टटका खबर, सोमार, १२ मार्च २०१२

by | Mar 12, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • सपा अपना विधानपार्षद ख्वाजा हलीम, विधानपार्षद रहल रामनरेश यादव आ विधायक रहल मानिक चन्द यादव के पार्टी विरोधी काम करे का चलते पार्टी से निकाल दिहलसि. ई जानकारी पार्टी प्रवक्ता राजेन्द्र चौधरी दिहलन.
  • फतेहपुर में बेरोजगार कार्यालय में नाम दर्ज करावे चहुँपल बेकाबू भीड़ पर पुलिस के लाठी चलावे के पड़ल जवना से तेरह गो नवही घवाहिल हो गइले.
  • महाराजगंज के सिधवारी गाँव का नियरा एगो टेम्पो आ कार का टक्कर से टेम्पो पर सवार चार आदमी के मौत हो गइल.
  • आजु देर साँझ से बिजली कड़कला का साथे रह रह के बरखा होखत बा. एह बरखा से खेत में खड़ा फसलन के बड़हन नुकसान होखत बा.
  • संसद के बजट सत्र में शामिल होखे चहुँपल अखिलेश सिंह यादव साफ कइलन कि अबहीं तिसरका मोर्चा बनावे के कवनो इरादा नइखे. कहलन कि ममता के बोलावा शिष्टाचार आ परम्परा का चलते भेजल गइल बा. बतावल जात बा कि अपना सहयोगी दलन के रवैया में आवत बदलाव से परेशान कांग्रेस मुलायम से संपर्क कइलसि जवना का बाद एह तरह के बयान आइल बा. इहो कहल जात बा कि लालू प्रसाद बिचवनिया बनल बाड़न.
  • दिल्ली खातिर हवाई जहाज पकड़े निकलल अखिलेश सड़क किनारे लागल होर्डिंग बैनर देख के हरान हो गइलन. कहलन कि जतना जल्दी हो सके ई सगरी होर्डिंग बैनर हटा दिहल जाव. बहुते लोग सपा से आपन नजदीकी जतावे खातिर एह तरह के बैनर रातोरात लगवा दिहल. नाहियो त पाँच हजार ले बैनर होर्डिग अखिलेश का आदेश का बाद नोच दिहल गइल.
  • सपा के सचिव राजीव राय के बयानबाजी से परेशान पार्टी उनुका के निलंबित कर दिहलसि. राजीव के कुछ बयान पार्टी के नागवार गुजरल रहुवे जवना का बाद ई फैसला लिहल गइल बा. समाजवादी पार्टी अपना सगरी नेता लोग के चेतवले बा कि पार्टी का तरफ से मीडिया में कवनो बयान मत देव.
  • यूपी से खाली होखत दस गो राज्यसभा सीट पर चुनाव करावे के अधिसूचना आजु जारी होखी. रिटायर होखे वाला सदस्यन में कलराज मिश्र, नरेश चन्द्र अग्रवाल, गंगाचरण, जयप्रकाश, महमूद मदनी, महेन्द्र मोहन, मुनकाद, विनय कटियार, वीरपाल सिंह यादव आ प्रमोद कुरील के नाम बा. एहमें सपा के दू गो, बसपा के पाँच गो, भाजपा के दू गो आ रालोद के गो सदस्य के नाम बा. नयका विधानसभा के सदस्य संख्या का आधार पर सपा छह गो आ बसपा दू गो सीट आराम से जीत ले जाई. भाजपा का हाथे एगो सीट लागी आ दसवाँ सीट पर जोड़ तोड़ के पूरा गुंजाइश बनत बा. रालोद अबकी एको सदस्य अपना दम पर ना जीतवा पाई.
  • मेरठ आ लखनऊ का बीच रोजाना राज्यरानी एक्सप्रेस का अलावे एगो दुरन्तो गाड़ी वाराणसी अहमदाबाद का बीचे हफ्ता में दू दिन चलल करी. एकरा अलावे सुल्तानपुर से अजमेर ले जाये वाली एक्सप्रेस गाड़ी के दउड़ान अहमदाबाद ले कर दिहल गइल बा.

