची में वइसन परिवारन के शामिल कर लिहल बा जे हकदार नइखे जबकि असली हकदार अबहियो तिकवत बाड़े. कहलन कि अब वीडियोग्राफी से सुची बनावल जाई आ गड़बड़ी मिलला पर संबंधित अधिकारियन के दोषी मानल जाई.

देश

  • राज्यसभा के अठावन सीट के चुनाव तीस मार्च के करावल जाई. अधिसूचना बारह मार्च के जारी होखी.
  • कृपाशंकर अपना बेटा के करतूत खातिर मीडिया से माफी मँगलन. उनुकर बेटा मीडिया पर अश्लील इशारा कइले रहुवे.
  • आंध्र प्रदेश विधानसभा के सोलह गो कांग्रेसी विधायकन के विधानसभा अध्यक्ष एन मनोहर विधायकी से अयोग्य ठहरा दिहलन. ई लोग कांग्रेस का खिलाफ वोट दिहले रहुवे आ जगनमोहन रेड्डी के समर्थक हउवे.
  • कश्मीर मुद्दा दस साल खातिर लटका देबे पर भारत-पाकिस्तान के बीच बनत सहमति से सहमत लउकत आल पार्टी हुर्रियत कांफ्रेंस के उदारवादी खेमा में दरार लउके लागल बा. एह चलते मीरवाइज मौलवी उमर फारूक पाकिस्तान जाये वाला हुर्रियत प्रतिनिधिमंडल के फाइनल ना कर पवले.
  • गोवा विधानसभा के चुनाव में आजु ८१ फीसदी मतदान भइल जबकि पिछला बेर एहिजा सत्तर फीसदी मतदान भइल रहे.
  • दिल्ली के एगो अदालत आतंकवादियन के धन उपलब्ध करावे का मामिला में हर्रियत नेता सैयद अली शाह गिलानी के सहयोगी आ तीन गो अउरी गिरफ्तार लोग का खिलाफ आरोप तय कर दिहलसि. एह लोग पर सोलह अप्रेल से मुकदमा चलावल जाई.
  • लेटिनेंट जनरल बिक्रम सिंह भारत के नयका सेनाध्यक्ष बनीहे आ ३१ मई के सेवानिवृत्त होखे वाला सेनाध्यक्ष जनरल वी. के. सिंह के जगहा लीहें.

दुनिया

  • रूस के होखे वाला राष्ट्रपति चुनाव में पुतिन के जीते के अनुमान ओपिनियन पोल में लगावल गइल बा. जबकि देश में उनुका खिलाफ बहुते बड़हन प्रदर्शन भइल बा.
  • सीरिया के सेना फेर अपना शहर होम्स पर बमबारी कइलसि. होम्स पर विरोधियन के बढ़त बा आ दुनिया भर के दबाव के अनदेखी करत सीरिया सरकार अपने जनता के आवाज कचारे में लागल बिया.
  • अमेरिका के एरिजोना में एगो नाइट क्लब में शुक का रात भइल गोलीबारी में तेरह लोग के गोली लागल बा.
  • तूफान से अमेरिका में सताईस लोग के जान चल गइल बा.

शिक्षा

  • इलाहाबाद हाईकोर्ट आजु इलेक्ट्रोहोमियोपैथी का खिलाफ फैसला दिहलसि आ कहलसि कि ई औषधि पद्धति मान्य नइखे आ एकरा से रोगियन के इलाज करे के अनुमति ना दिहल जा सके. कोर्ट इहो चेतवलसि कि एह बारे में अउरी निहोरा मत लगावल जाव.
  • अपना वामपंथी रूझान खातिर जानल जाये वाला जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव में चारो पद आ अधिकतर कौंसिलर के पद पर आइसा कब्जा कर लिहलसि. ई चुनाव कई साल का बाद करावल गइल.

खेल

  • महेश भूपति आ रोहन बोपन्ना के जोड़ी दुबई ओपन टेनिस चैम्पियनशिप के डबल्स खिताब जीत लिहलसि. पहिला बेर ई जोड़ी कवनो एटीपी टूर्नामेंट के फाइनल में चहुँपल रहे.
  • ब्रिस्बेन में अतवार का दिने तिकोनिया एकदिना क्रिकेट के बैस्ट ऑफ थ्री के पहिला फाइनल में ऑस्ट्रेलिया आ श्रीलंका के मैच होखी. पिछला तीन गो मैचन में श्रीलंका ऑस्ट्रेलिया के हरवले बा.
  • पटना में होखत पहिला महिला विश्व कबड्डी में इंडोनेशिया के हरा के भारत आ बांगलादेश के हरा के जापान सेमीफाइनल में चहुँप गइल.
  • जौनपुर में भइल अखिल भारत विश्वविद्यालय महिला हॉकी प्रतियोगिता पूर्वांचल विश्वविद्यालय ग्वालियर के जीवाजी विश्वविद्यालय के हरा के जीत लिहलसि. पूर्वांचल चार गो गोल मरलसि जबकि जीवाजी एको गोल ना कर पवलसि.

बिजनेस

  • सरकार नकदी संकट में अझूराइल निजी विमानन कंपनियन के कवनो सहायता देबे से फेर इंकार कर दिहलसि. कहलसि कि ऊ बैंकनो से ना कही कि किंगफिशर के करजा दिहल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up