टटका खबर, सोमार 25 दिसम्बर 2017 राति

by | Dec 25, 2017 | 0 comments

पाकिस्तान का जेल में बंद कुलभूषण से उनुकर महतारी आ मेहरारु के भेंट त करवा दिहलसि पाकिस्तान बाकिर आपन कमीनापंथी देखावे से बाज ना आइल. एह मुलाकात के मुलाकात ना कहि के वीडियो कॉन्फेरेंसिंग कहल अधिका सही रही. काहें कि एह भेंट का दौरान शीशा के देवाल रहुवे ओह लोग का बीच में आ इन्टरकॉम का सहारे बतियावल लोग. पाकिस्तान एह लोग के अपना मन से बातो ना करे दिहलसि. पहिले से तय सवाले जवाब कर पावल ई लोग. आ हमरा किहां के हाल ई बा कि हमनी के विदेशमंत्री आए दिन कवनो ना कवनो पाकिस्तानी के वीजा बाँटत रहेली.

गुजरात विधानसभा चुनाव में लगातार छठवाँ बेर जीतल भाजपा के सरकार के किरियाधराई समारोह काल्हु मंगल का दिने होखे जा रहल बा. विजय रुपाणी मुख्यमंत्री पद के आ नीतीन पटेल उप मुख्यमंत्री पद के किरिया लीहें. एह खुशगवार मौका प भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह, प्रदेश अध्यक्ष जीतू वघानी का साथही बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुनार आ उप मुख्यमंत्री सुशील मोदी मौजूद रहीहें.

सिख समुदाय के दसवाँ गुरु गोविन्द सिंह जी के 351वाँ जन्मोत्सव मनावल जा रहल बा. पटना सिटी के तख्त श्रीहरिमंदिर जी में आजु शुकराना समारोह मनावल गइल. एहीजे गुरु गोविन्द सिंह जी के जनम भइल रहुवे. आजु अधरतिया में मुख्य जन्मोत्सव मनावल जाई. एह समारोह में शामिल होखे ला दुनिया भर से सिख श्रद्धालु पटना साहिब मे जुटल बाड़ें.

आजु पंडित मदनमोहन मालवीय जी के जनमदिन प संसद में आयोजिल कार्यक्रम में कवनो मंत्री के शामिल ना भइला प सुब्रह्मणियम स्वामी आपन नाराजगी ट्वीट क के जतवलें कहलन कि बहुते दुख के बाति बा कि एह मौका प जुटे के समय ना मिल सकल कवनो मंत्री के.

जेल में अपना सजा के इन्तजार करत चारा चोर का नाम से मशहुर लालू प्रसाद के ट्वीटर अकाउन्ट अब उनुका परिवार के लोग सम्हारी आ उहे लोग राजद समर्थकन के एकजुट बनवले राखे के कोशिश करी. अनेसा जतावल जा रहल बा कि लालू के जेल गइला का बाद उनुका गोल के लोग छितरा सकेला. आजु लालू से भेंट करे ला उनुका समर्थकन के भीड़ रांची के बिरसा मुंडा केंद्रीय कारा प मँडरात रहि गइल बाकिर जेल प्रशासन भेंट करे के इजाजत ना दिहलसि काहें कि ई काम जेल मैनुअल का खिलाफ होखीत.

नोएडा का बारे में कहल जाला कि जेही मुख्यमंत्री एहिजा के दौरा कइल ओकर कुरसी छिना गइल आ एही चलते बरीसन से कवनो मुख्यमंत्री नोएडा आवे के हिम्मत ना कइलन. अब योगी आदित्यनाथ एह बाति के झूठ करे ला दू बेर नोएडा के दौरा क चुकलन. उनुका एह काम के बड़ाई आजु अपना भाषण में पीएम मोदी कइलन आ कहलन कि एह अंधविश्वास के तोड़े के कोशिश क के योगी बढ़िया काम कइले बाड़न.
Upload Music Files – Podcast Hosting –

अब कुछ छुटपुट खबर भोजपुरी पट्टी से –

देवरिया में कड़ाका के पाला पड़त देख ओहिजा के स्कूलन के 27 लारीख ले बंद करे के आदेश जारी हो गइल बा.

जौनपुर के सिंगरामऊ इलाका के जमउपट्टी गांव में एगो बेकाबू ट्रैक्टर सड़क किनारे का मकान में घुस गइल आ एह हादसा में बरामदा में बइठल एगो आदमी के दबा के मौत हो गइल.

सारण जिला के भेलदी इलाका से एगो गाँजा तस्कर के पुलिस दस किलो गांजा का साथे गिरफ्तार कइले बिया.

गाजीपुर कोतवाली इलाका में एगो सड़क हादसा में एक आदमी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. मोटर साइकिल चलावत नवही अपना मोबाइल से बतियातो रहुवे जब ई हादसा हो गइल. मोटर साइकिल प पीछे बइठ के जात ओकरा बाप के एह हादसा में जान चलि गइल.

इलाहाबाद उच्च न्यायालय बार एसोसिएशन के अध्यक्ष पद पर इन्द्र कुमार चतुर्वेदी आ महासचिव पद प एसी तिवारी चुनाइल बाड़ें.

गोरखपुर के बेलीपार इलाका के भरवल गाँव के नवहिन लइकी अपना घर का लोग से कहासुनी का बाद फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

आजु के टटका खबर के एहिजे समापन करत बानी. नमस्कार, शुभरात्रि. प्रणाम.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up