बिहार

  • बिहार में पाँच सौ से बेसी आबादी वाला सगरी गाँवन के तीन साल का भीतरे मेन रोड से जोड़ दिहल जाई.
  • नीतीश कुमार आजु फेर दोहरवले कि मोतिहारिये में केन्द्रीय विश्वविद्यालय के स्थापना होखी. कहलन कि मोतिहारी रेल आ सड़क मार्ग से जुड़ल बा.
  • नक्लसवाद प्रभावित औरंगाबाद के गोह इलाका के जाजापुर गाँव का नियरा काल्हु देर रात एगो सड़क बनावे वाली कंपनी का कैम्प पर हमला करि के नक्सली आठ गो मशीन आ वाहन के बरबाद कर दिहले. एहसे करीब दू करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा. नक्सली ना चाहऽ सँ कि ओकनी के प्रभाव वाला इलाका में विकास के कवनो काम होखे, सड़क बने भा स्कूल खुले. आ कुछ मतिसुन्न बुद्धिजीवी एह नक्सलियन के बढ़ावा देत रहेलन.
  • गोपालगंज में काल्हु देर रात भइल सड़क दुर्घटना में तीन लोग के जान चलि गइल आ बारह जने घवाहिल हो गइलन.
  • सिवान जिला के भावोपाली गाँव में एगो किसान के हत्या कर दिहल गइल.
  • बिहार से खाली होखे वाला राज्यसभा के छह सीट के चुनाव खातिर परचा दाखिल करे के काम आजु से शूरू हो गइल. मतदान तीस मार्च के करावल जाई.
  • पूर्वी चंपारण के घोड़ा सहन के माध्यमिक स्कूल के प्रधानाध्यापक के अठारह लाख रुपिया के गबन करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल.

देश

  • हरियाणा में जाट आरक्षण संघर्ष समिति आजु आपन आंदोलन रोक दिहलसि. सरकार के १३ सितंबर तक के समय दिहल गइल बा माँग माने खातिर.
  • कांग्रेस सांसद विजय बहुगुणा के उत्तराखंड के मुख्यमंत्री बनावे के फैसला कांग्रेस आलाकमान कर लिहलसि. पहिले कहात रहुवे कि कवनो सांसद के मुख्यमंत्री ना बनावल जाई. विजय बहुगुणा रानीति में आवे से पहिले जज रहलन आ हेमवती नंदन बहुगुणा के पुत्र आ रीता बहुगुणा जोशी के भाई हउवन.
  • हिमाचल प्रदेश में डॉ० राजीव बिंदल स्वास्थ्य मंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनुका पर बेनामी भूमि सौदा करे के आरोप लगावल जात रहे.
  • छत्तीसगढ़ में बिलासपुर जिला के पुलिस अधीक्षक राहुल शर्मा अपने पिस्तौल से गोली मार के आत्महत्या कर लिहलन. आत्महत्या के कारण पता नइखे चलल.
  • राष्ट्रपति के आजु के अभिभाषण के भाजपा दिशाहीन बतवले बिया. भाजपा प्रवक्ता प्रकाश जावड़ेकर पत्रकारन से बतियावत में आरोप लगवलन कि केंद्र सरकार राष्ट्रीय आतंकवाद निरोधक केंद्र बनाके राज्यन के अधिकार छीने में लागल बिया.
  • राष्ट्रपति के अभिभाषण का बाद पिछला अधिवेशन का बाद से दिवंगत भइल सदस्यन के श्रद्धांजलि दे के बईठक स्थगित कर दिहल गइल. डी वी सदानंद गौड़ा आ एन राजमोहन रेड्डी के लोकसभा से इस्टीफो सकार लिहल गइल. राज्यसभा से सपा के रशीद मसूद के इस्तीफा सकारल गइल.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु दावा कइलन कि सरकार का लगे पूरा बहुमत बा.
  • राज्यसभा के खाली होखे वाल ५८ सीट भरे के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा. एह लोग के सदस्यता अप्रैल में पूरा होखे वाला बा. मध्यप्रदेश से पाँच गो भाजपा सदस्य रिटायर होखीहें जबकि पार्टी तीने गो नया सदस्य जीता पाई. एगो सीट पर कांग्रेस के कब्जा होखी जबकि पाँचवा खातिर दुनु के बाजार खुलल रही.
  • छत्तीसगढ़ आ नागालैण्ड के विधानसभन के बजट सत्र आजु से शुरु हो गइल.
  • केन्द्र सरकार आजु सुप्रीमकोर्ट के बतवलसि कि भारत के प्रधान न्यायाधीश रहल के जी बालाकृष्णन पर लागल आरोपन के जाँच कइल जा रहल बा.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में भइल घोटाला के एगो मामिला में आजु दिल्ली के एगो अदालत सात जने पर आरोप तय कर दिहलसि.
  • कश्मीर घाटी में आजु एगो हलुका भूकम्प आइल जवना से जानमाल के कवनो नुकसान के खबर नइखे. एह भूकम्प के केन्द्र गुलाम काश्मीर के गिलगिट इलाका में रहुवे.

