देश दुनिया के खबर, बुध 31 अगस्त का दिने

by | Aug 31, 2011 | 0 comments

देश

  • मच्छर से बचावे वाला एक कॉइल 100 सिगरेट के बराबर नुकसान करेला. मसहरी लगा के सूतल करीं.
  • अफजल गुरु का पक्ष में उमर अब्दुल्ला के बयान के आलोचन कइलसि भाजपा. कांग्रेस चुप्पी सधलसि.
  • गुजरात के गृह मंत्री रहल हरेन पंड्या के पत्नी बुध का दिने अपना पति के असली हत्यारन के कठघरा में ले आवे खातिर लालकृष्ण आडवाणी आ मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी से दखल देबे के अपील कइली.
  • अन्ना हजारे के अस्पताल से छुट्टी मिलला का बाद ऊ हवाई जहाज से पूणे रवाना हो गइले जहवाँ से अपना गाँव रालेगण सिद्धी जइहें आ गणपति उत्सव ओहीजे मनइहे.
  • आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल के॰ रोसैया तमिलनाडु के राज्यपाल पद के शपथ लिहले.
  • पश्चिम बंगाल के दक्षिण चौबीस परगना जिला में माटला नदी में बुध का दिन एगो नाव पलटला से तीन लोग डूब गइल.
  • तमिलनाडु में बुध का दिने डीएमके नेता आ उच्च शिक्षा मंत्री रहल के. पोनमुडी के जमीन हड़पे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के इंदौर में स्थित खजराना गणेश मंदिर में चढ़ावल फूलन से कंपोस्ट खाद बनावल जाई आ बाद में एकरा के 10 रुपिया किलो का दर से बेचल जाई.
  • राजस्थान के अलवर जिला के एगो रेस्तरां से मंगल के गायब आईएएस अधिकारी नवीन जैन के अबही ले कवनो सुराग नइखे मिलल. पुलिस के आधा दर्जन टीम उनुका के खोजे में लागल बा.
  • अन्ना हजारे के इलाज खर्च देबे खातिर ढेरे लोग सामने आइल.

    नई दिल्ली, 31 अगस्त (आईएएनएस). प्रभावी लोकपाल विधेयक खातिर 12 दिन के अनशन का बाद अस्पताल में भरती हो के स्वास्थ्य लाभ करत अन्ना हजारे के अस्पताल के खरचा के भुगतान करे खातिर बहुते लोग सामने आइल बा. मंगल का दिने आईएएनएस एगो खबर दिहले रहे जवना में एह मामिला में अस्पष्टता के जिक्र रहे. रिपोर्ट का बाद सोशल नेटवर्किं ग वेबसाइट फेसबुक, ट्विटर आ कुछ समाचार साइटन पर लोग अन्ना हजारे के अस्पताल के खर्चा देबे के इच्छा जतवले बाड़े. हालांकि अबही इहो तय नइखे कि अस्पताल ई खरचा केहू से लिहल चाही कि ना.
    अन्ना के इलाज करत हृदयरोग विशेषज्ञ नरेश त्रेहन के कहना बा कि, “ऊ एगो बढ़िया आदमी हईं आ जवन कुछ करत बानी ओकरा खातिर हमरा मन में उनुकर बहुते इज्जत बा. अबही ई देखल जाव कि अस्पताल के खर्चा कतना आवत बा आ ओकरा बादे एह बारे में कुछ कहल जा सकेला.” खुद डॉ त्रेहन अबही ले कवनो फीस नइखन लिहले.
    इण्डिया अगेन्स्ट करप्शन के कहना बा कि जब बिल मिल जाई ओकरा बादे हमनी का कुछ बता सकीले. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.

  • हिन्दू भावना के चोट चहुँपावे का आरोप में स्वामी अग्निवेश पर दर्ज मुकदमा में पंजाब आ हरियाणा उच्च न्यायालय उनुका के राहत देबे से नकार दिहले बा. न्यायाधीश एल एन मित्तल कहले कि केस में दर्ज बाति से पहिला नजर में इहे लागत बा कि अमरनाथ यात्रा पर आपत्तिजनक टिप्पणी कर के स्वामी अग्निवेश हिन्दू भावना के ठेस चहुँपवले बाड़े. अग्निवेश का खिलाफ गैरजमानती वारन्ट जारी हो गइल बा आ उनुका के हाँसी सब डिविजनल मजिस्ट्रेट के अदालत में 19 सितम्बर के पेश करे के कहल गइल बा.
  • काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के कहा बा कि राज्य का बाहर कश्मीरियन के भावना ठीक तरीका से ना लिहल जाला. ऊ राजीव गाँधी के हत्यारन खातिर तमिलनाडू विधानसभा के प्रस्ताव पर बोलत रहले कि अगर वइसने प्रस्ताव जम्मू काश्मीर विधानसभा से अफजल गुरु खातिर पारित होखे त देश ओकरा के अतना हलुका में ना ली. कहले कि यदि अफजल गुरु के फांसी दिहल जाता त कश्मीर घाटी में बड़हन फसाद हो सकेला.
  • संसद के स्थायी समिति से अलगा होखल चाहत बाड़े मनीष तिवारी.

