देश दुनिया के खबर, सोमार 29 अगस्त का दिने

by | Aug 29, 2011 | 0 comments

देश

  • सोमार का दिने केंद्र सरकार सकार लिहलसि कि भीख मांगल अबहियो देश के बड़हन सामाजिक समस्यन में से एगो बावे बाकिर एकरा बावजूद ओकरा नइखे मालूम कि देश मे भिखारिअन के गिनिती कतना में बा.
  • घूस लेते पकड़ाइल आयकर आयुक्त दयाशंकर
  • सर्वोच्च न्यायालय से सोमार के कहल गइल बा कि चार जून के रामलीला मैदान से योग गुरु बाबा रामदेव के निकाल बाहर कइला का मामिला में केंद्रीय गृह सचिव अउर दिल्ली पुलिस के दाखिल हलफनामन में कुछुवो साफ नइखे बतावल गइल.
  • एकीकृत रक्षा स्टाफ के प्रमुख वाइस एडमिरल शेखर सिन्हा का आवास का बहरी तैनात एगो सुरक्षाकर्मी ने सोमार का दिने अपने बंदूक से गोली मारके आत्महत्या कर लिहलसि.
  • प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्यारन के फाँसी से बचावे खातिर तमिलनाडू में अदालत में याचिका लगावल गइल बा आ जगहे-जगह प्रदर्शन कइल जा रहल बा आ कुछ लोग आपन जानो दे देबे के धमकी दिहले बा. करुणानिधि के पार्टी डीएमके एह बाति के बड़हन मुद्दा बना लिहले बावे.
  • केंद्रीय दूरसंचार मंत्री कपिल सिब्बल कहले बाड़न कि देश में आइल दूरसंचार क्रांति से गांव के लोगन के बेसी फायदा नइखे मिलल.
  • कानून अउर न्याय सम्बंधी संसद के स्थायी समिति के अध्यक्ष अभिषेक मनु सिंघवी फेर कहले बाड़न कि मानसून सत्र से पहिले लोकपाल विधेयक पर सिफारिश सउँप दीहें बाकिर इहो कहलन कि एकरा के पारित करावे के कवनो समय सीमा ना बतावल जा सके.
  • मैसूर के पूर्व शासक कृष्ण राज वोदयार-चतुर्थ के सौ साल पुरान रॉल्स रॉयस कार के निलामी से 4,00,000 पाउंड (6,50,000 डॉलर) मिले के उम्मीद कइल हा रहल बा.
  • मुम्बई में मूसलधार बारिश से 15 जने के मौत. कई रेलगाडी बन्द.
  • छत्तीसगढ़ विधानसभा सत्र के पहिला दिने सदन में हंगामा कइला का चलते कांग्रेस के 37 गो अउर बसपा के एगो विधायक के दिन भर खातिर निलम्बित कर दिहल गइल.
  • मध्य प्रदेश के उज्जैन में महाकालेश्वर के सावन-भादो के अंतिम सवारी सोमार का दिने धूमधाम से निकालल गइल.
  • राष्ट्रपति 3 दिन का यात्रा पर केरल चहुँपली.
  • भारतीय जनता पार्टी के कहना बा कि राजीव गांधी के हत्यारन, मुरुगन, सनथन अउर पेरारिवलन, के पक्ष में मुकदमा लड़े के फैसला अधिवक्ता राम जेठमलानी के ह आ ओकरा से पार्टी के कवनो लेना देना नइखे.
  • हास्य अभिनेता आ व्यंग्यकार जसपाल भट्टी के कहना बा कि भ्रष्टाचार विरोधी आंदोलन के सफलता खातिर धन्यवाद अन्ना हजारे, सरकार भा केहू अउर के दिहला का जगहा जेल में बंद ए. राजा, सुरेश कलमाडी आ कनिमोझी के देबे के चाहीं जे लोग भ्रष्टाचार के अतना ऊँचाई दिहल.
  • योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया कहले बाड़े कि 12वीं पंचवर्षीय योजना में आर्थिक नीति बनावत समय खास तौर से सीमित संसाधनों के आवंटन में अधिका पारदर्शिता ले आवे के इंतजाम कइल जाई.
  • मध्य प्रदेश के छिंदवाड़ा जिले में पोला पर्व के दुसरका दिने गोटमार मेला में भइल पत्थरबाजी में 30 से अधिका लोग चुटहिल भइल बा. ई पत्थरबाजी कवनो झगड़ा खातिर ना होके पुरान परम्परा निभावे खातिर भइल.
  • मणिमहेश तीर्थयात्रा के तहत भगवान शिव के पवित्र छड़ी यात्रा सोमार का दिने चम्बा से ढोलक के थाप आ शहनाई का गूंज का बीच शुरू हो गइल बा.
  • गुजरात उच्च न्यायालय राज्य के पूर्व मंत्री हरेन पंड्या हत्याकांड में 12 गो आरोपियों के हत्या के आरोप से बरी कर दिहलसि बाकिर आपराधिक षड्यंत्र समेत बाकी आरोप बनवले रखलसि.
  • अस्पताल में भरती करावल अन्ना हजारे के स्वास्थ्य में सुधार हो रहल बा. अबही ले उनुका के सामान्य भोजन नइखे दिहल जात.
  • अन्ना हजारे के समर्थन में पिछला हफ्ता आत्मदाह करे के कोशिश में झँउसल दिनेश यादव के आजु सोमार का दिने अस्पताल में मौत हो गइल.
  • इंदौर में जाली नोट का साथे दू आदमी गिरफ्तार. दुनु महाराष्ट्र से जाली नोट ले आके एहिजा चलावत रहले.
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता सोमार का दिने तमिलनाडु के लोग के बतवली की उनुका लगे प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के हत्यारन के माफी देबे के अधिकार नइखे.
  • येदियुरप्पा की जमानत याचिका कर्नाटक हाई कोर्ट में सोमार का दिने खारिज कर दिहल गइल.
  • तृणमूल कांग्रेसो बनाई आपन छात्र संगठन. एह संगठन के लोग दू साल शहर आ गाँव में सेवा दी जवना का बाद ओह लोग के प्रशिक्षण अउर नौकरी दिहल जाई.
  • स्वामी अग्निवेश के एगो विवादित वीडियो सामने आइल बा जवना में उनुका के कपिल सिब्बल से बतियावत आ अन्ना का खिलाफ टिप्पणी करत देखावल गइल बा. अग्निवेश एह वीडियो के फेर बदल कइल बतवले बाड़े.
  • राजस्थान के टोंक जिला में अतवार का दिने 32 साल के एगो इंजीनियर अपना ससुराल में अपना पत्नी आ तीन गो दोसर रिश्तेदारन के गोली मारके हत्या कर दिहलसि आ बाद में

