टटका खबर, सोमार, १९ मार्च २०१२

by | Mar 19, 2012 | 0 comments

शिक्षा

  • बीस मार्च से चौबीस मार्च ले राज्य में सेना भरती रैली होखे जात बा. पूरा विवरण नौकरी चाकरी पर देखीं.
  • राज्य के संस्कृत बोर्ड के मध्यमा परीक्षा अठारह अप्रेल से आ मदरसा एजुकेशन बोर्ड के फोकानिया आ मौलवी परीक्षा सताईस अप्रेल से होखी.

उत्तर प्रदेश

  • चार दिन बाद आखिरकार अखिलेश यादव अपना सहयोगियन का बीच विभागन के बँटवारा कर दिहलन. मुख्यमंत्री वित्त, गृह, औद्योगिक विकास, आवास अउर गन्ना विकास समेत पचास गो खास विभाग अपनही लगे रखले बाड़न. आजम खान के संसदीय कार्य, मुस्लिम वक्फ, नगर विकास, जल संपूर्ति, नगरीय रोजगार, गरीबी उन्मूलन, आ अल्पसंख्यक कल्याण अउर हज विभाग दिहल गइल बा. शिवपाल सिंह यादव के सिंचाई आ लोक निर्माण मंत्रालय मिलल बा. अहमद हसन के चिकित्सा एवं स्वास्थ्य, परिवार कल्याण, आ मातृशिशु कल्याण विभाग दिहल गइल बा. डा॰ वकार अहमद शा श्रम आ सेवायोजन मंत्री रहीहें. राजा महेन्द्र अरिदमन सिहं के परिवहन, आनंद सिहं के कृषि, कृषि शिक्षा आ अनुसंधान अउर धर्मार्थ कार्य दिहल गइल बा. अबिका चौधरी के राजस्व, अभाव, सहायता आ पुनर्वास मंत्री बनावल गइल बा. रघुराज प्रताप सिंह, जिनका के मायावती कुण्डा के गुण्डा कहले रही, के जेल, खाद्य आ रसद विभाग मिलल बा. बलराम यादव पंचायती राज मंत्री, अवधेश प्रसाद समाज कल्याण, अनुसूचित जाति आ जनजाति कल्याण अउर सैनिक कल्याण दिहल गइल बा. ओमप्रकाश सिंह भूमि विकास जल संसाधन आ परती मंत्री, पारसनाथ यादव लघु सिंचाई आ पशुधन मंत्री, रामगोविन्द चौधरी बाल विकास, पुष्टाहार आ बेसिक शिक्षा मंत्री, दुर्गा प्रसाद यादव स्टैम्प आ न्यायालय शुल्क, पंजीयन अउर नागरिक सुरक्षा मंत्री, ब्रह्मा शंकर त्रिपाठी होमगार्ड्स, कामेश्वर उपाध्याय खेलकूद आ युवा कल्याण, राजाराम पांडेय के खादी ग्रामोद्योग, राज किशोर सिंह के उद्यान आ शिवकुमार बेरिया के रेशम आ वस्त्रोद्योग विभाग दिहल गइल बा.
  • चार गो राज्य मंत्रियन के स्वतंत्र प्रभार दिहल गंइल बा. एहमें राजेन्द्र सिंह राणा के ग्रामीण अभियन्त्रण सेवा, अरविंद सिंह गोप के ग्राम्य विकास, भगवत शरण गंगवार के लघु उद्योग आ अरुणा कोरी के महिला कल्याण आ संस्कृति विभाग दिहल गइल बा.
  • नया सरकार बनला का बाद होखे वाला प्रशासनिक फेर बदल में अम्बरीश चन्द्र शर्मा के पुलिस महानिदेशक बनावल गइल बा आ मौजूदा पुलिस महानिदेशक के होमगार्ड्स के महानिदेशक बना दिहल बा. एकरा अलावे छब्बीस गो आईपीएसन के आ सतरह जिला के जिलाधिकारियन के तबादला कर दिहल गइल बा. तबादला के काम अबही कुछ दिन अउरी चली.
  • मुलायम सरकार में महाधिवक्ता रह चुकल सुर्य प्रकाश गुप्ता के महाधिवक्ता बनावल गइल बा.
  • यूपी से राज्यसभा चुनाव के परची भरे वाला दसो लोग चुनाव बिना लड़ले जीत जाई काहे कि दस गो सीट खातिर दसे गो परचा दाखिल भइल बा.
  • बलिया में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आपन पाँचवा सालाना समारोह कइलसि.