    नई दिल्ली, 31 अगस्त (आईएएनएस). अन्ना हजारे के ऊपर से नीचे ले भ्रष्ट बतावे वाला आ बाद में माफी मांगे वाला कांग्रेसी सांसद मनीष तिवारी संसद के स्थायी समिति से अलग होखल चाहत बाड़न. एह समिति के 31 सदस्यन में लालूओ प्रसाद शामिल बाड़े आ छह सदस्य के जगहा खाली बा. अटकल बा कि स्थायी समिति के दुबारा गठन कइल जा रहल बा आ समिति से लालू यादव आ अमर सिंह के निकालल जा सकेला. हालांकि समिति के अध्यक्ष अभिषेक मनु सिंघवी एह बारे में कुछुवो बोले से मना कर दिहले. कहलन कि, “समिति के अध्यक्ष के संरचना कवनो भूमिका ना होला. सब कुछ राजनीतिक दल तय करेले आ पीठासीन अधिकारी के निर्णय अंतिम होला. हम एह मामिला में कुछ ना कह सकीं.” इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.

  • जेद्दाह से मुम्बई आवत एयर इंडिया के एगो जहाज के बुध का दिने इमरजेन्सी लैंडिंग करे के पड़ल. ओह पर के सगरी 286 यात्री सुरक्षित बाड़े.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में पन्दरहिया पहिले भइल सामाजिक कार्यकर्ता शेहला मसूद के हत्या से सामाजिक कार्यकर्ता डेराइल नइखन बाकिर चौकन्ना जरूर हो गइल बाड़े.
  • आजु पूरा देश आ पाकिस्तानो में खुशी आ उमंग का साथे ईद के त्योहार मनावल जात बा. आगरा के ताजमहल आजु तीन घंटा ले सभका खातिर खोल दिहल गइल रहे.
  • राजधानी दिल्ली में बुध का दिने एगो स्कॉर्पियो कार वाला एगो मोटरसाइकिल सवार के एही खातिर गोली मार दिहलसि कि ऊ ओकरा के आगा ना जाये देत रहल.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील के हेलीकॉप्टर में बुध का दिने तकनीकी खराबी आ गइला का बाद उनुका के दोसरा हेलीकॉप्टर से तिरूवनंतपुरम भेजल गइल.
  • ओडिशा के क्योंझर जिला में आजु बुध के फजीरे दू गो मालगाड़ियन के आमने-सामने टक्कर में दू आदमी के जान चल गइल.
  • केंद्र सरकार के कहना बा कि गंगा नदी के सफाई खातिर बनल गंगा कार्य योजना में अबले 896.05 करोड़ रुपिया खर्च कइल गइल बा.

दुनिया

  • पाकिस्तान निर्वाचन आयोग के सचिव इश्तियाक अहमद खान कहले बाड़न कि पाकिस्तान में अप्रैल 2012 तक कम्प्युटरीकृत निर्वाचन नामावली तइयार हो जाई.
  • पाकिस्तान के क्वेटा शहर में बुध का दिने एगो मस्जिद का पार्किंग में भइल आत्मघाती बम विस्फोट से कम से कम 10 लोग मारल गइले आ 25 जने घवाहिल हो गइले. ई हमला तब भइल जब पूरा देश ईद के खुशी मनावत रहल.
  • वैज्ञानिक एह बदलाव से हरान परेशान बाड़े कि आखिर कवना कारण अफ्रीका के कुछ हिस्सा से मलेरिया फैलावे वाला मच्छर गायब हो गइल बाड़े. अगर कारण पता लाग जाव त दुनिया में दोसरो जगहा ओकर इस्तेमाल कइल जाइत.
  • अमेरिकी विदेश विभाग विकिलीक्स पर भइल नयका खुलासा पर चिंता जाहिर कइले बा काहे कि एह से अमेरिका के कूटनीति पर त असर पड़बे करी, लोग के सुरक्षो पर खतरा आ सकेला.
  • ईरान चीन के प्रकाशकन के कुरान छापे के ठीका दिहले रहुवे बाकिर जब कुरान छप के आइल त ओहमें वर्तनी के गलती बेशुमार लउकत बा.
  • रूसी चेचन्या के उत्तरी काकेशस गणराज्य के राजधानी ग्रोजनी में मंगल का दिने भइल दू गो आत्मघाती हमला में पांच गो पुलिसकर्मियन समेत सात लोग के मौत हो गइल बा आ 18 लोग घवाहिल बाड़े.
  • एगो ताजा सर्वेक्षण में बतावल गइल बा कि विश्व में रहे का लिहाज से सबले बेहतरीन शहर ऑस्ट्रेलिया के मेलबर्न हवे. भारत के व्यावसायिक राजधानी मुम्बई के 116वां पायदान पर राखल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय

