देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 29, 2011 | 0 comments

(बुध 28 सितम्बर)
देश

  • 2जी मामला में प्रणब दा प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखले

    नई दिल्ली, 28 सितम्बर (आईएएनएस). 2जी स्पेक्ट्रम मामिला में केन्द्र सरकार एनकेनप्रकारेण चिदम्बरम के पाक साफ बतावे का कोशिश में लागल बिया तले वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी प्रधानमंत्री आ सोनिया गाँधी के चिट्ठी भेज के बतवले बाड़न कि वित्त मंत्रालय के टिप्पणी बतावल जात नोट असल में कई मंत्रालयन आ प्रधानमंत्री कार्यालय के सहमति से बनावल गइल रहुवे.

    एकरा बाद भाजपा फेर चिदम्बरम के इस्तीफा मँगले बिया आ कहले बिया कि मनमोहन सिंह उनुका के कहाँ कहाँ बचइहन. चिदम्बरम पर विमान खरीदो में गड़बड़ी करे के आरोप कैग लगवले बा. भाजपा के कहना बा कि सरकार अगर गिरी त अपना चलते काहे कि भाजपा का लगे अतना समर्थन नइखे कि ऊ सरकार गिरा सको.

    कांग्रेस के कहना बा कि भाजपा अपना हार के खीझ उतारत बिया आ जवन मामिला अदालत में विचाराधीन बा ओह पर रोजे आपन फैसला सुनावत बिया जवन गलत बा.

