देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 24, 2011 | 0 comments

(शनिचर 24 सितम्बर)
देश

  • हिमाचल प्रदेश में अगिला महीने से सामाजिक-आर्थिक अउर जात आधारित जनगणना-2011 करावल हाई. राज्य सरकार आजु शनिचर का दिने ई फैसला ले लिहलसि.
  • मुम्बई पुलिस प्रमुख शनिचर का दिने दावा कइले कि दू महीना पहिले मुंबई में 13 जुलाई के तीन गो सिलसिलेवार बम विस्फोट करावे वाला गिरोह के चिह्न लिहल गइल बा. बाकिर ओह गिरोह के ऊ मनाम नइखन बतावत.
  • भारत आजु अपना परमाणविक क्षमता वाला मिसाइल ‘शौर्य’ के सफल परीक्षण कइलसि.
  • भाजपा के कहना बा कि चिदम्बरम के ए राजा का साथे जेल में होखे के चाहीं.
  • ताड़ तेल मामला के सुनवाई करत न्यायाधीश पी.के. हनीफा ने शनिचर का दिने उच्च न्यायालय से गोहार लगवलन कि एह मामिला के दोसरा अदालत के दे दिहल जाव.
  • मनमोहन सिंह ईरान के राष्ट्रपति अहमदीनेजाद से भेंट कइलें.
  • ओडिशा में बीजू जनता दल के विधायक जगबंधु माझी अउर उनुका निजी सुरक्षाकर्मी के नबरंगपुर जिला में आजु शनिचर के भीड़भाड़ भरल जगहा में कुछ अनजान लोग गोली मार दिहल.
  • ओडिशा में बाढ़ के हालात अउरी खराब भइल, भोजन के पैकेट गिरावल गइल.
  • अलग तेलंगाना राज्य मांगत विद्युतकर्मी मुख्यमंत्री एन. किरणकुमार रेड्डी अउर दोसरो मंत्रियन के बिजली काट देबे के धमकी दिहले बाड़न.
  • तमिलनाडु पुलिस द्रविड़ मुनेत्र कड़गम नेता आ मत्स्य पालन मंत्री रहल के.पी.पी. सामी के एगो मछुआरा के अपहरण आ हत्या के साजिश रचे का मामिला में आजु शनिचर के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • प्रधानमंत्री बसंत साठे का निधन पर शोक जतवले.
  • सीनियर कांग्रेसी नेता आ मंत्री रहल वसन्त साठे के मौत शुक का देर साँझ दिल का दौरा पड़ला से हो गइल. ऊ 86 बरीस के रहले ह.
  • जोधपुर के एगो अदालत नर्स भंवरी देवी के गुमशुदगी का मामिला में पुलिस के आदेश दिहले बा कि ऊ एफआईआर में राजस्थान के जल संसाधन मंत्री महिपाल मदेरणा के नाम आरोपी बना के शामिल करे.
  • पितृत्व मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय शुक का दिने कहलसि कि नारायण दत्त तिवारी के डीएनए नमूना देबे खातिर ‘शारीरिक तौर पर मजबूर’ ना कइल जा सके बाकिर उनुकर इन्कार ‘दुर्भावनापूर्ण अउर अन्यायपूर्ण’ बावे.
  • भुल्लर के क्षमादान पर भाजपा अकाली दल के समर्थन ना करी.
  • हिमाचल प्रदेश शुक का दिने सिक्किम के 2 करोड़ रुपिया के सहायता राशि दिहलसि.
  • अफजल गुरु के माफ करावे के प्रस्ताव के समर्थन करी पीडीपी.