  • निजी कम्प्यूटर के बिक्री 2012 ले बढ़के 1.271 करोड़ तक चहुँप सकेले जवन अनुमान से 14 फीसदी अधिका बा. ताजा आंकड़ा बतावत बा कि देश में हर 25 आदमी पर एगो कम्प्यूटर मौजूद बा.
  • देश में सिर्फ 2.77 फीसदी आबादी आयकर देले. बाकी लोग या त आयकर ना देव या ओकरा दायरा में ना आवे.
  • के.के. बिड़ला समूह के एगो कम्पनी जुआरी इंडस्ट्रीज लिमिटेड के कुछ दिन ला बंद कर दिहल गइल बा काहे कि नाप्था के कमी हो गइल बा.

मनोरंजन

  • मुम्बई में एगो फिल्म निर्माता बॉलीवुड के जानल मानल अभिनेता आ कांग्रेस के सांसद रहल गोविंदा पर गरियावे आ जान से मारे के धमकी देबे के आरोप लगवले बाड़े.
  • स्टार प्लस चैनल पर प्रसारित भइल कुकरी रिएलिटी शो ‘मास्टरशेफ इंडिया’ के विजेता लखनऊ के पंकज भदोरिया एही चैनल पर प्रसारित होखे वाला ‘शेफ पंकज का जायका’ के मेजबानी करीहें.
  • बॉलीवुड के सुपरस्टार शाहरुख खान ईद का मौका पर ‘दबंग’ अभिनेता सलमान खान के जल्द ठीक होखे के दुआ मँगले.
  • शाहरुख खान मानेले कि ऊ खाली नामे के बादशाह ना हउवन बलुक उनुका पूरा विश्वास बा कि उहे आजु सबले बढ़िया कलाकार बाड़े.

खेल

  • बीसबिसा क्रिकेट : पहिलके मैच खेले आइल सलामी बल्लेबाज अजिंक्य रहाणे के शानदार पचासा के सहारे भारत 11 ओवर में एक विकेट के नुकसान पर 101 रन बना लिहले बा.
  • केंद्रीय खेल मंत्री अजय माकन बीसीसीआई के लतड़ले बाड़े कि ऊ सूचना के अधिकार नियम में नइखे आवल चाहत.
  • गॉल टेस्ट में आस्ट्रेलिया के पहली पारी 273 रनों पर सिमटल. आस्ट्रेलिया का ओर से माइकल हसी 95 रन बनवले.
  • भारत के सलामी बल्लेबाज गौतम गम्भीर वापिस लवटीहें आ उनुका जगहा हरफनमौला खिलाड़ी रवींद्र जडेजा खेलीहें.
  • पाकिस्तान के पूर्व कप्तान रमीज राजा के कहना बा कि जिम्बाब्वे आ पाकिस्तान दुनु टीम बराबरे बाड़ी सँ आ दुनु में से कवनो जीत सकेले.
  • अमेरिकी ओपन में आजु देर रात एंडी मरे से भिड़ीहें भारत के सोमदेव देवबर्मन.
  • मैदान गीला रहल का चलते गॉल टेस्ट देर से शुरू भइल. आस्ट्रेलिया टॉस जीत के बल्लेबाजी के फैसला कइलसि.
  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में काल्हु बियफे के भारत के दू गो एथलीट खुद के साबित करे के कोशिश करीहें. औरतन के 800 मीटर में टिंटू लुका आ मरदन के शॉट पुट में ओम प्रकाश सिंह क्वालीफिकेशन दौर में उतरीहें.
  • अमेरिकी ओपन में पेस-भूपति आ बोपन्ना-कुरैशी के जोड़ी दुसरका दौर में गइले बाकिर सानिया मिर्जा पहिले दौर में हार गइली.
  • भारतीय क्रिकेट टीम आ इंग्लैंड के बीच एह शृंखला के एकमात्र बीसबीसा मैच आजु रात दस बजे से खेलल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up