देश दुनिया के खबर, अतवार 21 अगस्त का दिने

by | Aug 21, 2011 | 0 comments

देश

  • सुरक्षा बल ना मिलला का चलते सिंधिया काल में बनावल ग्वालियर के गोपाल मंदिर में राधा-कृष्ण को एह साल गहना ना पहिरावल जाई !
  • कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव वी.के. हरिप्रसाद कहले कि अन्ना हजारे अपना अनशन का जरिए बेरोजगारन के ‘रोजगार’ दे दिहले बाड़न.
  • अन्ना हजारे के अनशन में जइसे-जइसे एक-एक दिन जुड़त जा रहल बा, वइसे-वइसे उनुका समर्थन में आवे वालन के तादादो बढ़ल जात बा.
  • दारुल उलूम अन्ना हजारे के आंदोलन के हिमायती नइखे काहे कि ओकर कवनो राजनीतिक दल भा आंदोलन से सरोकार नइखे : अबुल कासिम
  • दिल्ली के महापौर रजनी अब्बी अतवार का दिने रामलीला मैदान के दौरा कइली जहाँ अन्ना हजारे पिछला छह दिन से अनशन पर बाड़े आ रोज उनुकर लाखो समर्थक जुटत बाड़े.
  • मध्य प्रदेश के जबलपुर में निकलल धार्मिक जुलूस पर पथराव का बाद हालात काबू करे खातिर आंसू गैस के गोला छोड़ल गइल आ बल प्रयोग करे पड़ल.
  • मध्य प्रदेश के बड़वानी जिला में दू गो बस के कर्मचारियन के आपसी झगड़ा में एगो बस में आग लगा दिहल गइल जवना में चार आदमी जिंदा जर गइले आ सात लोग बहुते झँउस गइल.
  • लोकपाल आंदोलन : अन्ना हजारे कहलन कि, सरकार के नीयत ठीक नइखे. अगर सरकार प्रभावी लोकपाल विधेयक संसद में पेश नइखे कर सकत त ओकरा गद्दी छोड़ देबे के चाहीं.
  • आंध्र प्रदेश में दिवंगत मुख्यमंत्री वाईएस राजशेखर रेड्डी के नाम केंद्रीय जांच ब्यूरो के दर्ज करावल प्राथमिकी में शामिल कइला पर कांग्रेस के 27 गो विधायक आ दू गो सांसदों अतवार का दिने पार्टी से इस्तीफा देबे के एलान कइले.
  • वाईएसआर कांग्रेस प्रमुख जगनमोहन रेड्डी के समर्थक 24 विधायकन के इस्तीफा देबे के फैसला से चकित कांग्रेस ओहलोग के अइसन करे से मना कइले बिया. काहे कि तब लोग ओह लोग के भ्रष्टाचार के समर्थक मान ली.
  • दिल्ली में एयरपोर्ट मेट्रो अब हर 15 मिनट पर चलल करी.
  • मणिपुर के मानवाधिकार कार्यकर्ता भारतीय मीडिया से नाराज बाड़े काहे कि ऊ इरोम चानू शर्मिला से बेसी तरजीह अन्ना के देत बिया. जबकि शर्मिला पिछला 11साल से अनशन पर बाड़ी.
  • अन्ना हजारे सरकार से बतियावे के तइयार बाड़े बशर्रे बातचीत जन लोकपाल पर होखे.
  • कांग्रेस प्रवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी के कहना बा कि लोकपाल विधेयक पर चर्चा करे खातिर संसद के स्थाई समिति आदर्श मंच बावे. सिंघवी खुद एह समिति के अध्यक्षो हउवन.
  • जन लोकपाल के अव्यवहारिक आ अलोकतांत्रिक बतवली सोनिया गाँधी के अध्यक्षता वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सदस्या अरुणा रॉय.
  • प्रभावी लोकपाल ला प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के पेशकश पर अन्ना हजारे कहले बाड़न कि ऊ बातचीत करे ला तइयार बाड़न.
  • देश भर में आजु छठवो दिन अन्ना के समर्थन में धरना, प्रदर्शन के दौर जारी बा.
  • नकली भा फर्जी दस्तावेज पर नवजवानन के विदेश भेजे वाला एगो आव्रजन कम्पनी हेल्थवे इमीग्रेशन के मालिक के चण्डीगढ़ पुलिस गिरफ्तार कर के जांच शुरू कर दिहले बिया.
  • मध्य प्रदेश के राजभवन अब सौर ऊर्जा से जगमग होखी. ओहिजा 20 किलोवाट क्षमता के सौर ऊर्जा संयंत्र लगावल गइल बा.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी शनिचर का दिने कहली कि एहिजो नई दिल्ली के एम्स जइसन एगो बड़हन अस्पताल बनवावल जाई.
  • लोकसभा अध्यक्ष रहल सोमनाथ चटर्जी कहले बाड़न कि पश्चिम बंगाल के नाम बदलके पश्चिम बंग करे के कवायद एकदम गैरजरूरी बावे.
  • पश्चिम बंगाल में बाढ़ से अब ले 47 आदमी के मौत.

