देश दुनिया के खबर, मंगल 30 अगस्त का दिने

by | Aug 30, 2011 | 0 comments

देश

  • काल्हु बुध का दिने देश भर में ईद मनावल जाई.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी कहले कि पिछला साल के 1387 करोड़ रुपिया कमाई के मुकाबिले एह साल बीसीसीआई 1667 करोड़ रुपिया कमइलसि.
  • देश के 16 लाख गांवन में से सिर्फ 400,000 गाँव में पिये के पानी मयस्सर बा. ई बात सरकार का तरफ से राज्यसभा में बतलावल गइल बा.
  • केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद बतवले कि अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में कम से कम 200 प्राध्यापकन के पद खाली पड़ल बा. एह अस्पताल में रोजाना लगभग 8,000 मरीजन के इलाज होला.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय मंगल का दिने वोट खातिर नोट मामिला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पर कार्रवाई के मांग करे वाली याचिका खारिज त करबे कइलसि, याचिका ले आवे वाला वकील पर एक लाख रुपिया के जुर्मानो लगा दिहलसि.
  • दू दिन से लापता लोकसभा के एगो प्रोटोकॉल अधिकारी के अबही ले पता नइखे चलल. प्रोटोकॉल अधिकारी दिल्ली से जालौन जाये खातिर पिछला शनिचर के सम्पर्क क्रांति एक्सप्रेस रेलगाड़ी से चलल रहले.
  • राज्यसभा में महाभियोग के सामना कर चुकल न्यायाधीश सौमित्र सेन का खिलाफ लोकसभा में पांच सितम्बर से महाभियोग चलावल जाई.
  • कानून अउर न्याय आ कार्मिक मामिला पर संसद के स्थायी समिति मंगल के संसद में पेश भइल अपना रिपोर्ट में न्यायाधीशन के नियुक्ति पर व्यापक कानून बनावे के सिफारिश कइले बिया.
  • 12 दिन का अनशन का बाद अस्पताल में भरती अन्ना हजारे खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगल का दिने फूल भेजववले आ उनुका जल्दी स्वस्थ होखे के कामना कइले.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय कांग्रेस सांसद सुरेश कलमाडी के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में ऊ संसद के मानसून सत्र में शामिल होखे के अनुमति मँगले रहले.
  • केंद्रीय गृह राज्यमंत्री एम. रामचंद्रन बतवले बाड़े कि एह साल जुलाई ले गाड़ियन पर गैरकानूनी तरीका से लाल बत्ती लगावे वाला 299 लोग का खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा.
  • मणिपुर में पिछला 11 साल से अनशन करत इरोम शर्मिला कहले बाड़ी कि एक ना एक दिन सुरक्षा बल द्वारा मानवाधिकार हनन के खिलाफ उनुको संघर्ष के केंद्र सरकार मान्यता दीही.
  • प्रख्यात लेखिका आ सामाजिक कार्यकर्ता अरुंधति रॉय के कहना बा कि अन्ना हजारे के जन लोकपाल विधेयक ‘कानून के एगो पतनगामी हिस्सा हवे.’
  • राजस्थान के अलवर जिला में पदस्थ एगो भारतीय प्रशासनिक सेवा अधिकारी मंगल का सबेरे अचानके लापता हो गइले. जाये से पहिले ऊ अपना पत्नी आ बेटा के नाम एगो परचा छोड़ गइल बाड़न कि ऊ लोग आपन ख्याल राखे.
  • दलाई लामा पाँच सितम्बर के दिन इग्नू के तिब्बती अध्ययन केंद्र के उद्घाटन करीहें आ ओही दिने उनुका के डी.लिट के मानद उपाधि दिहल जाई.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील ईद-उल-फितर के मौका पर देशवासियन के मुबारकबाद दिहली.
  • एयर इंडिया के एगो विमान मंगल का दिने तिरुवनंतपुरम में आपात स्थिति में उतारल गइल. ओह पर सवार सगरी 123 लोग सकुशल बा.
  • गुड़गांव के मेदांता मेडिसिटी में स्वास्थ्य लाभ लेत अन्ना हजारे के चिकित्सा बिल के चुकाई ई अबही साफ नइखे. अस्पताल के अध्यक्ष नरेश त्रेहनो के कहना बा कि एह बारे में बाद में सोचल जाई.
  • देश विरोधी गतिविधियों में शामिल होखे का आरोप में सिमी के तीन गो कार्यकर्ता के इंदौर के एगो अदालत तीन-तीन साल के कैद के सजा सुनवले बिया.
  • उप राष्ट्रपति एम. हामिद अंसारी ईद-उल-फितर आ गणेश चतुर्थी का मौका पर देशवासियन के शुभकामना दिहले बाड़े.