दुनिया

  • गाजा में इजरायली हवाई हमला में मरे वालन के गिनिती २३ हो गइल बा.
  • सूड़ान के दक्षिण में जातीय झड़प का ताजा घटना में सैकड़ो लोग के मरइला के अनेसा जतावल जात बा. कहल जात बा कि नाहियो त पाँच सौ लोग के जान गइल बा.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के मंत्री स्तरीय बइठक में आजु मध्यपूर्व के हालात पर, खास कर कि सीरिया आ ईरान पर, चरचा होखे वाला बा.

खेल

  • पंजाब के एथलीट बलजिंदर सिंह लंदन ओलंपिक में पैदल चाल स्पर्धा खातिर क्वालीफाई कर लिहलन. जापान में करावल गइल एशियाई २० किलोमीटर रेस वॉकिंग पैदल चाल चैम्पियनशिप में पांचवाँ जगहा पर आके उनुका लंदन ओलंपिक में शामिल होखे लायक मानल गइल. ऊ बीस किलोमीटर के दूरी एक घंटा २२ मिनट १२ सेकैंड में तय कइलन.
  • एशिया कप क्रिकेट में काल्हु ढाका में भारत आ श्रीलंका के मुकाबल होखी.
  • कैलिफोर्निया में इंडियन वेल्स में बी.एन.पी. ओपन टेनिस टूर्नामेंट में भारत के सानिया मिर्जा आ रूस के एलिना वेसनीना के जोड़ी महिला डबल्स के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल. सानिया मिर्जा सिंगल्स से बाहर हो गइल बाड़ी.
  • भारत ए.एफ.सी. चैलेंज कप फुटबॉल प्रतियोगिता में फिलिपिन्स से दू गोल से हार के टूर्नामेंट से बाहर हो गइल.

बिजनेस

  • सरकार के भरोसा बा कि देश के विकास दर फेरू बढ़ के आठ से नौ फीसदी हो सकेला. ई बाति आजु संसद सत्र के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रतिभा देवी पाटिल कहली. कहली कि सरकार एगो ईमानदार कुशल प्रशासन देबे खातिर वचनबद्ध बिया.
  • कपास के निर्यात पर लगावल रोक आजु से केन्द्र सरकार हटा लिहलसि. पिछलके हफ्ता ई रोक लगावल गइल रहे.
  • बम्बई शेयर बाजार आजु मामूली बढ़त का साथ ८४ अंक चढ़ि के बंद भइल. डॉलर के मुकाबले रूपिया १७ पइसा कमजोर भइल. कच्चा तेल के दाम में गिरावट आइल बा.

शिक्षा

  • यूपी के माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाई स्कूल आ इंटर के परीक्षा सोलह मार्च से शुरू होखे वाला बा. एकरा के ठीक से करावे खातिर बोर्ड अपना अठारह गो में से आउ गो मण्डलीय पर्यवेक्षकन के बदल दिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up