दुनिया

  • लीबिया के विद्रोही संगठन प्रमुख कहले बाड़न कि तानाशाह मुअम्मार गद्दाफी अबही कहाँ आ कवना हाल में बा एकर पता त नइखे बाकिर ऊ अबहियो एगो खतरा बनल बा.
  • दया का आधार पर माफी पवले लॉकरबी विमान बम कांड के साजिशकर्ता लीबिया का राजधानी त्रिपोली में अपना महतारी का घर में मिलल बा. पहिले सोचल गइल रहे कि ऊ मुअम्मार गद्दाफी का साथे भाग गइल बा. लाकरबी कांड में 270 लोग के जान गइल रहे.
  • लीबिया में मार्च में विद्रोह भड़कला का बाद कर्नल गद्दाफी के सेना के गिरफ्तार कइल करीब 50 हजार विद्रोहियन के पता नइखे लागत.
  • जापान के वित्त मंत्री योशिहिको नोडा ओहिजा के अगिला प्रधानमंत्री बने का तइयारी में बाड़न.
  • रूस के राष्ट्रपति दमित्रि मेदवेदेव चार दिसम्बर के ओहिजा के संसद के चुनाव करावे के एलान कइले बाड़न.
  • भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार शिवशंकर मेनन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के बांगला देश के दौरा पर जाये से पहिले बांग्लादेश जा के ओहिजा के शीर्ष अधिकारियन का साथे विस्तार से बतियवले.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह नेपाल के नयका प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई के बधाई दिहले आ उनुका के भारत आवे के नेवतो दिहले.
  • ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खमेनेई ईद-उल-फितर का मौका पर 1,218 कैदियन के माफी दे दिहले बाड़न.
  • नेपाल के नवका चुनाइल प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई आजु अपना पद आ गोपनीयता के शपथ ले लिहलन.
  • इराक के राजधानी बगदाद में एगो मस्जिद में भइल आत्मघाती विस्फोट में 28 लोग के मौत हो गइल आ 40 जने घवाहिल हो गइले.

व्यापार व्यवसाय

  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के कहना बा कि यदि भारत आपन उच्च विकास दर बनवले राखे त वैश्विक अस्थिरता का माहौल में पूंजी के प्रवाह भारत ओरी हो सकेला.
  • शेयर बाजार लगवलसि छलांग, सेंसेक्स 567 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन मामिला के सुनवाई करत सीबीआई अदालत 17 आरोपियन का खिलाफ आरोप तय करे पर आपन आदेश सुरक्षित राख लिहलसि.
  • दूरसंचार मंत्री कपिल सिब्बल सोमार के कहले कि पुरान सरकारी कम्पनी वीएसएनएल के जरूरत से अधिका जमीन बेचे का बारे में कैबिनेट नोट तइयार कर लिहल गइल बा. आ अब एकरा के मंजूरी खातिर मंत्रिमंडल का सोझा भेजल जाईई.
  • जवान बनवले राखे वाली गोली बेचे खातिर दू गो जापानी कंपनी भारत में आ रहल बाड़ी सँ. देश में एक अरब डॉलर के पोषण आ दवा बाजार बा.
  • गैर-बैंकिंग वित्तीय कम्पनियन खातिर भारतीय रिजर्व बैंक नया नीति प्रस्ताव रखले बा. एह नियम का बाद कवनो गैर-बैंकिंग कम्पनी के 25 फीसदी भा ओहसे बेसी हिस्सेदारी बेचे खरीदे से पहिले रिजर्व बैंक से अनुमति लेबे के होई.
  • चीन में पिछला छह महीना में चर्बी घटावे वाली गैर-कानूनी दवा के निर्माण आ बिक्री के आरोप में 989 लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.

