देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 19, 2011 | 0 comments

(मंगल, 18 अक्टूबर)
खास खबर

  • लखनऊ में टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल पर हमला के कोशिश करे वाला एगो आदमी के पुलिस गिरफ्तार करिके पूछताछ करत बिया. हमला का बाद केजरीवाल कहले कि टीम अन्ना के कांग्रेस से कवनो तरह के दुश्मनी नइखे. कांग्रेसो एह हमला के निंदा कइले बिया आ कहले बिया कि हिंसा कवनो बात के समाधान ना कर सके.
  • पटना के महावीर मंदिर के आमदनी 5 करोड़ से बेसी भइल. उत्तर भारत में वैष्णो देवी मंदिर का बाद दोसरा कवनो मंदिर के ई सबले बेसी आमदनी बा.
  • प्रसिद्ध गांधीवादी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे आ उनुका सहयोगी अरविंद केजरीवाल के टेलीविजन चैनल ‘एनडीटीवी इंडिया’ मंगल का दिने ‘इंडियन ऑफ द ईयर 2011’ पुरस्कार से सम्मानित कइलसि. केजरीवाल एह पुरस्कार के देश के आम जनता के समर्पित कर दिहलन.

देश

  • नक्सलियन से बतियावे खातिर बनावल पश्चिम बंगाल सरकार के वार्ताकार टीम मंगल का दिने मुख्यमंत्री ममता बनर्जी से भेंट कइला का बाद कहलसि कि नक्सलियन से बातचीत चलत रही.
  • त्रिपुरा के वाममोर्चा सरकार राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा विधेयक के गरीब आ मध्यम वर्ग के लोग का खिलाफ बतवलसि काहे कि ई सार्वजनिक वितरण प्रणाली के कमजोर बनाई.
  • बानरन के उत्पात से आजिज आइल हिमाचल प्रदेश सरकार बानरन के नसबंदी करे के योजना बनवले बिया. एह खातिर बानरन के पकड़े वाला के सरकार हर बंदर खातिर 500 रुपिया दीही.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला मंगल का दिने मुख्यधारा आ अलगाववादी दुनु तरह के नेता लोग पर स्थानीय युवकन के शोषण करे के आरोप लगवले बाड़न.
  • केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद मानत बाड़न कि सरकार खातिर पिछला साल कठिन रहल काहे कि भठियारन आ भठियरपन से निपटे में असफल होखला का चलते संप्रग सरकार के विरोध झेले के पड़ल.
  • अन्ना हजारे टीम में मतभेद से किरण बेदी इंकार कइले बाड़ी, हालांकि टीम के दू गो सदस्य, मैगसेसे अवार्ड विजेता राजेंद्र सिंह आ गांधीवादी कार्यकर्ता पी. बी. राजगोपाल, टीम से अपना के अलग कर लिहले बाड़न. किरण बेदी एकरा के फूट नइखी मानत.
  • कुडनकुलम में मंगल से फेर प्रदर्शन शुरू हो गइल बा. केंद्र आ जयललिता सरकारन का बीच आरोप-प्रत्यारोप चालू बा.
  • भाजपा नेता हैदराबाद में कहलन कि संप्रग सरकार अलग राज्य गठन के वादा से पीछे हट गइल बिया आ तेलंगाना क्षेत्र के लोग के धोखा दिहले बिया,