  • भारत-पाक व्यापार संगठन आपसी व्यापार बढ़ावे के समझौता पर हस्ताक्षर कइले.
  • उद्योगपति विजय माल्या आजु बुध के बतवले कि किफायती विमानन कम्पनी किंगफिशर रेड के बंद कर दिहल जाई आ ओकरा के 31 जनवरी 2012 तक बेचे के काम पूरा करा लिहल जाई.
  • शिक्षा आ विकास में प्रौद्योगिकी के इस्तेमाल खातिर अजीम प्रेमजी फाउंडेशन के इग्नू का तरफ से राजीव गांधी अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
  • पुरानी दिल्ली के चांदनी महल इलाके में भहराइल एगो तिमंजिल इमारत में मरे वालन के गिनिती बुध का दिने सात हो गइल आ पच्चीस लोग घाहिल भइल बाड़े.
  • बुध के दिन पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी खातिर बहुते शगुनिया रहल जब ऊ भवानीपुर से विधानसभा चुनाव जीत गइली आ कलकत्ता उच्च न्यायालय सिंगूर भूमि कानून के जायज ठहरा दिहलसि. बसीरहाट विधानसभा सीट के उपचुनावो तृणमूल का अँचरा में गिरल बा.
  • प्रशांतभूषण सर्वोच्च न्यायालय में याचिका दाखिल करवले बाड़न कि सीबीआई चिदम्बरम केभूमिका जाँच नइखे पावत काहे कि सगरी आईपीएस अधिकारी गृहमंत्रालय का तहत आवेले.
  • चिदम्बरम के बचावे में लागल सीबीआई दयानिधि मारन का खिलाफ सुबूत जुटावे में तनिको ढिलाई नइखे बरतत आ हो सकेला कि एक दू दिन में दयानिधि मारन पर मुकदमा दर्ज करा दिहल जाव.
  • तेलंगाना आंदोलन 16वों दिने जारी रहल. अबही ले 32 गो विधायक इस्तीफा दे चुकल बाड़न.
  • मायावती कहले बाड़ी कि राज्य के विकास खातिर धन के कमी ना होखे दिहल जाई.
  • दिल्ली विकास प्राधिकरण आयुक्त रहला का दौरान राजधानी दिल्ली के 14,310 गो नाजायज मकान गिरा के ‘डिमोलिशन मैन’ बन जाये वाला के.जे. अल्फांस 10 साल बाद फेरु दिल्ली वापस आ गइल बाड़न. भाजपा कार्यालय में बइठल अल्फांसे अब राजनीति में से अनैतिका ढहावे में लगीहें.
  • काल्हु बियफे का दिने चीन आपन पहिलका अंतरिक्ष प्रयोगशाला माड्यूल प्रक्षेपित करे जा रहल बा.
  • बुध का दिने तेलंगाना समर्थक एगो मंत्री आ दु गो सांसदन पर आपन खीस उतरले. ऊ लोग इस्तीफा माँगत रहे.
  • संसद हमला के दोषी अफजल गुरु के माफी दिआवे के माँग करे वाला प्रस्ताव पर आजु जम्मू काश्मीर विधानसभा के अगिलका सत्र में होई. आजु के चरचा हंगामा का चलते ना हो पावल.
  • तिहाड़ में बंद भाजपा नेता लोगन से भेंट करे बुध का दिने आडवाणी आ जेटली चहुँपले.
  • प्रधानमंत्री आजु इंगलैण्ड के टोनी ब्लेयर खातिर भोज के आयोजन कइलन.
  • दिल्ली के एगो अदालत अमर सिंह के जमानत याचिका नकार दिहलसि. कहलसि कि अमर सिहं तबले अस्पताल में रहीहन जबले डाक्टर उनुका के रिहा नइखन कर देत. ठीक होखते उनुका के तिहाड़ जेल से बाहर कर दिहल गइल.
  • दुनिया भर में मशहूर मैसूर दशहरा उत्सव के शुरुआत बुध का दिने हो गइल.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह शुक का दिने आठ दिन का यात्रा पर स्विट्जरलैंड जइहें जहवाँ ऊ नोबेल पुरस्कार विजेता रबींद्रनाथ टैगोर के मूर्ति के अनावरण करीहें.
  • सर्वोच्च न्यायालय कहलसि कि फाँसी दिहला में देरी का आधार पर मृत्युदंड के आजीवन कारावास में बदले खातिर दायर याचिका पर राजनीतिक दबाव में अइला बिना विशुद्ध कानूनी आधार पर फैसला लिहल जाई. केन्द्र सरकार से अदालत दस अक्टूबर ले साफ बतावे के कहले बिया कि भुल्लर के फाँसी पर विचार करे में आठ साल काहे लागल ?
  • बुध का दिने स्वर साम्राज्ञी लता मंगेशकर आपन 82वां जन्मदिन मनवली.
  • राजस्थान सरकार ने लापता नर्स भंवरी देवी के नोटिस जारी कर के काम पर हाजिर होखे के आदेश दिहले बिया. भंवरी देवी के संबंध राज्य के मंत्री से बतावल जात बा आ कई दिन पहिले भंवरी देवी के गायब करा दिहल गइल बा. पुलिस भँवरी के खोजे भा मामिला के तफशीश में नाकाम रहल बिया काहे कि आरोपी एगो बड़हन आ मजबूत मंत्री हउवें.
  • मनमोहन के दावा बा कि उनुकर सरकार आपन पाँच साल पूरा कर के देखावल जाव.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान में चीनी दूतावास परिसर मीडिया विश्वविद्यालय खोले खातिर चीन सरकार पाकिस्तान के दे दिहलसि.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आवास का नियरा से एगो आतंकवादी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • ब्रिटेन में नाजायज तरीका से रहल 27 गो भारतीयन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • अमेरिका के कहना बा कि ऊ भारत का साथे हर जगहा आ हर क्षेत्र में काम कइल चाहत बा.
  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई अगिला हफ्ता भारत दौरा पर अइहन.
  • रूसी अंतरमहाद्विपीय बैलिस्टिक मिसाइल यार्स आरएस-24 का परीक्षण प्रक्षेपण विफल हो गइल बा.
  • अमेरिका पाकिस्तान के याद दिअवले बा कि दुनु देश के मिल के आतंकवादी खतरा, खासतौर से हक्कानी नेटवर्क से निपटे खातिर मिल के काम करे के बा. अमेरिका पाकिस्तान के ओह तर्क के खारिज कर दिहलसि जवना में कहल गइल बा कि शीत युद्ध के समय से अमेरिका के झुकाव भारत ओरी हो गइल बा.
  • संयुक्त राष्ट्र महासभा का 66वां अधिवेशन समाप्त हो गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मंगला का दिने शेयर बाजारों में गिरावट, सेंसेक्स 78 अंक नीचे गिरल.
  • अमेरिका के एगो वरिष्ठ अधिकारी के कहना बा कि भारतीय कम्पनियन में हजारों अमेरिकी लोग के रोजगार मिलल बा. कहलन कि अमेरिका में भारत के विनिवेश हर साल एक तिहाई बढ़त बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अपना निर्देशित फिल्म ‘चांदनी बार’ के 10वीं वर्षगांठ पर मधुर भंडारकर भावुक हो गइले. इहे फिल्म उनुका के बतौर निर्देशक स्थापित करवले रहुवे.
  • पंजाबी के प्रमुख नाटककार गुरशरण सिंह के बुध का दिने एगो लमहर बेमारी का बाद 82 बरीस का उमिर में निधन हो गइल.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग मैच में बुध का दिने चेन्नई सुपर किंग्स पहिलका जीत दर्ज कइलसि जब ऊ केप कोबराज टीम के चार विकेट से हरा दिहलसि. एकरा पहिले के दुनु मैच चेन्नई सुपर किंग्स हार गइल रहे.
  • आजु नवरात का पहिला दिने भारतीय क्रिकेट टीम के अनुभवी बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर अपना नया बँगला में चल गइलन. एह बंगला के दाम करीब पचास करोड़ बतावल जात बा.
  • चैम्पियंस लीग में मंगल का दिने बायर्न मैनचेस्टर सिटी के 2-0 से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up