देश दुनिया के खबर, शनिचर 3 सितम्बर का दिने

by | Sep 3, 2011 | 0 comments

देश

  • टी. श्रीनिवासन के राजस्थान के मुख्य सूचना आयुक्त बनावल गइल बा. ऊ पाँच तारीख के पद के शपथ लीहें.
  • भोपाल के आरटीआई कार्यकर्ता शेहला मसूद के हत्या के जांच सीबीआई अपना हाथ में लिहलसि आ नापता लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज कर लिहलसि.
  • अन्ना हजारे पक्ष के सक्रिय सदस्य अरविंदो केजरीवाल के संसद से विशेषाधिकार हनन के नोटिस भेजल गइल बा. किरण बेदी आ प्रशांत भूषण के पहिलही भेजल जा चुकल बा.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के कहना बा कि महँगाई चिंता के बाति बा बाकिर एकरा खातिर उठावल कदम के असर होखे में समय लागे वाला बा.
  • भठियरपन का खिलाफ लड़ाई छेड़े वाला अन्ना हजारे के जेड श्रेणी के सुरक्षा दिहल गइल बा. अब चार गो सशस्त्र सुरक्षाकर्मी आ दू गो निजी सुरक्षा अधिकारी चौबीसो घंटा उनुका सुरक्षा में तैनात रहीहें.
  • आजु जब केन्द्र के मंत्रियन के “संपत्ति के आधिकारिक घोषणा” वेबसाइट पर डालल गइल त पता चलल कि सबले धनी कमलनाथ का लगे अढ़ाई सौ करोड़ रुपिया के संपति बा त ए के एंटनी का लगे सबले कम कुछ लाख के. प्रधानमंत्री का लगे बैंक जमा करीब सवा तीन करोड़ मिला के पाँच करोड़ के संपति बा. शरद पवार का लगे बारहे करोड़ के संपत्ति बा.
  • केंद्र सरकार आ उल्फा आजु युद्धविराम समझौते पर हस्ताक्षर कर दिहले आ तीन दशक से बेसी से जारी उल्फा के हिंसक गतिविधि रोक के अब राजनीतिक समाधान का दिसाईं काम होई.
  • गुजरात के मेहसाना कस्बा के एगो डेयरी में शनिचर का दिने विस्फोट हो गइल जवना से कम से कम चार लोग मर गइले आ 20 लोग घवाहिल हो गइले.
  • झारखण्ड के पलामू जिले में एगो आदमी नाजायज संबंध का चलते भइल झगड़ा में अपना मेहरारू आ दू गो लड़िकन के जिन्दा जरा दिहलसि.
  • राजस्थान में एगो खाप पंचायत एगारह साल के एहो लड़िका के हत्या के आरोपी के गाँव से निकाल दिहलसि.
  • आंध्र प्रदेश के तेलंगाना के सरकारी कर्मचारी 3 सितम्बर से बेमियादी हड़ताल पर जइहें.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश न्यायमूर्ति सौमित्र सेन शनिचर का दिने अपना वकीलन का मार्फत आपन इस्तीफा राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील के सउँपवा दिहले. एहसे दू दिन पहिले ऊ इस्तीफा फैक्स कइले रहन.
  • अन्ना हजारे के प्रमुख सहयोगी प्रशांत भूषण के कहना बा कि समय आ गइल बा कि सांसदन के मिलल विशेषाधिकार पर फेर से विचार कइल जाव.
  • केरल के उद्योग मंत्री पी.के. कुन्हलिकुट्टी शनिचर का दिने कहले कि विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष वी.एस. अच्युतानंदन एहघरी तनिका परेशानी में बाड़े काहे कि उनुका बेटा आ एगो रिश्तेदार पर मामिला चलत बा.
  • कोंकण क्षेत्र में बरखा का चलते रत्नागिरी के लगे पोमेंदी में जमीन धँसला से रेलगाड़ियन के आवाजाही फेरू रुक गइल बा.
  • प्रधानमंत्री आ केंद्रीय मंत्रियन के संपति के घोषणा कर दिहल गइल. एह जानकारी के प्रधानमंत्री का वेबसाइट पर डाल दिहल गइल बा जहाँ से केहू चाहे त ओह विवरण के डाउनलोड कर सकेला.
  • मुम्बई के छत्रपति शिवाजी अंतर्राष्ट्रीय हवाईअड्डे पर आजु शनिचर के स्पाइसजेट एयरलाइन के एगो जहाज के तकनीकी खराबी का चलते आपात स्थिति में उतारे के पड़ल. सगरी यात्री सुरक्षित बाड़े.
  • मध्य प्रदेश के नरसिंहपुर जिला में दुर्घटना का बाद एगो मारुति वैन में आग लग गइल जवना से ओह पर सवार तीन लोग जर के मर गइल. लाश अबहीं चिन्हाइल नइखे.
  • एगो शोध में बतावल गइल बा कि देश में शहरी युवतियन के जीवन शैली, काम के लमहर घंटा आ देरी भइल बिआहन का चलते कृत्रिम गर्भाधान करावे वाली औरतन के संख्या बढ़ रहल बा.
  • किरण बेदी का बाद अब प्रशांतो भूषण के विशेषाधिकार हनन के नोटिस मिलल बा. प्रशांत भूषण के कहना बा कि ऊ अपना बयान पर कायम रहीहन. साँच बोलला से केहू के विशेषाधिकार के हनन ना हो सके.
  • मुम्बई हवाईअड्डा के मुख्य रनवे पर शनिचर का दिने फिसलल तुर्की जहाज अबहियो हटावल नइखे जा सकल जवना चलते मुख्य रनवे पर जहाजन के आवाजाही बंद बा. अगर मौसम ठीक रहल त साँझ पाँच बजे जहाज के हटावे के कोशिश कइल जाई.
  • उड़ीसा के मल्कानगिरी जिला में काल्हु रात नक्सली हमलावर एगो भाजपा कार्यकर्ता के गोली मारके हत्या कर दिहले सँ.
  • उज्जैन में साम्प्रदायिक हिंसा का बाद नौ थाना इलाका में कर्फ्यू