  • सर्वोच्च न्यायालय एह महीने के आखिर में होखे जा रहल फार्मूला वन के आयोजन के मनोरंजन कर से छूट दिहला का मामिला में उत्तर प्रदेश सरकार आ और जेपी समूह के नोटिस भेजले बिया.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय मंगल का दिने अंडरवल्र्ड माफिया दाऊद इब्राहिम के कथित करीबी रोमेश शर्मा के साल 1996 में एगो हेलीकॉप्टर के जबरिया अपना कब्जा में राखे का मामिला में जमानत दे दिहलसि.
  • मनमोहन सिंह नइखन मानत कि हाल के उपचुनाव में कांग्रेस के हार उनुका सरकार के प्रदर्शन का खिलाफ बा. दोसरा तरफ आडवाणी कहले बाड़े कि ई परिणाम संप्रग सरकार खातिर खतरा के घंटी बा.
  • टीम अन्ना में आपसी मनभेद के संकेत देत अन्ना हजारे फेर कश्मीर पर ‘असंगत’ बयान के आलोचना कइले. अलग बाति बा कि ऊ प्रशान्त भूषण के नाम ना लिहले.
  • केन्द्र सरकार के मानना बा कि देश के अर्थव्यवस्था के बुनियाद मजबूत बा एहसे हाल के सुस्ती का बावजूद मध्यम अवधि में विकास दर नौ से 10 फीसदी रह सकेला.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा जेल ना गइले आ एगो दोसरा अस्पताल में भरती हो गइले.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय अमर सिंह के नियमित अउर अंतरिम जमानत याचिकावन पर सुनवाई बुध ले टार दिहलसि. अमर सिंह के वोट खातिर नोट का मामिला में गिरफ्तार कइल गइल बा,
  • प्रसिद्ध गांधीवादी सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे आ उनुका सहयोगी अरविंद केजरीवाल के टेलीविजन चैनल ‘एनडीटीवी इंडिया’ मंगल का दिने ‘इंडियन ऑफ द ईयर 2011’ पुरस्कार से सम्मानित कइलसि. केजरीवाल एह पुरस्कार के देश के आम जनता के समर्पित कर दिहलन.
  • अस्पताले में ज्ञानपीठ पुरस्कार से नवाजल गइलन श्रीलाल शुक्ल. श्रीलाल शुक्ल के तबियत बहुत खराब आ उनुका के आईसीयू में राखल गइल बा.
  • घचपच माहौल में कांग्रेसी सांसद के कहला भरोसे राहुल गाँधी से भेंट करे आइल रालेगण सिद्धी के सरपंच आ बाकी लोग के निराशा हाथे लागल आ एह अपमान से ऊ लोग बहुते नाराज बा.
  • ग्वालियर में 5600 किलोग्राम नकली मावा बरामद भइल बा.
  • झारखण्ड में 11 भाषा के राज्य में दुसरकी भाषा के दर्जा देबे वाला विधेयक के राज्यपाल विधानसभा के वापिस लवटा दिहलन.
  • सर्वोच्च न्यायालय सगरी राज्य अउर केंद्र शासित क्षेत्रन के निर्देश दिहले बिया कि 31 दिसम्बर ले सगरी सरकारी विद्यालयन में शौचालय सुविधा उपलब्ध करा दिहल जाव.
  • हज यात्रा खातिर वीआईपी कोटे के सर्वोच्च न्यायालय ‘गलत धार्मिक परम्परा’ बतवले बिया।
  • झामुमो आ आजसू के विधायक मुंडा सरकार से खफा बतावल जात बाड़े.