दुनिया

  • पापुआ न्यू गिनी के न्यू ब्रिटेन में अतवार का दिने रिक्टर पैमाना पर 6.0 तीव्रता के भूकम्प आइल. बाकिर जान माल के नुकसान के खबर नइखे.
  • कराची में हिंसा रोके खातिर जरूरत पड़े त सेना तइयार बिया : जनरल अशफाक कयानी.
  • पाकिस्तान का एगो मस्जिद में दू दिन पहिले भइल आत्मघाती बम विस्फोट में मरे वालन के गिनिती 56 हो गइल बा.
  • नेपाल के प्रधानमंत्री झलनाथ खनाल के इस्तीफा का बाद आम सहमति से एगो नया प्रधानमंत्री चुने के मियाद आजु अतवार के साँझ पांच बजे खतम हो गइल बाकिर केहू ना चुना पाइल त तीन दिन के समय बढ़ा दिहल गइल.
  • ब्रिटेन की पुलिस हाल में भइल कई शहर के दंगा में शामिल 30 हजार लोग के खोजत बिया.
  • नेपाल सरकार धूम्रपान पर प्रतिबंध लगा दिहलसि.
  • पाकिस्तान के मानवाधिकार कार्यकर्ता अंसार बर्नी ईद के बाद ओहिजा भ्रष्टाचार अउर आतंकवाद का खिलाफ देशव्यापी अभियान शुरु करे के एलान कइलन.
  • रूस के सुदूर पूर्वी इलाका में पोलर बियर का हमला में एक आदमी के मौत हो गइला का बाद दू गो दोसरो भालूवन समेत ओह नरभक्षी भालू के गोली मार दिहल गइल.
  • कनाडा में एगो यात्री विमान दुर्घटना में कम से कम 12 लोग के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइले.

व्यापार व्यवसाय

  • विदेशी निवेशक देश के शेयर बाजार में अगस्त महीना में अबही ले 1.5 अरब डॉलर (लगभग 6,851.7 करोड़ रुपये) के बिकवाली कर चुकल बाड़े.

मनोरंजन

  • बॉलीवुड में फिल्म ‘तेरे बिन लादेन’ से शुरुआत करे वाला पाकिस्तानी गायक आ अभिनेता अली जफर अपना तीसरा फिलिम ‘लंदन, पेरिस, न्यूयार्क’ के शूटिंग शुर कर दिहले बाड़न. जफर के दुसरकी फिलिम ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ के प्रदर्शन होखल अबही बाकी बा,
  • अब बालीवुड फिलिमन के शूटिंग विदेश का बजाय दिल्ली में कइल निर्माता निर्देशक लोग के बेसी पसंद आ रहल बा.

खेल

  • ओवल टेस्ट में फॉलोआन ना बचा पवलसि भारतीय टीम. इंग्लैंड के पहली पारी 591 रन पर घोषित कइला का बाद भारत के पहिला पारी 300 रन पर सिमट गइल. बाद में अपना दूसरका पारी में भारत आजु 19 रन बनवले बा.
  • पांचवां एकदिना : बांग्लादेश मैच जीतलसि, जिम्बाब्वे श्रृंखला.
  • सिनसिनाटी ओपन : पेस-भूपति के जोड़ी मौजूदा चैम्पियन अमेरिका के बॉब अउर माइक ब्रायन के जोड़ी के हराके फाइनल में चहुँप गइल बिया.
  • मध्यक्रम के अनुभवी बल्लेबाज राहुल द्रविड़ टेस्ट क्रिकेट में सैकड़ा जमावे में सुनील गावस्कर आ ब्रायन लारा के पीछे छोड़ दिहले.
  • बुलावायो के क्वींस स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर अतवार का दिने जिम्बाब्वे से खेलत सीरिज के आपन पांचवा आ आखिरी एकदिना में पहिले बल्लेबाजी करत बांग्लादेश 36 ओवर में पांच विकेट का नुकसान पर 151 रन बनवले बा.
  • सिनसिनाटी ओपन : खिताबी मुकाबले में सर्बिया के नोवाक जोकोविक के सामने होखिहे ब्रिटेन के एंडी मरे.
  • सिनसिनाटी ओपन : भारत के लिएंडर पेस आ महेश भूपति के जोड़ी वेस्टर्न एंड साउदर्न टेनिस चैम्पियनशिप में मरदन के युगल स्पर्धा का फाइनल में पहुंचल.
  • भारत के स्नूकर खिलाड़ी सैयद हबीब के शनिचर का दिने लमहर बेमारी का बाद निधन हो गइल. ऊ 71 साल के रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up