टटका खबर, शुक, २४ फरवरी २०१२

by | Feb 24, 2012 | 0 comments

बिहार

  • आजु विधानसभा में साल बारह तेरह के बजट पेश कइले उपमुख्य आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी. बजट में अठाईस सौ करोड़ के योजना खर्च के प्रस्ताव बा.
  • कंकड़बाग में सड़क बनावे का दौरान बिजली के करंट से मरे वाला दु गो लड़िकन के परिवार के डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया मुआवजा दिहल जाई.
  • पश्चिम चंपारण में कुछ साल पहिले पंजाब के एगो इंजीनियर के अपहरण आ हत्या का मामिला में अदालत दू जने के फाँसी आ पाँच जने के उमिर कैद के सजा सुनवलसि.
  • पटना हाई कोर्ट आदेश सुनवलसि कि आंगनबाड़ी सहायिका सरकारी कर्मचारी ना हई एहसे ओह लोग के सरकारी कर्मचारियन के तरह सुविधा ना दिहल जा सके.
  • हज करे जाये वाला लोग के आजु से आवेदन पत्र दिहल जाए लागल बा. एकरा खातिर कवनो शुल्क नइखे लिहल जात.
  • केन्द्र सरकार बिहार में नक्सली गतिविधियन से निपटे खातिर ८५ गो थाना खोले के मंजूरी दिहले बा. बिहार पहिलका राज्य ह जवना में अतना थाना खोले के मंजूरी मिलल बा. एकरा खातिर धन के आंवटनो कर दिहल गइल बा. बिहार में पहिले से ३७४ गो थाना बाड़ी सँ.

उत्तर प्रदेश

  • पाँचवा दौर के मतदान काल्हु शांति से हो गइल. एह दौर में उनसठ फीसदी मतदान के खबर बा. अधिका मतदान के सगरी पार्टी आपन वोट बतावत बाड़े
  • यूपी के एनआरएचएम घोटाला मामिला में आजु सीबीआई बाइस गो जिला में छापा मरलसि. नया आरोप पत्र में बहुते डाक्टरन आ दवा सप्लायरन के नाम शामिल कइल गइल बा.

देश

  • पहिला बेर सांसद चुनाइल आ गृहमंत्रालय से जुड़ल संसदीय समिति के सदस्य भाजपा सांसद नाटूभाई गोमनभाई पटेल के परिसर पर सीबीआई छापा मरलसि. उनुका पर मालूम आमदनी से बेसी के संपत्ति बिटोरे के आरोप बा.
  • येदियुरप्पा के धमकी नकारत भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहलन कि उनुका के मुख्यमंत्री ना बनावल जाई. हँ पार्टी में कवनो पद दिहल जा सकेला.
  • सुप्रीम कोर्ट गुजरात सरकार से पूछलसि कि साल २००२ से २००६ का बीच भइल पुलिस मुठभेड़न में मराइल २२ लोग के मौत के जाँच करे वाली समिति के नया अध्यक्ष बनावे से पहिले कोर्ट से काहे ना पूछल गइल.जबकि ओकरे आदेश पर समिति बनावल गइल रहे.
  • इटली के जब्त जहाज एनरिका लेक्सी के बैलिस्टिक जांच खातिर कोच्चि बंदरगाह का जेटी में ले आवल गइल बा. जहाज पर हथियार के तलाशी का दौरान इटली सरकार के प्रतिनिधि मौजूद रह सकेले.
  • मध्यप्रदेश के भिंड जिला में आजु दुपहरिया भारतीय वायुसेना के एगो मिराज – २००० लड़ाकू विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. दुनु पायलट सुरक्षित निकल गइले.
  • जम्मू-कश्मीर के बांदीपुरा आ गांदरबल में बर्फ के चट्टान घसकला से मरे वालन के गिनिती बीस पार हो गइल बा. दू गो सैनिक चौकी के नुकसान भइल बा. शहीद होखे वालन में बीस गो सैनिक आ पाँच हो जूनियर कमीशन अधिकारी रहले.
  • अल्पसंख्यक आरक्षण पर केन्द्रीय मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा का खिलाफ चुनाव आयोग अब २७ फरवरी के सुनवाई करी.

दुनिया

  • भारत आ बांग्लादेश का बीच गृह मंत्री स्तर के दूसरका दौर के बातचीत आजु दिल्ली में होखी.
  • पाकिस्तान में एगो थाना पर बम से हमला होखला का चलते नाहियो त तीन गो तीन पुलिस अधिकारी मारल गइले आ सात गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइले.
  • भारत के कहना बा कि सोमालिया में अइसन माहौल बने कि ओहिजा के लोग अपना भाग्य के फैसला खुदे कर सकसु. भारत चाहत बा कि ओहिजा स्थिरता आवे.
  • ६० गो देश आ अंतर्राष्ट्रीय एजेंसियों के समूह आज ट्यूनिस में बइठक करत बावे जवना में सीरिया सरकार से विरोधियों पर कार्रवाई तुरते रोके के कहल जाई.
  • ऑस्ट्रेलिया के विदेश मंत्री रहल केविन रड्ड कहले बाड़न कि ऊ लेबर पार्टी के नेतृत्व खातिर सोमार के होखे वाला मतदान में प्रधानमंत्री जूलिया गिलार्ड के चुनौती दीहें. रड्ड बुध का दिने विदेश मंत्री पद से अचके में इस्तीफा दे दिहले रहले.

शिक्षा

  • बिहार में होखत मैट्रिक परीक्षा में काल्हुओ सैकड़ो लोग के कदाचार का मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गंइल. सिवान आ रोहतास में सात सात गो परीक्षार्थियन के निष्कासित कर दिहल गइल.
  • बिहार में अनुसूचित जाति, जनजाति आ अतिपिछड़ा वर्ग के सगरी विद्यार्थियन के वजीफा देबे के एलान कइलसि बिहार सरकार.

बिजनेस

  • एशियाई बाजारन में आजु कच्चा तेल महंगा हो गइल.
  • शेयर बाजार में आजु लगातार तिसरका दिने गिरावट के रुख रहल आ सूचकांक १५५ अंक गिर के बंद भइल.

खेल

  • दुबई ओपन टेनिस चेम्पियनशिप के महिला डबल्स में आज भारत की सानिया मिर्जा आ रूस के एलेना वेस्नीना का मुकाबला होखे वाला बा.
  • तिकोनिया एकदिना में आजु ऑस्ट्रेलिया श्रीलंका से तीन विकेट से हार गइल. २८१ रन बनावे खातिर खेलत श्रीलंका सात विकेट का नुकसान पर २८३ रन बना लिहलसि.
  • ओलिम्पिक हाकी क्वालिफायर मैच में आजु भारत आपन आखिरी लीग मैच पौलेंड से खेली. भारत के फाइनल में चहुँपल तय बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up