  • प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्यारन का बारे में कांग्रेस पार्टी के तमिलनाडु इकाई चाहत बिया कि कानून के सम्मान कइल जाव. केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद के कहना बा कि एह बारे में तमिलनाडु विधानसभा में पारित प्रस्ताव बाध्यकारी नइखे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह ईद-उल-फितर के मौका पर देशवासियने के शुभकामनाएं देत कहले कि ईद के त्योहार भारत के मिश्रित संस्कृति के सही मायने में देखावेला.
  • टाटा समूह के अध्यक्ष रतन टाटा के कहना बा कि टाटा समूह पश्चिम बंगाल में कवनो नया निवेश तबे करी जब ओकरा भरोसा होई कि राज्य सरकार ओकरा से कवनो बैर भावना नइखे राखत.
  • गुजरात में राज्य सरकार से सलाह कइले बिना लोकायुक्त नियुक्त करे वाली राज्यपाल कमला बेनीवाल के वापस बुलावे के माँग पर भाजपा के हंगामा का चलते दुनु सदन के काम दिन भर खातिर टार दिहल गइल.
  • बेंगलुरू के स्थानीय अतिरिक्त सत्र न्यायालय करोड़ों रुपिया के खनन घोटाले से जुड़ल मामिला में कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री एच. डी. कुमारस्वामी आ उनुकर विधायक पत्नी अनीता के अग्रिम जमानत के निहोरा खारिज कर दिहलसि.
  • मुख्य निर्वाचन आयुक्त एस. वाई. कुरैशी एह बाति से असहमति जतवले बाड़न कि चुनाव लड़े खातिर सरकारी सहायता करिया धन से निबटे में कारगर रही. कुछ दिन पहिले राहुल गाँधी एकर सलाह दिहले रहले.
  • मद्रास उच्च न्यायालय आजु मंगल का दिने प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्यारन के फाँसी पर अंतरिम रोक लगा दिहलसि. आ, तमिलनाडु विधानसभा सर्वसम्मति से प्रस्ताव पारित करके राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील से एह हत्यारन के दया याचिका पर दोबारा विचार करे के अनुरोध कइले बिया.
  • भाजपा के वरिष्ठ नेता लालकृष्ण आडवाणी मांग कइले बाड़न कि गुजरात के राज्यपाल कमला बेनीवाल के वापस बोलवल जाव. आडवाणी के आरोप बा कि राज्यपाल मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी से मशविरा कइले बिना न्यायमूर्ति (सेवानिवृत्त) आर.ए. मेहता के राज्य के लोकायुक्त बना के संघीय ढाँचा लाँघ दिहली.
  • मुम्बई के दक्षिणी राज्यन से जोड़े वाला कोंकण रेलमार्ग पर मंगल का दिने जमीन धँसला से यातायात बन्द हो गइल बा. केहू के मुअला भा घवाहिल होखे के खबर नइखे.
  • कृषि उत्पादन में 3.9 प्रतिशत के बढ़ोतरी का बावजूद मौजूदा वित्त वर्ष के पहिला तिमाही में अर्थव्यवस्था के बढ़ोतरी के दर 7.7 प्रतिशत के निचला स्तर पर आ गइल. पिछला साल ई 8.8 प्रतिशत रहल.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल शहर के प्रसिद्ध ताजमहल के हेरिटेज होटल आ गोलघर के संग्रहालय का तरह विकसित कइल जाई.
  • मुम्बई के एगो सत्र न्यायालय साल 2008 में ठाणे के एगो थिएटर में भइल विस्फोट का मामिला में दू गो आरोपियन के दोषी मान लिहलसि. एह घटना में सात जने घवाहिल भइल रहले.
  • एगो बदमाश सोमार का दिने रेलगाड़ी से दिल्ली आवत एगो सांसद के जेब पर झपटा मारके 5,000 रुपये आ दोसर कीमती सामान ले के फरार हो गइल.
  • राजस्थान विधानसभा में सोमार का दिने जूतम पैजार के हालात बन गइल जब भाजपा के एगो विधायक सत्ता पक्ष का ओर चप्पल फेंकले आ कांग्रेसी सदस्य आपन जूता घुमा के चेतवले.
  • शिक्षा मंत्री के जवाब से राज्यसभा में हंगामा हो गइल जब ऊ स्कूली पाठ्यक्रम में स्वतंत्रता सेनानी अवंतीबाई के जीवनी शामिल करे से इंकार कइले. उनुकर कहना रहे कि एहसे बचवन पर बोझा बढ़ी. अवंतीबाई लोधी विक्रमादित्य सिंह के पत्नी रहली जे मौजूदा मध्यप्रदेश में पड़े वाला रामगढ़ राज के राजा रहले. अवंतीबाई 1957 में आजादी के पहिलका लड़ाई में लड़ल रही आ हार के अनेसा से अपने तलवार से आपने जान ले लिहले रही.