    उज्जैन, 3 सितम्बर (आईएएनएस). मध्य प्रदेश के उज्जैन शहर में दौलतगंज चौक पर गणेश प्रतिमा स्थापना होखला का चलते एगो संप्रदाय के लोग आपत्ति कइल आ कहल कि मूर्ति हटावल जाव. एही वाद विवाद में हिंसा भड़क गइल जवना में दू आदमी के मौत हो गइल बा आ एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

    हालात पर काबू पावे खातिर पुलिस लाठी चार्ज कइलसि आ आंसू गैस के गोला दगलसि. देर रात शहर के नौ गो थाना इलाका में कर्फ्यू लगा दिहल गइल. अगल बगल के जिलो से पुलिस मँगावल गइल बा. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

  • केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद के कहना बा कि देश में कुष्ठरोगियन के गिनिती जरुर घटल बा बाकिर ओकर उन्मूलन करे में अबही कई साल अउर लागी.
  • केंद्रीय दूरसंचार मंत्री कपिल सिब्बल कहलन कि कूट आंकड़ा का चलते सोशल नेटवर्किंग साइटन पर नजर राखल भारतीय सुरक्षा एजेंसियन ला मुश्किल काम बा.
  • इस्तीफे का बावजूद सेन के खिलाफ लोकसभा में महाभियोग चल सकेला

    नई दिल्ली, 3 सितम्बर (आईएएनएस). कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश पद से इस्तीफा दे चुकल सौमित्र सेन के खिलाफ लोकसभा में सोमार का दिने महाभियोग के कार्यवाही चल सकेला. बतावल जात बा कि महान्यायवादी जी.ई. वाहनवती एकर अनुशंसा कइले बाड़े कि सेन के इस्तीफा के बावजूद उनुका खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव ले आवल जा सकेला.
    इहो कहल जात बा कि राष्ट्रपति कार्यालय के मिलल फैक्स पर सेन के ‘वास्तविक हस्ताक्षर’ नइखे. अब ओहिजा असल कापी चहुँपे के इन्तजार हो रहल बा. जब असली इस्तीफा मिली तब दस्तखत मिलावल जाई.
    सेन अपना वकील के मार्फत बियफे का दिने कोलकाता में इस्तीफे के एलान कइले रहले. सेन का खिलाफ महाभियोग प्रस्ताव राज्यसभा में पारित हो चुकल बा.
    सेन का खिलाफ यदि लोकोसभा में प्रस्ताव पारित हो जाता त सेन देश पहिला न्यायाधीश होखहें जिनका के संसद कदाचार खातिर हटाई. सेन पर आरोप बा कि उच्च न्यायालय उनुका के साल 1983 में सेन के 33.23 लाख रुपिया के हेराफेरी करे के दोषी बतवले रहे. (इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

  • गुजरात के पूर्व मंत्री हरेन पंड्या के हत्या के मामिला में न्याय खातिर उनुकर दू गो बहिन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से गोहार लगइहें. एगो बहिन के आरोप बा कि पंड्या के हत्या में मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के हाथ रहे.
  • दिल्ली पुलिस तीन साल पहिले भइल मायापुरी विकिरण रिसाव हादसा खातिर दिल्ली विश्वविद्यालय के छह प्राध्यापकन का खिलाफ आरोपपत्र दाखिल कइले बिया. एह विकिरण से एक आदमी के मौत हो गइल रहे आठ गो लोग प्रभावित भइल रहे.
  • दलित, जनजाति आ अल्पसंख्यक संगठनन का ओर से संसदीय स्थायी समिति का सोझा एगो ‘बहुजन लोकपाल विधेयक’ के प्रारूप पेश कइल गइल बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने दिल्ली पुलिस से कहलसि कि ऊ पता लगावे ‘वोट खातिर नोट’ मामिला में रुपिया कहाँ से आइल रहे. एह काम खातिर पुलिस के चार सप्ताह के समय दिहल गइल बा.

