देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 20, 2011 | 0 comments

(बुध, 19 अक्टूबर)

देश

  • बुध का दिने केंद्र सरकार सर्वोच्च न्यायालय के बतवलसि कि फांसी की सजा पवले खालिस्तानी आतंकवादी देवेंदर पाल सिंह भुल्लर के दया याचिका पर फैसला लेबे में देरी के निर्दयी ना कहल जा सके. फैसला लेबे में हर बाति पर सोचे के होला.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा पर भ्रष्टाचार के एगो अउरी मामिला दर्ज भइल बा जवना के मुख्य आरोपी मौजूदा गृह मंत्री आर. अशोका के बनावल गइल बा.
  • अरविंद केजरीवाल पर चप्पल फेंके वाला जितेन्द्र पाठक कबो अन्ना के प्रशंसक रहल आ कई बेर उनुका कार्यक्रम में शामिल भइल रहे.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी अनेसा जतवले बाड़न कि देश के विकास दर अनुमान से कम रहल सकेला.
  • मध्य प्रदेश के जबलपुर जिला में लौह अयस्क के अवैध खनन के आरोप लगावत कांग्रेस मुख्यमंत्री शिवराज सिह चौहान समेत 27 लोग का खिलाफ केस दर्ज करावे खातिर भोपाल न्यायालय में अरजी लगवले बिया. अदालत एह पर 14 नवम्बर के सुनवाई करी.
  • दिल्ली पुलिस बुध का दिने अदालत में वोट खातिर नोट मामिला में आरोपी अमर सिंह के जमानत याचिका के विरोध ना कइलसि आ अदालत आपन फैसला 24 अक्टूबर ले सुरक्षित राख लिहलसि.
  • मंगल का देर रात हिमाचल प्रदेश में एगो मिग-29 दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. मलबा के तलाश जारी बा आ पायलट का बारे में कुछ नइखे बतावल गइल.
  • बंगाल का खाड़ी में एक दिन पहिले बनल कम दबाव के क्षेत्र का चलते बुध का दिने ओडिशा के मछुआरन के समुद्र में ना जाये के चेतावनी जारी कइल गइल बा काहे कि समुद्री तूफान के खतरा बढ़ गइल बा.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी बुध का दिने कहले कि सरकारी काम में गलती निकाल के भारत के नियंत्रक-महालेखापरीक्षक अपना संवैधानिक दायित्व के पूरा कइले बाड़े आ कवनो सीमा नइखन लँघले.
  • उपभोक्ताओं के नियमित बिजली मुहैया करावे खातिर जम्मू कश्मीर सरकार बड़हन परियोजना का बजाय 10 गो छोटहन जल विद्युत परियोजना के निर्माण करे के फैसला कइले बिया.
  • भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी बुध का दिने तेलंगाना राज्य के माँग के जायज बतवले बाड़न.
  • झारखण्ड में बीएसफ के एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त भइला का चलते 3 जने के मौत हो गंइल.
  • समाचार पत्र ‘द हिंदू’ के पत्रकार अमन सेठी के मानवीय मुद्दों पर रिपोर्टिग खातिर 50,000 रुपिया के प्रथम पुरस्कार अंतर्राष्ट्रीय रेडक्रॉस समिति आ भारतीय प्रेस संस्थान का तरफ से दिहल गंइल बा.
  • मध्य प्रदेश के छतरपुर जिला में उमा भारती पर 14 साल पहिले भइल जानलेवा हमला का मामिला में अदालत में बुध का दिने 11 गो कांग्रेसी नेतवन पर आरोप तय हो गइल.
  • मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में दसवीं क्लास में पढ़े वाला दू गो नाबालिग प्रेमी रेल से कटा के आपन जान दे दिहले. दुनु पड़ोसी रहले.
  • भठियरपन का मामिला में शनिचर के गिरफ्तार येदियुरप्पा तीन दिन अस्पताल में बितवला का बाद बुध का दिने जेल पहुंच गइलन. बतावल जात बा कि ऊ आडवाणी का टिप्पणी से नाराज होके आपन इलाज करावे से मना कर दिहलन आ जेल चल गइलन.
  • दिल्ली एयरपोर्ट मेट्रो एक्सप्रेस के बनावे वाली कंपनी रिलायंस इंफ्रास्ट्रक्चर एहिजा बॉलीवुड फिलिमन के शूटिंग के अनुमति दे दिहलसि.
  • सर्वोच्च न्यायालय बुध का दिने तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता के याचिका खारिज करत उनुका के भठियरपन का एगो मामिला में बेंगलुरू के अदालत में पेश होखे आ आॡन बयान दर्ज करावे के आदेश दिहलसि.