दुनिया

  • लीबिया के भगोड़ा तानाशाह मुअम्मार गद्दाफी के बेटी आयशा मंगल का दिने अल्जीरिया के एगो शहर में बेटी के जनम दिहली.
  • फिलीपींस में मंगल का दिने रिक्टर पैमाना पर सात तीव्रता वाल भूकम्प के झटका महसूस कइल गइल. कवनो तरह के नुकसान के अबही खबर नइखे.
  • संयुक्त राष्ट्र महासचिव बान की-मून भारत समेत दुनिया के देशन से परमाणु परीक्षण पर रोक लगावे वाला संयुक्त राष्ट्र प्रस्ताव के सकारे के कहले बाड़े.
  • नेपाल में नया संविधान बनावे खातिर तय समय सीमा तीसरा हाली बुध के खतम होखे वाल बा आ फेर एह समय के तीन महीना अउर बढ़ा दिहल गइल बा.
  • रूसी मालवाहक अंतरिक्ष यान प्रोग्रेस एम-12एम साइबेरिया में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे आ ई अइसन जरल रहे कि कवनो बड़ टुकड़ा नइखे मिलल.
  • पाकिस्तान का लाहौर में मंगल का सबेरे दूगो रेलगाड़ियन की टक्कर में कम से कम पांच लोग के जान चल गइल आ 25 जने घवाहिल हो गइले.
  • अमेरिका सकरले बा कि पाकिस्तान का साथे ओकर आतंकवाद निरोधी कबो सामान्य नइखे रहल तबहियो ऊ एह इलाका के अलकायदा मुक्त करावे खातिर पाकिस्तान का साथे काम करत रही.
  • चीन में मोबाइल फोन इस्तेमाल करे वालन के गिनिती एक अरब होखे जा रहल बा. लोग एक दोसरा से सम्पर्क में रहे खातिर मोबाइले फोन पर निर्भर बाड़े.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के एगो चाचा के शराब पीके गाड़ी चलावे का संदेह में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • लीबिया के नेता मुअम्मार गद्दाफी के पत्नी साफिया, बेटी आइशा आ दू गो बेटा हान्निबल आ मोहम्मद सोमार का दिने चुपेचोरी अल्जीरिया चहुँप गइले.
  • अमेरिका के पूरबी किनार पर आइल आइरीन तूफान से 38 लोग के मौत भइल बा, आ 50 लाख से बेसी घर आ व्यापारिक प्रतिष्ठान अबहियो अन्हार में बाड़े.

व्यापार व्यवसाय

  • सर्वोच्च न्यायालय दिल्ली के निजी बिजली वितरण कम्पनियन से दिहल गइल कुल बिजली कनेक्शन आ आपूर्ति कइल जा रहल कुल बिजली के ब्योरा देबे के कहलसि.
  • देश के शेयर बाजार में मंगलो का दिने तेजी दर्ज भइल आ सेंसेक्स 260.42 अंक बढ़ के 16,676.75 पर बन्द भइल.

मनोरंजन

  • फिल्म ‘द डर्टी पिक्चर’ में दिहल अब तक के सबले बोल्ड सीन खातिर मशहूर अभिनेत्री विद्या बालन कबहू असहज ना भइली काहे कि उनुका निर्देशक मिलन लूथरिया पर पूरा भरोसा रहल.
  • फिल्मकार करन जौहर के कहना बा कि उनुकर फिल्म ‘अग्निपथ’ एही नाम से बनल मूल फिल्म के नया संस्करण होखे से बेसी एगो श्रद्धांजलि हवे. करन के पिता यश जौहर साल 1990 में मूल ‘अग्निपथ’ फिल्म बनवले रहन.
  • अभिनेता आ लेखक ललित मराठे के अपना निर्देशन में बनल पहिलका फिल्म ‘शबरी’ के प्रदर्शन खातिर पांच साल के लमहर इंतजार करे के पड़ल. कारण त ऊ नइखन जानत बाकिर एह बीच ऊ एगो उपन्यास ‘ए डॉग्स फ्राइडे’ लिख दिहले जवना में फिल्म के निर्माण से लेके प्रदर्शन तक के कहानी बयां बा.
  • बॉलीवुड अभिनेता शाहरुख खान एह साल पहिला बेर ईद के मौका पर एगो बड़हन पार्टी देबे वाला बाड़े.

खेल

  • खेल विधेयक के केंद्रीय मंत्रिमंडल के मंजूरी ना मिलल आ मंत्री के फेर से नया विधेयक ले आवे के कहल गइल.
  • ग्रेनेडा के 18 वर्षीय एथलीट किरानी जेम्स 13वीं विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के 400 मीटर स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत लिहले.
  • भारत के मयूखा जॉनी 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के तिहरी कूद स्पर्धा के फाइनल में जगह ना बना पवली आ 10वें जगहा अइली.
  • भारतीय क्रिकेट टीम ग्रेस रोड स्टेडियम में सोमार का दिने खेलल बीसबिसा अभ्यास मैच में लिसेस्टरशायर के 15 रन से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up