दुनिया

  • आर्थिक संकट के मुकाबला करे खातिर ब्राजील आपन राजकोषीय खरचा आ निवेश बढ़ाई. कहली ब्राजील के राष्ट्रपति डिल्मा रोसेफ.
  • लीबिया के प्रशासन पूरा तरह अपना हाथ में लेबे खातिर विद्रोहियन के राष्ट्रीय अस्थायी परिषद के अधिकारी बेनघाजी से राजधानी त्रिपोली का ओर बढ़े के तइयार भइले.
  • ईरान अंतर्राष्ट्रीय समुदाय से परमाणु हथियारन के पूरा खात्मा आ ओकरा परीक्षण पर पूरा रोक लगावे के माँग कइले बा.
  • न्यूयार्क सिटी के मेयर माइकल ब्लूमबर्ग सिख कोलिशन के पेश एगो विधेयक पर दस्तखत कर के ओकरा के कानून बना दिहले. अब एहिजा काम करे वाला कमचारियन के धर्म का आधार पर संरक्षण दिहल जाई.
  • इराक में पिछला सात साल में 2003 से 2010 का बीच भइल आत्मघाती हमलन से 12,000 से अधिका नागरिकन के मौत भइल बा.
  • लश्कर के एगो पाकिस्तानी समर्थक अमेरिका में गिरफ्तार कर लिहल गइल. लश्कर पर आरोप बा कि मुंबई हमला के पीछे उहे रहुवे.
  • अल्जीयर्स चहुँपल गद्दाफी के परिवार के सुरक्षा खातिर नजरबंद कर के राखल जाई.

व्यापार व्यवसाय

  • मारुति-सुजुकी के मानेसर संयंत्र पर नया इकाई शुरू होखला का एक दिन बाद शनिचर का दिने 150 कार के उत्पादन भइल. एही संयंत्र पर श्रमिक समस्या पैदा भइल रहे.
  • रूस लीबिया में कारोबार करत अपना कम्पनियन के हित के रक्षा करत रहे के बाति कहले बा.

मनोरंजन

  • सलमान खान अभिनीत फिल्म ‘बॉडीगार्ड’ एक के बाद एक सफलता के नया आयाम बनवले जात बिया. घरेलू बाजार में कमाई के लिहाज से शानदार प्रदर्शन कइला का बाद अब ई फिल्म ने विदेश में कमाई के शाहरुख खान के फिल्म ‘माई नेम इज खान’ के मानको तूड़ दिहले बिया.
  • बीतल जमाना के मशहूर अभिनेता शम्मी कपूर के अस्थी जम्मू कश्मीर का डल झील में दहवा दिहल गइल. कबो एही डल झील में तैरत शिकारा पर उनुकर गीत ‘तारीफ करूं क्या उसकी’ फिल्मावल गइल रहे.

खेल

  • पहला एकदिना में भारत के बढ़िया पारी पर बरखा के पानी कहर बरसा दिहलसि लागत बा. खेल आठवाँ ओवर में बरखा का चलते रोक दिहल गइल बा. खेल के मान्यता खातिर कम से कम बीस ओवर के खेल होखल जरूरी बा.
  • श्रीलंकाई क्रिकेट टीम के तीन मैचन का टेस्ट श्रृंखला के पहिलका मैच में 125 रन से हरा दिहलसे. एह जीत से आस्ट्रेलियाई कप्तान माइकल क्लार्क बहुते खुश बाड़े. पहिला पारी में 95 रन बनावे वाला माइकल हसी के ‘मैन ऑफ द मैच’ चुनल गइल बा.
  • रिवरसाइड मैदान पर इंग्लैंड का साथ होत पहिला एकदिना में टॉस हरला का बाद बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय क्रिकेट टीम के शानदार शुरुआत का बाद सलामी बल्लेबाज अंजिक्य रेहाने 40 रन बना के आउट हो गइले.
  • एशियाई चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी : भारत अपना पहिला मैच में चीन के 5-0 से हरवलसि.
  • श्रीलंका क्रिकेट टीम के कप्तान रहल माहेला जयवर्धने शतकन का दौड़ में आस्ट्रेलिया के सर डोनाल्ड ब्रैडमैन के बराबरी कर लिहले. ब्रैडमैन आ जयवर्धने टेस्ट मैचन में 29-29 शतक लगवले बाड़े.
  • अमेरिकी ओपन में भारत के लिएंडर पेस, रोहन बोपन्ना आ सानिया मिर्जा अपना-अपना जोड़ीदारन का साथ अमेरिकी ओपन के तीसरा दौर में पहुंच गइल बा लोग.
  • गॉल टेस्ट में आस्ट्रेलिया के जीत के राह में आइल बरखा. आजु खेल शुरु नइखे हो पावल.
  • चीन के शहर ओरडोस में आजु पहिला एशियाई पुरुष चैम्पियंस ट्रॉफी हॉकी प्रतियोगिता में भारत के मुकाबला उद्घाटन मैच खातिर मेजबान चीन का साथे होई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up