दुनिया के खबर

  • नासा का अनियंत्रित उपग्रह वायुमंडल में दाखिल हो गइल बा.
  • यमन में सरकार विरोधी प्रदर्शनकारियन परफायरिंग का बाद 16 लोग के मौत हो गइल. सरकारी पुलिस के फायरिंग में ई सभमौत भइल बा.
  • इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतान्याहू संयुक्त राष्ट्र महासभा के शुक का दिने संबोधित करत कहलें कि इजरायल फिलीस्तीन का साथे शांति से रहल चाहत बा बाकिर ई काम संयुक्त राष्ट्र प्रस्ताव से ना बलुक आपसी बातचीते से हो पाई.
  • इजरायल शुक का दिने संयुक्त राष्ट्र महासभा में दिहल फिलीस्तीनी राष्ट्रपति महमूद अब्बास के भाषण के भड़काऊ बतवले बा.
  • फिलीस्तीन के अलगा स्वतंत्र राष्ट्र घोषित करे के निहोरा पर सुरक्षा परिषद में सोमार के विचार होई. भारत एह दावेदारी के समर्थन कइले बा जबकि अमेरिका वीटो कर देबे के धमकी.
  • पाकिस्तान में शुक का रात भइल अमेरिकी ड्रोन हमला में 8 लोग मरा गइले.
  • पाकिस्तान के दक्षिणी पश्चिमी क्षेत्र बलूचिस्तान प्रांत में कुछ बंदूकधारी चार गो शिया मुसलमानन के हत्या कर के अपना गाड़ी से फरार हो गइले.
  • भारत अउर चीन का बीच पहिला दौर के द्विपक्षीय सामरिक आर्थिक वार्ता सोमार का दिने होखी.
  • रवांडा के राष्ट्रपति न्यूयार्क का जवना होटल में ठहरल बाड़े तवना के एक रात के खरचा बीस हजार डालर हवे. एतना धन कमाये में रवांडा के आम आदमी के अठारह साल लाग जाला.
  • भारत 28 साल बाद बियफे का दिने विकासशील देशन के संगठन जी-24 के अध्यक्षता सम्हरलसि.
  • दलाई लामा के कहना बा कि पुनर्जन्म लिहल उनुकर निजी अधिकार ह जवना में केहू दखल ना दे सके.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • 2जी मामले में उठल विवाद में विदेश से कवनो प्रतिक्रिया देबे से वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी मना कर दिहले. कहलन कि देश लवटला का बादे कुछ बोलीहें.
  • 2जी मामला में राजग सरकार का समय वित्त मंत्री रहल जसवंत सिंह के बयान आजु सीबीआई दर्ज कइलसि.
  • पिछला हफ्ता देश के पूंजी भंडार में 26.6 करोड़ डॉलर के बढ़ोतरी भइल. पिछला हफ्ता 4.29 अरब डॉलर के गिरावट भइल रहे.
  • पिछला हफ्ता देश के शेयर बाजार में बड़हन गिरावट देखे के मिलल. बियफे आ शुक दू दिन में सेंसेक्स नौ सौ से अधिका अंक नीचे गिरल. कुल 4.56 फीसदी के गिरावट भइल.
  • 2जी घोटाला के आँच का चलते अतवार का दिने प्रधानमंत्री से मिलीहें प्रणब मुखर्जी.
  • 2जी घोटाला मामिला के पड़ताल करत जेपीसी वित्त मंत्रालय से ओह टिप्पणी के कॉपी मँगले बा जवना में कहल गइल बा कि अगर तब के वित्त मंत्री पी. चिदम्बरम अड़ल रहतन त स्पेक्ट्रम के नीलामी हो सकत रहुवे.
  • सोनिया गाँधी टूजी घोटाला में घेराइल चिदम्बरम के साथ देबे खातिर अपना पार्टी के नेतवन के आदेश दिहले बाड़ी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • सोशलाइट पेरिस हिल्टन तीन दिने के भारत यात्रा पर आजु शनिचर भोरे मुंबई चहुँपली.
  • एह साल ऑस्कर पुरस्कारन ला भारत का ओर से राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता मलयालम फिल्म ‘आदमिंते मकान अबु’ के नामित कइल गइल बा.
  • फिल्म ‘डिपार्टमेंट’ का शूटिंग का दौरान बॉलीवुड महानायक अमिताभ बच्चन घाहिल हो गइल बाड़े आ उनुकर छाती के बाती टूट गइल बा.
  • मशहूर गजल गायक जगजीत सिंह के दिमाग के नस फाट गइल बा जवना का बाद से उनुका के शुक के लीलावती अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ ऑपरेशन का बादो उनुकर हालत खराबे बतावल जात बा.
  • दिवाली का मौका पर रिलीज होखी राजा बुंदेला निर्देशित फिल्म ‘प्यार बेशुमार’. एहमें बुंदेलखंड के लोग के जमीनी हकीकत देखावल गइल बा.
  • प्रसिद्ध अभिनेता पंकज कपूर के निर्देशन में बनल पहिलका फिल्म ‘मौसम’ अपना प्रदर्शन के पहिलके दिने करीब नौ करोड़ रुपये के कमाई कइलसि. एह फिल्म में पंकज कपूर के बेटा शाहिद कपूर आ अभिनेत्री सोनम कपूर मुख्य भूमिका में बाड़न.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग में आजु शनिचर का दिने भइल पहिला मुकाबला में केप कोबराज न्यू साउथ वेल्स के सात विकेट से हरा दिहले.
  • चैम्पियंस लीग में अतवार का दिने कोलकाता नाइट राइडर्स आ समरसेट क्लब का बीच मुकाबला.
  • चैम्पियंस लीग में आजु शनिचर का दिने सुपर किंग्स के मुम्बई इंडियंस का साथे आ न्यू साउथ वेल्स आ केप कोबराज टीम के मैच होखे वाला बा.
  • जापान ओपन बैडमिंटन का फाइनल में मलेशिया के ली चोंग वेई
  • जापान ओपन बैडमिंटन का सेमीफाइनल में भारत के सायना नेहवाल हार गइली आ एह टूर्नामेंट में भारतीय चुनौती खतम हो गइल.
  • पहिलका ट्वेंटी-20 मुकाबला में इंग्लैंड वेस्ट इंडीज के दस विकेट से हरा दिहलसि.
  • चैम्पियंस लीग में काल्हु शुक का दिने एगो रोमांचक मुकाबला में वॉरियर्स रॉयल चैलेंजर्स के तीन विकेट से हरा दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up