देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 12, 2011 | 0 comments

(मंगल, 11 अक्टूबर)
देश

  • कांग्रेस कोर समूह तेलंगाना पर चर्चा कइलसि बाकिर कवनो फैसला लिहला से पहिले अबही अउरी विचार विमर्श करे के बाति कहल जात बा.
  • आडवाणी का रथ यात्रा वाला बस में एयरकंडीशनर से डीजल के भाप अइला का चलते भीतर दमघोंटू माहौल बनि गइल जवना सलते अरुण जेटली आ सुषमा स्वराज के तबियत बिगड़ गइल. एह कारण ई दुनु जने पटना के गाँधी मैदान में जनसभा में ना अइलें.
  • विदेश यात्रा में रहला का चलते झारखण्ड के मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा लालकृष्ण आडवाणी के जनचेतना यात्रा में शामिल ना हो पइहें.
  • बुध का दिने भारतीय महासागर के किनार पर बसल 20 गो देशन का साथ भारत महासागरव्यापी अभ्यास कार्यक्रम में हिस्सा ली जवना के उद्देश्य भारतीय महासागर के सुनामी चेतावनी आ राहत प्रणाली के परीक्षण कइल बा. हर साल अक्टूबर के दुसरका बुध के अंतर्राष्ट्रीय आपदा शमन दिवस मनावल जाला.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के कहना बा कि उनुकर सरकार दार्जिलिंग खातिर सब कुछ करे के तइयार बिया बाकिर ओकरा के राज्य से अलगा ना होखे दी.
  • हिसार लोकसभा चुनाव में कांग्रेस के खिलाफ टीम अन्ना के अभियान के बीच मंगल का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अन्ना हजारे के चिट्ठी भेज भरोसा दिहले बाड़न कि लोकपाल विधेयक पर सरकार प्रतिबद्ध बिया. दोसरा तरफ दिग्गी फेर अन्ना हजारे पर संघ से संबंध होखे के आरोप लगवले. सलमान खुर्शीद काल्हु कहले कि लोकपाल संस्था के संवैधानिक दर्जा देबे के बात चलत बा आ एकर प्रस्ताव संसदीय समिति का लगे भेजल गइल बा. ओने किरण बेदी एह बात पर कहले बाड़ी कि सरकार जनता के बरगलावे में लागल बिया आ संवैधानिक दरजा के बात मसला लटकावे खातिर हो रहल बा.
  • गैस पीड़ितन के मांग का समर्थन में मंगल का दिने पुरनका भोपाल बंद रहल. छब्बीस साल पहिले यूनियन कार्बाइड संयंत्र से रिसल जहरीली गैस से पीड़ित लोग के उचित मुआवजा आजु ले नइखे मिलल.
  • हिसार उपचुनाव के प्रचार मंगल साँझ चार बजे से रुक गइल. मतदान बियफे का दिने आ मतगणना 17 अक्टूबर के होखी. टीम अन्ना एह उपचुनाव में बहुते सक्रिय तरीका से कांग्रेस के विरोध कइले बिया.
  • राहुल गाँधी अब जनता से पूछत चलत बाड़े कि भठियरपन कइसे रोकल जा सकेला.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगल का दिने परमाणु सुरक्षा आ प्रसार के दक्षिण एशिया में ‘एगो गम्भीर खतरा’ बतवलन. कहलन कि भावी नीति के अंतर्राष्ट्रीय सामरिक आ राजनीतिक वातावरण में आइल गिरावट के ध्यान में राखत बनावल जाव.
  • तेलंगाना आंदोलन में रेल रोको अभियान के रोक दिहल गइल बा आ बस सड़क पर लवटि आइल बाड़ी सँ.
  • रायबरेली जिला में मंगल का दिने इंदिरा गांधी राष्ट्रीय उड़ान अकादमी के हेलीकॉप्टर एगो हाईटेंशन बिजली के तार से टकराके जमीन पर गिर गइल. एह हादसा में पायलट गंभीर रूप से घाहिल हो गइल बा.
  • करुनानिधि आपन चुप्पी तूड़त कहले बाड़न कि ऊ केंद्रीय कपड़ा मंत्री रहल दयानिधि मारन आ सन टीवी अउर विमानन कम्पनी स्पाइस जेट के प्रमोटर कलानिधि मारन के बचाव करीहें आ ओह लोग के निराश ना होखे दीहें.
  • गुजरात सरकार मंगल का दिने सर्वोच्च न्यायालय से कहलसि कि साल 2002 में भइल साम्प्रदायिक दंगा से जुड़ल मामिलन के निगरानी ऊ खतम कर देव.
  • इंदौर में गिरजाघर के एगो पादरी पर एगो औरत के यौन शोषण करे के आ ओकरा के धमकावे के आरोप लगावल गइल बा. पुलिस केस दर्ज कर लिहले बिया. गिरजाघर प्रबंधन ओह पादरी के पहिलही पद से हटा दिहले बा.
  • आडवाणी के समर्थन में उतरल नरेंद्र मोदी एह बात के बेबुनियाद बतवले बाड़न कि यात्रा बिहार से शुरु होखे का चलते कवनो मनमुटाव पैदा भइल बा. ओने आडवाणी का यात्रा का दौरान पोस्टर आ भाषण से मोदी गायब लउकत बाड़े.
  • सीबीआई के कहना बा कि दयानिधि मारन का खिलाफ ए राजा से मजबूत मामिला बनत बा.

