देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 30, 2011 | 0 comments

(बियफे, 29 सितम्बर)
देश

  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आजु शुक के स्विटजरलैंड आ आस्ट्रिया के दौरा पर जइहें. उनुका साथे पचपन लोग के प्रतिनिधिमंडल जात बा जवना में संसदीय मामिलन के राज्य मंत्री राजीव शुक्ला, तीन गो सांसद आ सीनियर अधिकारी शामिल बाड़े.
  • तमिलनाडु के कृष्णागिरि जिला के वचाती में साल 1992 में 18 गो जनजातीय मेहरारूवन का साथे बलात्कार आ मारपीट का मामिला में जिला अदालत ने पुलिस, वन आ राजस्व विभाग के सगरी 269 कर्मचारियन के दोषी बतावत जेल के सजा सुना दिहलसि.
  • दिल्ली के जामिया मिलिया इस्लामिया चीन अउर अफगानिस्तान पर दू गो नया पाठ्यक्रम शुरू करे के फैसला कइले बिया.
  • तेलंगाना राज्य खातिर हड़ताल 17वों दिने जारी रहल.
  • उत्तरी कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में चार दिन ले चलल मुठभेड़ बियफे के खतम हो गइल. एहमें पाँच गो आतंकवादियन के लाश मिलल बा. चार गो सुरक्षाकर्मी एह मुठभेड़ में शहीद हो गइले.
  • 2जी मामिला में अदालत में सीबीआई चिदम्बरम के क्लिन चिट दे दिहलसि.कहलसि कि ऊ हमेशा नीलामी का पक्ष में रहले.
  • नौसेना खातिर बनावल जात बोइंग के टोही विमान के पहिला उड़ान काल्हु अमेरिका में करावल गइल. साल 2013 ले एह विमानन के आपूर्ति करे के बा.
  • भोपाल के बीआरटीएस कॉरीडोर खातिर केन्द्र सरकार 121 करोड़ रुपिया मंजूर कर दिहलसि.
  • दिल्ली में तेज रफ्तार से जात एगो कार बेकाबू हो के रेलवे पुल से नीचे गिर गइल आ ओकरा के चलावत एगो अठारह साल के लड़िका ओहिजे मर गइल.
  • 2जी मामला में सरकार अपना मंत्रियन के विवाद निपटा लिहलसि जब प्रणब मुखर्जी कह दिहले कि प्रधानमंत्री के नोट में भेजल विचार उनकर ना ह.
  • अन्ना हजारे अब ट्विटर-फेसबुक के दुनिया में डेग राख दिहले जब ऊ अपना ब्लॉग के शुरुआत कइले आ फेसबुक आ ट्विटर से जुड़लन.
  • जम्मू कश्मीर लिबरेशन फ्रंट (जेकेएलएफ) के अध्यक्ष मोहम्मद यासीन मलिक बियफे का दिने धमकी दिहले कि अगर अफजल गुरु के फांसी दिहल जात बा त घाटी में हिंसा के दौर फेर से शुरू हो जाई.
  • आंध्र प्रदेश में एगो मंत्री बियफे का दिने अपना दू गो मंत्रिमंडलीय सहयोगियन पर भ्रष्टाचार के आरोप लगावत ओह लोग के शिकायत राज्यपाल से कइले बाड़न.
  • शिरोमणि गुरुद्वारा प्रबंधक समिति के मानना बा कि गुरु ग्रंथ साहिब के अपमान करे वालन पर हत्या के मुकदमा चलावल जाव.
  • भाजपा कर्नाटक के कोप्पल विधानसभा सीट जीत लिहलसि. कोप्पल से भाजपा उम्मीदवार कराडी के 57,000 से अधिका मत मिलल जबकि कांग्रेस के बासावराज हितनल के लगभग 45,000 वोट. जनता दल (सेक्युलर) के प्रदीप पाटिल के 19,000 वोटो मिलल.
  • भूकम्प से बरबाद भइल सिक्किम के 1000 करोड़ रुपिया के अनुदान के घोषणा काल्हु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अपना दौरा का बाद कइले.
  • जमीन हड़पला से रोकल गइला से नाराज दू गो प्रापर्टी डीलर दिल्ली पुलिस के एगो कांस्टेबल के घर में घुसके ओकरा के गोली मारके हत्या कर दिहले.
  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी बियफे का दिने साफ कर दिहले कि आडवाणी प्रधानमंत्री बने का दौड़ में शामिल नइखन आ उनुकर रथयात्रा सुशासन आ स्वच्छ राजनीति खातिर चेतना जगावे ला होखी. एह रथयात्रा के संघ से पूरा समर्थन मिलल बा. रथ यात्रा के शुरुइत नीतीश कुमार सिताबदियारा से शुरु करवइहन. देश के अठारह गो राज्य से ई यात्रा गुजरी.
  • शिवसेना प्रमुख बाल ठाकरे भठियरपन का मुद्दा पर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से तुरते इस्तीफा देके लोकसभा भंग करे के सिफारिश करे के कहले बाड़े.
  • मुम्बई में रेलवे स्टेशनन पर नया सुरक्षा प्रणाली लगावल जाई.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी के कहना बा कि पाकिस्तान के हक्कानी नेटवर्क पर कार्रवाई करे खातिर दबावल ना जा सके.
  • तिब्बत में दमन खत्म होखे : कहलसि एमनेस्टी इंटरनेशनल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • किफायती विमानन कम्पनी गो-एयर आठ अक्टूबर से कोलकाता, पोर्ट ब्लेयर अउरी रांची खातिर उड़ान सेवा शुरू करी.
  • भारत आ पाकिस्तान के बैंक एक दोसरा देश में आपन शाखा खोलीहें. एकरा खातिर समझोता हो गइल बा.
  • निर्यातकन के दीवाली से पहिले कुछ प्रोत्साहन के घोषणा होखे के सकेत केंद्रीय वाणिज्य आ उद्योग मंत्री आनंद शर्मा बियफे का दिने दिहले.
  • हिमाचल प्रदेश में निजी बिल्डर अब फ्लैट बनाके बेचे के धंधा ना कर पइहें. सगरी अधिकार अब हिमाचल प्रदेश आवासीय आ शहरी विकास प्राधिकरण के दे दिहल गइल बा.
  • बियफे का दिने शुरुआती दबाव का बावजूद सेंसेक्स 252.05 अंक के तेजी का साथे बंद भइल.
  • महिंद्रा एंड महिन्द्रा आपन महँगा श्रेणी के एक्सयूवी 500 बाजार में उतरले बिया जवना के दिल्ली में दाम 10.8 लाख से 12.88 लाख रुपिया का बीच पड़ी.
  • केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल दयानिधि मारन का खिलाफ केस दर्ज होखे के अनेसा देखत दयानिधि मारन के बड़ भाई कलानिधि मारन के कम्पनी सन टीवी के शेयर में भारी गिरावट आइल बा.
  • एह साल अपना देश में शुरू के 9 महीना में 1.58 लाख टैबलेट (कम्प्यूटर आ इंटरनेट के सुविधा वाला मोबाइल उपकरण)बिकाइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बिपाशा बसु अपना शादी का बारे में अटकल नकार दिहले बाड़ी. कहले बारी कि अबहीं शादी करे के कवनो इरादा नइखे.
  • चार्ल्स शोभराज के मेहरारू नेपाल के निहिता विश्वास के ‘बिग बॉस 5’ में शामिल कइल गइल बा.

