देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 13, 2011 | 0 comments

(बुध, 12 अक्टूबर)
देश

  • झारखण्ड के मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा आडवाणी के जन चेतना यात्रा के समर्थन करत बुध का दिने कहलें कि 15 नवम्बर के राज्य गठन दिवस से राज्य मे नागरिक चार्टर अउर सेवा अधिकार अधिनियम लागू कर दिहल जाई.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केंद्र सरकार से कहले बाड़ी कि ऊ वाम मोर्चे सरकार के लिहल करजा पर अगिला तीन साल ले सूद मत लेव.
  • अपना पिटाई के बाद प्रशांत भूषण श्रीराम सेना पर प्रतिबंध के मांग कइले बाड़े. काश्मीर में जनमत संग्रह करावे के प्रशान्त के बयान से नाराज तीन गो युवक काल्हु प्रशांत भूषण का चेंम्बर में घुस के उनुका के धुन दिहलें सँ. पुलिस ओकनी के गिरफ्तार कर लिहले बिया. कुछ मीडियावाले कहले कि हमलावर भाजपा से जुड़ल रहे त भाजपा एकर खंडन कइले बिया आ ओह हमलावर से कवनो तरह के संबंध से इन्कार कइले बिया.
  • हिसार लोकसभा उपचुनाव के तीनो मुख्य उम्मीदवारन के संपत्ति के आँकड़ा बतावत बा कि तीनो पिछला दू साल में बेतहाशा संपत्ति बनवले बाड़े.
  • अगर केन्द्र सरकार शीतकालीन सत्र में लोकपाल विधायक पारित नइखे करावत त अन्ना हजारे पाँच गो राज्यन के चुनाव में मतदान ना करे के गोहार लगइहें. हिसार लोकसभा उपचुनाव में कांग्रेस के वोट ना देबे के उनुका गोहार के कांग्रेसी बहुते आलोचना कइले बाड़े.
  • आंध्र प्रदेश सरकार आ तेलंगाना क्षेत्र के हड़ताली कर्मचारियन के बातचीत बुध का दिने असफल रह गइल काहे कि कर्मचारी अपना माँग के पूर्व शर्त बनावल चाहत बाड़े.
  • जम्मू कश्मीर पर नियुक्त वार्ताकार केन्द्र सरकार के आपन रिपोर्ट दे दिहले. एह में ‘सार्थक स्वायत्तता’ के बात कहल गइल बा.
  • आडवाणी के जन चेतना यात्रा बियफे का दिने मप्र में प्रवेश कर जाई.
  • पीएसएलवी-सी18 के प्रक्षेपण एक मिनट के देरी से करावल गइल जेहसे कि ओकरा के अंतरिक्ष मलबा से टकराये से बचावल जा सके. बुध का दिने भइल एह प्रक्षेपण में चार गो उपग्रह अंतरिक्ष में भेजल गइल जवना में भारतीय-फ्रांसीसी उष्ण कटिबंधीय मौसम उपग्रहो शामिल बा. 44 मीटर लमहर आ 230 टन भारी एह यान के प्रक्षेपण साल 1993 के बाद के 50वां उपग्रह प्रक्षेपण रहल.
  • सत्ताधारी नेशनल कांफ्रेंस के कार्यकर्ता सईद मुहम्मद यूसुफ के पुलिस हिरासत में भइल मौत का बारे में आइल फोरंसिक रिपोर्ट में मौत हृदयाघात का चलते भइल बतावल गइल बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय बुध का दिने केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद के ओह बयान के गम्भीरता से लिहले बिया जवना में ऊ कहले बाड़न कि व्यापारियन के जेल में रखला से देश में निवेश के वातावरण पर असर पड़त बा.
  • बुध का दिने दिल्ली से भारत के पहिलका निशुल्क अंग्रेजी रंगीन दैनिक ‘दिल्ली ऑन गो’ के विमोचन भइल.
  • पत्रकार शिवानी भटनागर के हत्या का मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय मुख्य आरोपी आईपीएस के अधिकारी रहल आर.के. शर्मा समेत तीन गो आरोपियन के सुबुत का कमी से बरी कर दिहलसि.

दुनिया के खबर

  • ईरान में बुध का दिने बलात्कार के चार गो दोषियन के खुलेआम फांसी पर लटका दिहल गइल.
  • इजरायल-फिलीस्तीन में कैदियन के अदला-बदली के समझौता भइला के पुष्टि.
  • सऊदी अरब में हज यात्रा पर गइल पांच गो भारतीय श्रद्धालुन के मौत हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • ओएनजीसी विदेश आ पेट्रो वियतनाम का बीच बुध का दिने एगो समझौता भइल जवना में तेल अउर गैस के खुदाई आ उत्पादन में आपसी सहयोग बढ़ावे पर सहमति बनल बा.
  • मारुति कर्मचारियन के हड़ताल छठवों दिने जारी रहल.
  • कुडनकुलम परियोजना स्थगित होखला से तमिलनाडू में उद्योगन पर असर पड़े के बात प्रधानमंत्री कहले बाड़न.एह परियोजना से बने वाला 2000 मेगावाट बिजली में से आधा तमिलनाडू के मिले वाला बा.
  • शेयर बाजार में बुध का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 422 अंक उछल के बंद भइल.
  • सितम्बर में भारत से होखे वाला निर्यात में 36 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • देश में औद्योगिक उत्पादन के दर अगस्त महीना में धीमा रहल.
  • प्रमुख सॉफ्टवेयर कम्पनी, इंफोसिस लिमिटेड दुसरका तिमाही में बढ़िया प्रदर्शन कइले बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भोजपुरी सिनेमा आ संगीत से जुड़ल खबर खातिर भोजवुडन्यूज पर जाईं.
  • सुर साम्राज्ञी लता मंगेशकर के कहना बा कि शुरु में गजल सम्राज जगजीत सिंह के आवाज के फिल्मन लायक ना मानल जात रहे बाकिर बॉलीवुड के बाहर मिलल सफलता उनुका के फिलिमो में लोकप्रिय बना दिहलसि.

खेल के खबर

  • भारतीय ओलम्पिक संघ चाहत बा कि राष्ट्रमंडल खेल खातिर बनावल स्टेडियमन के खेल अकादमी चलावे खातिर खेल संघन के दे देबे के चाहीं.
  • चैलेंजर ट्रॉफी मैच में बुध का दिने इंडिया ग्रीन इंडिया ब्ल्यू के 79 रन से हरा दिहलसि.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के तेज गेंदबाज रहल नेथन ब्रेकन क्रिकेट आस्ट्रेलिया पर अपना इलाज में लापरवाही बरते के आरोप का साथ अदालत में घसीट लिहले. घुटना में लागल चोट का चलते ब्रेकन के कैरियर खतम हो गइल.
  • भारत का हाथे एगो मौका आइल बा जब ऊ आपन एकदिना रैंकिंग सुधार सकेलें इंगलंड का साथे होखे वाला शृंखला में ओकरा के हरा के.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी मंगल का दिने चौधरी जाका अशरफ के पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के नयका अध्यक्ष बना दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up