मनोरंजन

  • अभिनेता आमिर खान मणिपुर की मानवाधिकार कार्यकर्ता इरोम चानू शर्मिलो के समर्थन कइले बाड़न. शर्मिला पूर्वोत्तर राज्यन में लागू सशस्त्र बल (विशेष शक्तियां) अधिनियम के हटावे खातिर पिछला दस साल से बेसी से भूख हड़ताल पर बाड़ी.
  • सांसदन का खिलाफ टिप्पणी का चलते आलोचना झेलत ओमपुरी का साथे अइलन अनुपम खेर. अलग बाति बा कि ओम पुरी आपन कहल बात खातिर माफी मँगले बाड़न.
  • सांसदन के अनपढ़, गँवार, नालायक वगैरह कहला खातिर अभिनेता ओम पुरी माफी मँगले बाड़न, ओम पुरी के कहना बा कि ऊ जज्बात मे “बहक” गइल रहलन. ओम पुरी आ किरण बेदी का खिलाफ संसद में विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव के सूचना दिहल गइल बा.

खेल

  • मप्र में खेल पुरस्कार के राशि दोगुना कर दिहल गइल बा.
  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप : विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के 13वां संस्करण में आजु भारत खातिर कवनो बड़हन खबर त ना रहल बाकिर विकास गौड़ा चक्का फेंक स्पर्धा के फाइनल में पहुंचल बाड़े.
  • विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में अमेरिका के कार्मेलिटा जेटर दुनिया के सबले तेज धाविका बन गइल बाड़ी.
  • जापान के कोजी मुरोफुसी ने 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के हैमर थ्रो स्पर्धा के स्वर्ण पदक अपना नामे कर लिहलन.
  • विश्व के माथ वरीयता वाली डेनमार्क के महिला टेनिस खिलाड़ी कैरोलिन वोजनियास्की लगातार चउथा बेर डब्ल्यूटीए न्यू हैवन टूर्नामेंट के एकल खिताब जीतके वीनस विलियम्स, मार्टिना नवरातिलोवा अउर स्टेफी ग्राफ जइसन महान खिलाड़ियन का सूची में शामिल हो गइल बाड़ी.
  • भारत के शीर्ष वरीयता प्राप्त एकल टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन पेशेवर टेनिस संघ (एटीपी) के टटका विश्व वरीयता एकल क्रम में 64वां जगहा पर बनल बाड़न.
  • वेनेजुएला का साथ दू सितम्बर के सॉल्ट लेक स्टेडियम में होखे वाला दोस्ताना अंतर्राष्ट्रीय मुकाबला खेले अर्जेटीना के राष्ट्रीय फुटबाल टीम राष्ट्रीय कोच अलेजांद्रो साबेला का देखरेख में आजु भारत आ गइल.
  • भारत के चक्का फेंक खिलाड़ी विकास गौड़ दक्षिण कोरिया में हो रहल 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़न.
  • कपार में लागल गम्हीराह चोट से ना उबर पवला का चलते गौतम गंभीर के एकदिना खेलला पर संदेह बा आ ऊ वापिस लवटि सकेलें.
  • इथियोपिया के युवा धावक 22 वर्षीय इब्राहिम जेइलान 13वां विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप के 10,000 मीटर स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीत के आपन सपना पूरा लिहलन.
  • आजु खेल दिवस का अवसर पर राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील एगो विशेष समारोह में निशानेबाज गगन नारंग को देश के सर्वोच्च खेल सम्मान-राजीव गांधी खेल रत्न से सम्मानित कइली. एकरा अलावे 19 गो दोसर खिलाड़ियन के अर्जुन पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
  • अनेके स्पर्धा में ओलम्पिक क्वालीफायर ना मिल पवला का बाद पाकिस्तान 2012 लंदन ओलम्पिक खातिर कुश्ती, निशानेबाजी, एथलेटिक्स अउर तैराकी स्पर्धा में वाइल्ड कार्ड देबे के निहोरा कइले बा.
  • भारत के दीपिका कुमारी पोलैंड के लेग्निका में होत विश्व युवा तीरंदाजी चैम्पियनशिप के महिला रिकर्व स्पर्धा के जूनियर वर्ग में स्वर्ण पदक हासिल कर लिहली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up