टटका खबर, शुक, २६ नवम्बर

by | Nov 26, 2010 | 0 comments

नीतीश के शपथ ग्रहण समारोह
आजु उपरि बेरा पटना के गाँधी मैदान में राज्यपाल देवानंद कुंवर नीतीश कुमार के बिहार के 32वां मुख्यमंत्री का रूप में अउर भाजपा के सुशील कुमार मोदी के उपमुख्यमंत्री के रूप में पद आ गोपनीयता के शपथ दिअवलें. साथ ही साथ जदयू के 18 आ भाजपा के 10 विधायकन के मंत्री पद के शपथ दिआवल गइल. जदयू का तरफ से विजय कुमार चौधरी, बिजेंद्र प्रसाद यादव, नरेंद्र सिंह, रमई राम, हरि प्रसाद साह, भीम सिंह, रेणू कुमारी, जीतन राम मांझी, दामोदर राउत, पूर्व महाधिवक्ता पीके शाही, शाहिद अली खान, श्याम रजक, प्रवीण अमानुल्लाह, नीतीश मिश्र, अवधेश प्रसाद कुशवाहा, आ गौतम सिंह रहलें जबकि भाजपा का ओर से नंद किशोर यादव, चंद्रमोहन राय, अश्विनी कुमार चौबे, जनार्दन सिंह सिग्रीवाल, गिरीराज सिंह, सत्यनारायण आर्य, रामाधार सिंह, सुखदा पांडेय, आ सुनील कुमार उर्फ पिंटू रहलें. विभाग के बँटवारा अबहीं नइखे भइल.

नीतीश के ताजपोशी आजु
तिसरका बेर बिहार के मुख्यमंत्री बने जा रहल नीतीश कुमार आजु पटना के गाँधी मैदान में मुख्यमंत्री पद के शपथ लीहें. साथही में सुशील मोदी के उपमुख्यमंत्री के शपथ दिआवल जाई. २५ गो कैबिनेटो मंत्री बनावल जइहें जवना में १५ गो जदयू से आ १० गो भाजपा से रहीहें. एहसे पहिले राजग के संयुक्त विधायक दल का बइठक में नीतीश के नेता चुनल गइल. नीतीश विधायक लोग से कहलें कि जीत में अगरइला के जरुरत नइखे ना ही प्रतिपक्ष के मजाक उड़ावे के. जनता काम करे खातिर चुनले बिया आ काम में लाग जाये के जरुरत बा.

मुंबई हमला के दुसरका बरखी आजु
मुंबई हमला के दुसरका बरखी आजु पूरा देश में मनावल जा रहल बा. जगहे जगह कार्यक्रम करावल जा रहल बा. मुंबई में सुरक्षा बल के परेड निकालल गइल. बाकिर एह हमला के अकेला जिन्दा बाँचल अपराधी कसाब आजु ले सरकार के दामाद बनल बा. सगरी दुनिया देखलसि बाकिर हमरा देश के न्यायप्रणाली देखावा में विश्वास करेले से आजु ले कसाब के सजा ना दिआवल जा सकल. ओह पुलिस वालन के अफसोस होत होखी कि मार काहे ना दिहली जा एह आदमी के जे आजु ले जिन्दा बा. आ पता ना अगर कोर्ट से सजा मिलियो गइल त कबले ओकरा के सजा दिहल जाई. संसद पर हमला के दोषी अफजाल के सजा सुप्रीम कोर्ट तक बहाल रहल बाकिर कांग्रेस सरकार ओकरा पर आजु ले फैसला ना ले सकल. हँ ओकरा के बचावे का चुप्पा कोशिश में धीरे धीरे फाँसी के सजा पावल हर आदमी के राष्ट्रपति माफ करत जात बाड़ी.