खेल के खबर

  • कोलकाता के फुटबॉल क्लब मोहन बागान के कहना बा कि ऊ अपना कोच स्टीफेन डैविड डर्बी के बदले के नइखे सोचत.
  • चैम्पियंस लीग मैच में बियफे का रात एम.चिन्नास्वामी स्टेडियम में ग्रुप-बी मुकाबला में कोलकाता नाइट राइडर्स टीम ने रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर के नौ विकेट से हरा के आपन पहिला जीत दर्ज कइलसि. एकरा पहिले के दुनु मैच ऊ हार गइल रहे.
  • स्ट्राइकर सबा अंजुम के आस्ट्रेलिया दौरे पर जाये वाला भारतीय महिला हॉकी टीम के कप्तान बनावल गइल बा.
  • ऑफ स्पिनर हरभजन सिंह के इंग्लैंड के साथे होखे जा रहल पांच मैचन के श्रृंखला के शुरुआती दू गो मैच में 15 सदस्यीय भारतीय क्रिकेट टीम में नइखे राखल गइल. सचिन तेंदुलकर आ वीरेंद्र सहवागो एहमें नइखन बाकिर गौतम गम्भीर के वापसी भइल बा. एकरा अलावा राहुल शर्मा आ श्रीनाथ अरविंद के मौका दिआइल बा.
  • आस्ट्रेलिया में 12 अक्टूबर से चार नवम्बर तक नौ खिलाड़ियन वाली चार देशन के अंतर्राष्ट्रीय सुपर सीरीज आ एगो अंतर्राष्ट्रीय टूर्नामेंट खातिर भारतीय हॉकी टीम के घोषणा कर दिहल गइल. एह टीम में ड्रैग फ्लिकर संदीप सिंह आ मिडफील्डर सरदार सिंह के शामिल कइल गइल बा. एह खिलाड़ियन पर लगावल प्रतिबंध हटा लिहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up