दुनिया के खबर

  • तुर्की के पांच दिन का दौरे पर अंकारा पहुंचल उपराष्ट्रपति एम. हामिद अंसारी मंगल का दिने मुस्तफा कमाल अतातुर्क के मकबरा के दीदार कइलन आ ओहिजा राखल गोल्डन बुक में आपन टिप्पणी लिखलन.
  • यूक्रेन के प्रधानमंत्री रहल युलिया टीमोशेंको के पद के दुरुपयोग करे के दोषी पावल गइल बा आ उनुका के सात साल के जेल सजा सुनावल गइल बा.
  • ब्लैकबेरी मोबाइल फोन बनावे वाली कनाडाई कम्पनी ‘रिसर्च इन मोशन’ बतवले बिया कि सोमार से थथमल ओकर सेवा दुबारा शुरू हो गइल बा. कम्पनी पता लगावत बिया कि गड़बड़ी कइसे भइल.
  • उच्च शिक्षा में सहयोग बढ़ावे खातिर भारत-अमेरिका शिखर सम्मेलन वाशिंगटन में बियफे का दिने होखे वाला बा. एह सम्मेलन में भारत का ओर से कपिल सिब्बल शामिल रहीहें.
  • पाकिस्तान में रेल इंजनन का कमी का चलते 115 रेलगाड़ियन के परिचालन अस्थायी तौर पर रोक दिहल गइल बा.
  • अंडरवर्ल्ड माफिया दाऊद इब्राहिम के करीबी सहयोगी इकबाल मिर्ची के लंदन में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. कहल जाला कि मिर्चिये दाउद के साम्राज्य सम्हारेला.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • चेक गणराज्य के प्रतिनिधिमंडल से केंद्रीय विज्ञान अउर प्रौद्योगिकी आ पृथ्वी विज्ञान मंत्री विलास राव देशमुख भेंट कइले आ आणविक आपूर्ति समूह में चेक गणराज्य के सकारात्मक भूमिका खातिर उनुका के सरहले.
  • चेक गणराज्य के उद्योग व्यापार मंत्री मार्टिन कोउरेक आ केंद्रीय कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल के मुलाकात में दुनु देश का बीच कोयला खनन का क्षेत्र में विकास खातिर तकनीकी सहयोग पर चर्चा भइल. एह दौड़ान दुनु देश के प्रतिनिधिमण्डल मौजूद रहे.
  • भारत-कनाडा साल २०१५ ले अपना द्विपक्षीय व्यापार के तिगुना कर लीहें.
  • हिंदुस्तान एरोनॉटिक्स लिमिटेड में कार्पोरेट योजना आ विपणन के निदेशक सेवानिवृत्त स्क्वॉड्रन लीडर बलदेव सिंह मंगल का दिने नंदी हिल्स में आत्महत्या कर लिहले.
  • शेयर बाजार में मंगल का दिने सुस्ती रहल आ सेंसेक्स 21 अंक गिर के बंद भइल.
  • भारत का चार दिन के दौरा पर आइल वियतनाम के राष्ट्रपति ट्रुओंग तान सांग मंगल का दिने सूचना प्रौद्योगिकी कम्पनी इंफोसिस के दौरा कइलन.

मनोरंजन का दुनिया से

  • गजल सम्राट जगजीत सिंह के मंगल का दिने दक्षिण मुम्बई के मरीन लाइंस में चंदनबाड़ी शवदाहगृह में अंतिम संस्कार कइल गइल. एह मौका पर परिजन आ संगीत अउर सिनेमा जगत के जानलमानल हस्ती मौजूद रहल लोग.
  • सदी के महानायक अमिताभ बच्चन मंगल का दिने 69 साल के हो गइलन. एहमौका पर ऊ कहलन कि अबहियो बहुते काम बा जवन उनुका करे के बा.

खेल के खबर

  • अभ्यास मैच में इंग्लैंड हैदराबाद के 253 रन से हरा दिहलसि. पहिलको मैच में इंगलैण्ड जीतल रहे.
  • हरभजन सिंह आ युवराज सिंह पाकिस्तानी क्रिकेट एजेंट मजहर माजिद के दावा के झूठिलावत कहले बाड़न कि ओह लोग से माजिद के कवनो संपर्क ना रहे.
  • चैलेंजर ट्रॉफी मैच में इंडिया रेड इंडिया ग्रीन के 8 विकेट से हरा के फाइनल में आपन जगहा पक्का कर लिहलसि.
  • अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद अम्पायर डिसीजन रिब्यू सिस्टम के उपयोग के अनिवार्यता खतम कर दिहलसि. कहलसि कि आपसी श्रृंखला खेले वाला बोर्ड एह बारेमें फैसला कर सकेलें. बीसीसीआई शुरुवे से यूडीआरएस के खिलाफ बावे.
  • ट्वेंटी-20 मैच में बांग्लादेश वेस्टइंडीज के 3 विकेट से हरवलसि.
  • भारत वेस्टइंडीज का बीच नवम्बर-दिसम्बर में खेलल जाये वाला तीन गो टेस्ट मैच आ पांच गो एकदिना मैच शृंखला में दिल्ली, कोलकाता आ मुम्बई में एकहएक टेस्ट खेलल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up