देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 3, 2011 | 0 comments

(अतवार, 2 अक्टूबर)
देश

  • जन लोकपाल के समर्थन खातिर देश के चालीस शहरन में अतवार का दिन गाँधी जयन्ती से जनमत संग्रह शुरू करावल गइल बा.
  • भोपाल के नवाब आ मशहूर क्रिकेट खिलाड़ी नवाब मंसूर अली खां पटौदी के बेटी सबा अली खान औकाफ-ए-शाही के मुतवल्ली होखीहन. वक्फ बोर्ड एकरा के मान लिहलसि.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री सदानंद गौड़ा के कहना बा कि नया लोकायुक्त के नियुक्ति में अबही समय लागी. एह मामिला में कवनो तरह के जल्दबाजी ना कइल जा सके.
  • गृह मंत्री चिदम्बरम का खिलाफ वित्त मंत्रालय के नोट के कानून मंत्री सलमान खुर्शीद “अवांछित हस्तक्षेप” बतवले बाड़न.
  • अलग तेलंगाना राज्य खातिर चलत ‘जन हड़ताल’ अतवार के बीसवों दिने जारी रहल.
  • इग्नू में होगा बहिरन खातिर ‘इंडियन साइन लैंग्वेज रिसर्च एंड ट्रेनिंग सेंटर’ के उद्घाटन मंगल चार अक्टूबर के होखी.
  • प्रणब मुखर्जी अपना इस्तीफे के पेशकश वाली बात गलत बतवले.
  • कर्नाटक चित्रदुर्गा में अपने में भिड़ गइले कांग्रेस कार्यकर्ता जब ओहमें से एक फरीक के नेता के नाम स्वागत भाषण में ना लिहल गइल.
  • मध्य प्रदेश के बैतूल में एगो तेंदुआ जहर खिया के मार देबे का मामिला में दू गो गाँव वालन के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • मध्य प्रदेश के इंदौर में भाजपा जिलाध्यक्ष रहल रीता उपमन्यु के बेटा चाणक्य उपमन्यु के लूटमारी आ चाकूबाजी का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल.
  • गाँधी जयंती का दिने राजघाट पर लउकली सोनिया गाँधी. अपना आपरेशन का बाद से ऊ पहिला बेर सार्वजनिक भइली.
  • ओडिशा सरकार स्वतंत्रता सेनानियन के पेंशन दुगुना कइलसि.

दुनिया के खबर

  • ईरान के सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खमेनी इजरायल आ फिलीस्तीन खातिर दू गो अलग राष्ट्र बनावे के विरोध कइले बाड़न.
  • अफगानिस्तान में सुरक्षा बल अलग अलग मुठभेड में 37 अतंकवादियन के मार गिरवले.
  • नेपाल के माओवादी प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई एह महीने भारत यात्रा पर अइहें.
  • थाईलैंड के प्रधानमंत्री यिंगलक शिनावात्रा के ट्विटर अकाउंट हैक करके ओह पर उनुके पर आरोप लगावल गइल बा.
  • लाहौर में डेंगू से मरे वालन के गिनिती 127 हो गइल.
  • श्रीलंका सरकार 1800 तमिल विद्रोहियन के रिहाकर दिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सितम्बर महीना में देश में 60 लाख डॉलर के विदेशी निवेश आइल.
  • पाकिस्तान भारत के आपन सबसे पसंदीदा देश के दर्जा दी जवना से दुनु देश का बीच व्यापार में सहुलियत हो जाई.
  • रिलायंस म्यूचुअल फंड के ध्यान खुदरा निवेशकन पर बा. ओ सांस्थनिक निवेशकन के संपत्ति प्रबंधन के अहमियत नइखे देत.
  • भारतीय फैशन डिजाइन परिषद के निदेशक रहल विनोद कौल के कहना बा कि फैशन वीक से नयका डिजाइनर के पहिचान भले मिल जाव, बिजनेस में कवनो इजाफा ना होला.
  • हिमाचल प्रदेश में अब डिस्पोजेबुल प्लास्टिक सामान पर रोक लगा दिहल गइल बा. थैली पर पहिले से रोक बा. अब पानी के बोतल छोड़ दोसर कवनो चीज प्लास्टिक पैक में ना बेचल जा सकी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • मशहूर बालीवुड अभिनेता गोविन्दा के बहिन आ भोजपुरी अभिनेता विनय आनन्द के महतारी पुष्पा आनन्द के काल्हु दिल के दौरा पड़ला का बाद निधन हो गइल.
  • ‘जस्ट डांस’ के विजेता बनले कोलकाता के अंकन सेन. स्टार प्लस के एह शो के विजेता बनला पर उनुका के एक करोड़ रुपिया के पुरस्कार मिलल बा.
  • बॉलीवुड के मशहूर संगीतकार आ अभिनेता हिमेश रेशमिया अबही कॉमेडी फिल्म ‘दमादम’ में अभिनय करत बाड़न बाकिर कहलन कि उनकर योजना अंग्रेजी फिलिम करे के बा.
  • जयपुर के अजमत हुसैन दस साल का उमिर में जी टीवी के मशहूर रिएलिटी शो ‘सा रे गा मा पा लिटिल चैंम्पस’ में खिताब जीत लिहलसि.

खेल के खबर

  • चैम्पियंस लीग मैच में त्रिनिदाद अउर टोबैगो टीम आपन पहिलका जीत हासिल कइले जब ऊ चेन्नई सुपर किंग्स के बारह रन से हरा दिहले.
  • विश्व मुक्केबाजी चैम्पियनशिप में मनोज आ दिनेश प्री-क्वार्टर फाइनल में चहुँपले बाकिर सुरंजय सिंह हार के बाहर हो गइले.
  • देहरादून में होखत आईटीटीएफ इंडिया ओपन जूनियर आ कैडेट टेबल टेनिस चैम्पियनशिप में 10 में से आठ गो खिताब भारत का नामे रहल.
  • मलेशियन ओपन टेनिस टूर्नामेंट में साइप्रस के बघदातिस के हराके सर्बिया के टिप्सारेविक खिताब जीत लिहलन.
  • चैम्पियंस लीग मैच में आस्ट्रेलिया के न्यू साउथ वेल्स टीम मुंबई इण्दियंस के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.
  • ईरानी ट्रॉफी मैच में शेष भारत राजस्थान का खिलाफ बड़हन स्कोर खड़ा कइलसि. जबाब में खेले उतरल राजस्थान के तीन गो विकेट दोसरका दिन का खेल में गिर गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up