  • अन्ना हजारे अपना टीम से दू गो खास सदस्यन के अलगा भइला का बीच कहले बाड़न कि सामाजिक क्षेत्र में काम करे वालन के आपन अहंकार अलगा राखे के चाहीं. ऊ इहो कहलें कि कवनो अतार्किक बहस उनकर इच्छाशक्ति के खतम ना कर सके.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका एह साल गलत तरीका से अमेरिका में घुसल 3,96,000 लोग के देश से बहरि निकलले बावे.
  • पाकिस्तान के सेना प्रमुख जनरल अशफाक परवेज कयानी अमेरिका के उनुका देश के कबाइली इलाके में कवनो तरह के सैन्य कार्रवाई का खिलाफ चेतवले बाड़े.
  • नेपाल में नया संविधान खातिर आम सहमति पर जोर दीही भारत. नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई बियफे का दिने चार दिन के यात्रा पर भारत आवे वाला बाड़न.
  • कनाडा के प्रधानमंत्री स्टीफन हार्पर जी-20 के नेता लोगन से निहोरा कइले बाड़न कि फ्रांस का कांस में होखे वाला अगिला बईठक में एगो ठोस नीतिगत पहल कइल जाव जेहसे बाजार में विश्वास बहाल हो सके.
  • भारत आ चीन का दौरा पर जइहें ओबामा के शीर्ष सुरक्षा सलाहकार थॉमस ई. डोनिलॉन.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष के कहना बा कि भारत, ब्राजील, रूस आ दक्षिण अफ्रीका के मुद्रा के उभरत अर्थव्यवस्था के प्रमुख मुद्रा मानल जा सकेला एहसब में अंतर्राष्ट्रीयकरण के क्षमता बा.
  • विश्व बैंक के ताजा रिपोर्ट में कहल गइल बा कि अगिला दू साल ले भारत के विकास दर सात से आठ फीसदी का दायरा में रहे के उमेद बा.
  • रेलमंत्री दिनेश त्रिवेदी इशारा कइले बाड़न कि रेल किराया बढ़ावल जा सकेला बाकिर कोशिश कइल जाई कि गरीब पर एकर असर कम पड़े.
  • इंद्रप्रस्थ गैस के शुद्ध लाभ मौजूदा कारोबारी साल का दुसरका तिमाही में 16.5 फीसदी बढ़ल बा.
  • मोबाइल सेवा प्रदाता कम्पनी आइडिया सेल्युलर बुध का दिने जम्मू कश्मीर में आपन 3जी सेवा शुरू कर दिहलसि.
  • भारती एंटरप्राइजेज सर्वजीत सिंह ढिल्लन के अपना समूह के नयका मुख्य वित्तीय अधिकारी बनावे के घोषणा कइलसि. ढिल्लन के नियुक्ति अगिला साल पहिला जनवरी से प्रभावी होई.
  • मौजूदा कारोबारी साल के दूसरा तिमाही में एचडीएफसी बैंक के शुद्ध लाभ में 31.48 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • मोटोरोला उतरलसि दुनिया के सबसे पातर स्मार्टफोन ‘ड्रॉयड रेजर’. एकर मुख्य हिस्सा स्टेनलेस स्टील के बनल बा.
  • केंद्रीय कृषि मंत्री शरद पवार कहले बाड़न कि सब्सिडी के बोझ कम करे खातिर प्रस्तावित राष्ट्रीय खाद्य सुरक्षा विधेयक में अनाज के दाम पर फेर से सोचे के कहले बाड़ण.
  • बुध का दिने शेयर बाजार में उछाल आइल आ सेंसेक्स 337 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • मुम्बई में आपन वाणिज्य दूतावास खोली स्वीडन. बतवले स्वीडन के विदेश मंत्री कार्ल बिल्ट.
  • आधारभूत संरचना क्षेत्र के कम्पनी आईवीआरसीएल लिमिटेड बुध का दिने कहलसि कि ओकरा इकाईयन के 552.31 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भोजपुरी सिनेमा आ संगीत से जुड़ल खबर खातिर भोजवुडन्यूज पर जाईं.
  • फिल्म निर्देशक सागर बल्लारी अपना फिल्म ‘हम, तुम और शबाना’ के आलोचनात्मक समीक्षा करे वालन के जमके आलोचना कइले बाड़न.
  • टीवी धारावाहिक “मिले जब हम तुम” में खुश-मिजाज लड़की के किरदार निभावे वाली अभिनेत्री रति पांडे जल्दिये टीवी के नया धारावाहिक “हिटलर दीदी” में एगो गंभीर लड़की के रोल करीहें.
  • अपना पिता आ भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल मंसूर अली खान पटौदी के मौत के साँच सकारल बॉलीवुड अभिनेत्री सोहा अली खान खातिर बहुते मुश्किल लागत बा.
  • अभिनेत्री ऐश्वर्या राय के गोद भराई का मौका पर आइल बधाई संदेशन खातिर उनुकर पति आ अभिनेता अभिषेक बच्चन प्रशंसकन के शुक्रिया अदा कइले बाड़न.
  • अखिल भारतीय कालिदास समारोह उज्जैन में छह से 12 नवंबर तक आयोजित होखी जवना में पार्श्व गायिका अनुराधा पोडवाल, शास्त्रीय गायक पंडित जसराज समेत कई प्रमुख कलाकार आपन प्रस्तुति दीहें.