नारायणपुर में दु आदमी के गोली मार के हत्या
पुर्वी चंपारण के राजेपुर थाना के नारायणपुर गाँव में नक्सली काल्हु दू आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहलें. मौका ए वारदात पर मिलल परचा में ओह लोग के पुलिस के मुखबिर बतावल गइल बा. एगो दोसरा घटना में ओरंगाबाद जिला के नवीनगर थाना के सुदार गाँव में थर्मल पावर परियोजना में काम करे वाला कर्मचारियन का शिविर पर हमला कर के सात गो गाड़ी आ मशीनन के नुकसान चहुँपावल गइल. मौका पर मौजूद सुरक्षा कर्मचारियन के पिटाई कइल गइल. हमलावर नक्सली गिरोह के रहलें सँ.

अयोध्या फैसला का खिलाफ इलाहाबाद हाई कोर्ट में अरजी
अयोध्या के मालिकाना विवाद में आइल फैसला का खिलाफ इलाहाबाद उच्च न्यायालय में दू गो अरजी दाखिल कइल गइल बा. अरजी डा॰ मो॰ इस्माइल फारुखी दाखिल कइले बाड़न. कहले बाड़न कि निर्मोही अखाड़ा के मुकदमा पेश करे के अधिकारे ना रहल काहे कि ओकरा मुकदमा के फैजाबाद का अदालत में खारिज कर दिहल गइल रहे. पुरनका न्यायाधीश धर्मवीर शर्मा के रिटायर हो गइला का चलते न्यायमुर्ति के के दीक्षित के उनुका जगहा पर राखल गइल बा. कोर्ट एह अरजियन पर दस दिसम्बर के सुनवाई करी.

लालू प्रसाद अब यादवनो के नेता नइखन रहि गइल
जे हारेला ओकरा पाछा राजनीति में केहू ना रहि जाव. लालू प्रसाद आ रामविलास पासवान का साथे अब इहे हो रहल बा. लालू के पार्टी के शकुनी चौधरी, जे विधानसभा के उपाध्यक्ष रहलें आ मुंगेर का तारापुर से चुनाव लड़ के हार गइलें, कहले बाड़न कि लालू के पार्टी अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे देबे के चाहीं, काहे कि अब ऊ पार्टी के के कहो यादवनो के नेता नइखन रहि गइल. दोसरा तरफ रघुवंश प्रसाद सिंह कहले बाड़न कि पार्टी के हार लोजपा से गठबन्हन का चलते भइल जेकरा के औकात से फालतू सीट दे दिहल गइल रहे. ओने काल्हु रामविलास पासवान हवाई जहाज से दिल्ली चल गइलन. एयरपोर्ट पर उनकर विदाई करे वालन के कवनो भीड़ ना रहे. पार्टी के हार से बेसी अपना दू गो भाई आ दू गो दामाद के हार से दुखी रामविलास पासवान चुपचाप जहाज में चढ़ गइलन.

संपर्क क्रान्ति पटरी से उतरल
काल्हु अधरतिया का बाद करीब सवा दू बजे रात में पटना का लगे दीदारगंज में गौहाटी नयी दिल्ली संपर्क क्रांति एक्सप्रेस, २५०१ अप, के चार गो बोगी पटरी से उतरि गइलीं सँ. संजोग बढ़िया रहे कि केहू घवाहिल नइखे भइल. बाद में चारो बोगी के छोड़ के बाकी ट्रेन के पटना जंक्शन ले आइल गइल. जहाँ तीन गो नया बोगी जोड़ के ओह लोग के आगा पठावल गइल.

भोजपुर एस पी का खिलाफ वारंट निकालल गइल.
पटना हाई कोर्ट भोजपुर के एस पी अनिल किशोर यादव का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहलसि काहे कि एगो फौजदारी मुकदमा में निचला अदालत में गवाहन के हाजिर ना करवलन. एगो आरोपी शिवरतन यादव हाई कोर्ट में जमानत याचिका दाखिल कइले बा कि ओकरा सुनवाई में गवाहन के हाजिर ना भइला का चलते ओकर मामिला के सुनवाई में देरी भइल. एह पर कोर्ट एसपी के हलफनामा दायर करे के कहले रहुवे कि बतावसु कि काहे देरी भइल. बाकिर जब एसपी ना अइलें त कोर्ट उनका खिलाफ गिरफ्तारी के जमानती वारंट जारी कर दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up