दुनिया के खबर

  • प्रिटोरिया में भारत, ब्राजील अउर दक्षिण अफ्रीका के त्रिपक्षीय मंच इब्सा नई दिल्ली में पिछला महीना भइल बम विस्फोट के निंदा मंगल का दिने कइसलि आ अंतर्राष्ट्रीय आतंकवाद पर व्यापक करार करे के गोहार लगवलसि.
  • बेलारूस की राजधानी मिंस्क में 22 अक्टूबर के होखे वाला समलैंगिक प्रदर्शन पर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • तिब्बती अध्यात्मिक गुरु दलाई लामा के दक्षिण अफ्रीका के वीजा दिहला से इंकार का मामिला में प्रिटोरिया के अदालत में चुनौती दिहल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मध्य प्रदेश में औद्योगिक विकास का दिशाईं नौ गो नया औद्योगिक क्षेत्र बनावल जाई, एह क्षेत्रन पर 255 करोड़ रुपिया के खर्च होखे वाला बा जवना के सैद्धांतिक सहमति दे दिहल गइल बा.
  • कोयला के आपूर्ति घटला से पश्चिम बंगाल में इस्पात उत्पादन पर असर पड़ल बा.
  • मंगल का दिने शेयर बाजार में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 277 अंक नीचे बंद भइल.
  • स्वीडन के विदेश मंत्री कार्ल बिल्ट तीन दिन का दौरा पर मंगल का दिने मुंबई चहुँपलन जहाँ ऊ भारतीय अधिकारियन आ वित्तीय संस्थानन के प्रतिनिधियन से मुलाकात करीहें.
  • मारुति के मानेसर संयंत्र में बारहवों दिने हड़ताल जारी रहल.
  • एचसीएल टेक्नोलॉजीज के तिमाही शुद्ध लाभ डेढ़ा हो गइल.
  • पटना के महावीर मंदिर के आमदनी 5 करोड़ से बेसी भइल. उत्तर भारत में वैष्णो देवी मंदिर का बाद दोसरा कवनो मंदिर के ई सबले बेसी आमदनी बा.
  • कारपोरेट जगत के लालच का खिलाफ एक महीने से चलत ‘वॉल स्ट्रीट पर कब्जा’ करे वाला आंदोलन के व्हाइट हाउस खुलके समर्थन दिहले बा.
  • मुंबई में अफ्रीकी रत्न से बनल आभूषणन के नीलामी से 750,000 डॉलर मिलल बा जवना से भारत के हाथियन के संरक्षण कइल जाई.
  • आंध्र प्रदेश में एक महीना बाद सिंगारेनी कोइलरिज कम्पनी लिमिटेड में कोयला के उत्पादन फेर शुरु हो गइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भोजपुरी सिनेमा आ संगीत से जुड़ल खबर खातिर भोजवुडन्यूज पर जाईं.
  • प्रणब मुखर्जी के एह बात के अफसोस बा कि काम का बोझ का चलते ऊ फिलिम देखे के समय नइखन निकाल पावत. पिछला फिल्म ऊ ‘रंग दे बसंती’ साल 2006 में एकरा रिलीज होखे से पहिले देखले रहले.
  • मुम्बई के एगो अदालत राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता फिल्म निर्देशक मधुर भंडारकर के साल 2004 के एगो बलात्कार मामिला में 14 नवम्बर के पेश होखे के निर्देश दिहले बिया. बलात्कार के ई मामिला अभिनेत्री प्रीति जैन दायर कइले बाड़ी.

खेल के खबर

  • स्टॉकहोम ओपन के पहिलके दौर में हार गइले भारत के सोमदेव देवबर्मन.
  • अबू धाबी टेस्ट में श्रीलंका का खिलाफ पाकिस्तान आपन पकड़ बना लिहले बावे. श्रीलंका के पहिलाक पारी 197 रन पर समेटला का बाद पाकिस्तान खेल खत्म होखे ले बिना कवनो नुकसान के 27 रन बना लिहलसि.
  • भारतीय फुटबाल टीम के खिलाड़ी रहल सुब्रत भट्टाचार्य के मोहन बागान क्लब के तकनीकी निदेशक बहाल कइल गइल बा आ प्रशांत बनर्जी के सत्र 2011-12 खातिर कोच.
  • डिफेंडर गुरजिंदर सिंह के मलेशिया में होखे जात सुल्तान जोहोर बाहरू हॉकी टूर्नामेंट खातिर भारत के जूनियर टीम के कप्तानी दिहल गइल बा.
  • बांग्लादेश क्रिकेट टीम मंगल का दिने खेलल गइल तीसरा एकदिना मुकाबला में वेस्टइंडीज के आठ विकेट से हरा दिहलसि.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल शाहिद अफरीदी अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेबे के आॡन फैसला वापिस ले लिहले बाड़न. उनुकर कहना बा कि ऊ कबो संयास लेबे ना कइलन.
  • डेनमार्क ओपन बैडमिंटन में भारत के सायना नेहवाल के आसान ड्रॉ मिलल बा.
  • भारत आ वेस्टइंडीज का बीच होखे वाला पांच गो एकदिना मैचन के श्रृंखला के पहिला मुकाबला 29 नवम्बर के कटक के बाराबाती स्टेडियम में खेलल जाई.
  • एकदिना टीम में हरभजन के वापसी ना भइल. ऊ अगिलो तीनो मैच खातिर ना चुनल गइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up