खेल के खबर

  • अबू धाबी टेस्ट में तौफीक उमर (नाबाद 109)आ मोहम्मद हफीज (75)के शानदार पारी का बदौलत पाकिस्तान क्रिकेट टीम श्रीलंका पर पहिला टेस्ट में 62 रन के बढ़त ले लिहले बा.
  • एशियाई स्प्रिंट चप्पू नौकायन में भारत के पहिला बेर स्वर्ण पदक मिलल बा.
  • भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी आनंद पवार डेनमार्क ओपन बैडमिंटन सुपर सीरीज में पुरुषन के एकल वर्ग के दूसरा दौर में पहुंच गइले बाकिर अजय जयराम पहिलके दौर में हार के बाहर हो गइले.
  • स्पिन गेंदबाज अब्दुर रज्जाक के वेस्टइंडीज का साथ होखे वाला टेस्ट श्रृंखला खातिर बांग्लादेश टीम में नइखे चुनल गइल जबकि तेज गेंदबाज शहादत हुसैन एक साल बाद वापिस लिहल गइल बाड़े,
  • बियफे का दिने मोहाली में होखे वाला एकदिना मैच में हैट्रिक जीत हासिल कर के भारत एह श्रृंखला में 3-0 के अजेय बढ़त पावे का इरादा से मैदान में उतरी.
  • इंग्लैंड के प्रतिष्ठित फुटबाल क्लब मैनचेस्टर युनाइटेड, मैनचेस्टर सिटी आ स्पेनिश लीग क्लब रियल मेड्रिड मंगल का दिने आपन आपन मुकाबला जीत लिहले बाकिर एजाक्स टीम हार गइल.
  • इंगलैण्ड के हरफनमौला खिलाड़ी समित पटेल के कहना बा कि उनुकर टीम अब भारत का खिलाफ छींटाकशी के सहारा ली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up