बिहार

  • वित्त रहित शिक्षा संयुक्त संघर्ष मोर्चा का ओर से आजु पटना में माध्यमिक विद्यालयन, इंटर महाविद्यालयन आ डिग्री महाविद्यालयन के शिक्षक कर्मचारी विरोध जुलूस निकललन.
  • रोहतास के करगहर इलाका में ढिभिया गाँव का नियरा एगो डम्फर तीन गो औरतन के कचार दिहलसि जवना से दू गो के त ओहिजे मौत हो गइल ए तिसरकी के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • बिहार सरकार साल २०१७ ले राज्य में साढ़े सतरह करोड़ ब्राडबैंड कनेक्शन देबे के निशान बनवले बिया. साल २०२० ले राज्य में साठ करोड़ ब्राडबैंड कनेक्शन हो जाई.
  • बिहार में राज्यसभा के छठवां सीट खातिर अबही ले जदयू आ भाजपा का बीच समझौता नइखे भइल. तिसरका सीट जदयू मागत बिया.
  • दिल्ली में आयोजित बिहार शताब्दी समारोह के संबोधित करत नीतीश कहलन कि बिहार के लोग कतहीं भीख माँगे ना जाव. जहाँ जाला लोग अपना मेहनत आ ईमानदारी से ओहिजा के जरूरत बन जाले आ ओहिजा के विकास में लाग जाले. सगरी दुनिया में एकर उदाहरण भरल पड़ल बा. अह मौका पर क्रिकेट खिलाड़ी रहल सबा करीम, हॉकी कोच हरेन्द्र सिंह, विदेश सचिव रहल श्याम शरण, सेबी के चेयरमैन उपेन्द्र कुमार सिन्हा, मनोज तिवारी समेत बीस जने के विशिष्ट बिहारी सम्मान से सम्मानित कइलन.

देश

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लोकसभा में बतवलन कि उनुका दिनेश त्रिवेदी के इस्तीफा मिल गइल बा आ ओकरा के राष्ट्रपति का लगे मंजूरी खातिर भेज दिहल जाई.
  • संसद के दुनु सदन में राष्ट्रपति के अभिभाषण पर धन्यवाद प्रस्ताव लोकसभा में ध्वनिमत से मंजूर कर लिहलसि. एह दौरान बसपा आ तृणमूल कांग्रेस के सांसद लोकसभा से वॉक आउट कर गइल रहलन. ई बतावत बा कि आगा चलि के बसपो सरकार पर दबाव डाल सकेले. काहे कि शायद ओकरा मंजूर ना होई कि सपा एह गठबन्हन सरकार में शामिल होखो.
  • राज्यसभा में धन्यवाद प्रस्ताव पर बहस जारी बा.
  • प्रधानमंत्री कहले बाड़न कि भारत सरकार जिनेवा में संयुक्त राष्ट्र के १९वें अधिवेशन में श्रीलंका के तमिलन का बारे में पेश होखेवाल प्रस्ताव का समर्थन में वोट दिहल चाहत बिया. ओने डीएमके पार्टी एह बाति खातिर पूरा दबाव डलले बिया. इहाँ ले कि ओकर कहना बा कि अगर भारत ओह प्रस्ताव के समर्थन ना करी त डीएमके के मंत्री इस्तीफा दे दीहें.
  • गोवा में भाजपा जे राजेन्द्र अरलेकर आजु सर्वसम्मति से विधानसभा के अध्यक्ष चुन लिहल गइले.
  • समाजवादी पार्टी के नेता राम गोपाल यादव एह बाति से इंकार कइले बाड़न कि सपा केन्द्र सरकार में शामिल होखे जात बिया. कहलन कि एकर सवाले नइखे उठत.
  • कांग्रेस राज्यसभा चुनाव खातिर पश्चिम बंगाल से अब्दुल मन्नान के उम्मीदवार बनवले बिया जब कि ओकरा लगे सात गो वोट कम बा. ओकरा उमेद बा कि वाम मोर्चा के फालतू वोट ओकरा मिल जाई आ मन्नान जीत जइहें. जबकि ओह सीट खातिर तृणमूलो के उम्मीदवार मैदान में डटल बाड़न.
  • दिनेश त्रिवेदी आखिरकार अतवार के देर साँझ रेल मंत्री के पद से इस्तीफा दे दिहलन. कहलन कि ममता बनर्जी से फोन पर बतियवला का बाद ऊ पार्टी के अनुशासित सदस्य का तरह अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन. अब उनुका एह बारे में कुछ नइखे कहे के. जवन देश हित मे जरूरी बुझाइल से कइलन आ उनुका एकर इचिको अफसोस नइखे.
  • देर रात ममतो बनर्जी दिल्ली चहुँप गइली जहवाँ आजु दुपहरिया में ऊ अपना सांसदन से भेट करीहे.
  • कर्नाटक में यदियुरप्पा फेर अपना के मुख्यमंत्री बनवावे खातिर पार्टी पर दबाव डालल शुरू कर दिहले बाड़न. उनुकर दावा बा कि सत्तर गो विधायक उनुका साथे बाड़न. ओने मुख्यमंत्री सदानन्द गौड़ा के अबहियो उमेद लागल बा कि ऊ २१ मार्च के आपन बजट पेश कर पइहें.
  • उड़ीसा में इटली से आइल दू गो पर्यटकन के नक्सली अपहृत कर लिहले बाड़न सँ. मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ओह लोके रिहा कर देबे के निहोरा कइले बाड़न. ओने नक्सली रिहा करे खातिर तेरह गो माग रखले बाड़न स.
  • पंजाब, गोवा आ सिक्किम के विधानसभन के सत्र आजु सोमार का दिने शुरू होखी.

दुनिया

  • सीरिया में राष्ट्रपति बशर अल असद के वफादार सैनिकन आ फ्री सीरियन आर्मी विद्रोहियन का बीच भीषण गोलीबारी जारी बा,
  • बंगलादेश में एगो अदालत पहिले प्रधानमंत्री रहल आ बंगलादेश नेशनलिस्ट पार्टी के अध्यक्षा खालिदा जिया के बड़का बेटा तारिक रहमान आ २९ गो दोसरा लोगन के २१ अगस्त २००४ के अवामी लीग का रैली पर भइल हमला में दोषी ठहरवले बिया.
  • शुजा पाशा के रिटायर होखला का बाद लेफ्टिनेंट जनरल जहीरुल इस्लाम पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी आई.एस.आई. के नयका महानिदेशक बन गइलन.

खेल

  • रोजर फेडरर इंडियना वेल्स टेनिस में पुरूष सिंगल्स के खिताब जीत लिहलन. साथही ऊ १९ गो मास्टर्स खिताब जीते के रैफल नडाल के रिकॉर्ड केबरोबरीओ कर लिहलन. महिला सिंगल्स में बेलारूस के विक्टोरिया अजरेंका खिताब जीतली.
  • नेपाल में होखत ए.एफ.सी चैलेंच फुटबॉल चैम्पियनशिप के फाइनल में आजु उत्तर कोरिया के मुकाबला तुर्कमेनिस्तान से होखी.
  • लोकसभा का ओर से सचिन तेंदुलकर के महाशतक के बधाई दिहल गइल.
  • काल्हु भइल एशिया कप मैच में भारत पाकिस्तान के हरा दिहलसि. विराट कोहली के विराट खेल से भारत ३३० रन के निशान समय से पहिलही पूरा लिहलसि. सचिन ते्दुलकर ५२ गो रन बनवले जबकि रोहित शर्मा ६८ रन. अब भारत के फाइनल मैच खेले के आस जिन्दा रह गइल बा.
  • साइना नेहवाल स्विस ओपन बेडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब दुसरका बेरे जीत लिहली.
  • अमेरिका में कैंसर के इलाज करा के युवराज सिंह अब भारत लवट वाला बाड़न. डाक्टर लोग कहले बा कि मई से ऊ क्रिकेट खेल सकीहें.

बिजनेस

  • वाणिज्य मंत्री आनंद शर्मा कहले बाड़न कि दुनिया के अनिश्चित आर्थिक माहौल का बावजूद भारत आर्थिक मंदी से तेजी से उबरल बा.
  • फरवरी में प्रोटीन पदार्थ आ खाद्य तेल से बने वाला सामानन के दाम बढ़ला का चलते खुदरा बाजार में महँगाई दर आठ दशमलव आठ-तीन फीसदी हो गइल.
  • मुम्बई शेयर बाजार में आजुओ गिरावट के रुख रहल आ सूचकांक १९३ अंक गिर के बंद भइल. रुपिया दस पइसा मजबूत भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up