देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 27, 2011 | 0 comments

(बियफे, 27 अक्टूबर)
देश

  • टीवी कलाकार रॉनित रॉय के कार से दुर्घटना भइला का बाद बियफे का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. बाद में ऊ बारह हजार का मुचलका पर जमानत पर छूट गइले. रोनित राय के कार से टक्कत का बाद तीन लोग बहुते गम्हीराह घवाहिल बा आ एगौ औरत मुए का कगार पर बाड़ी.
  • नई दिल्ली से चेन्नई जात जीटी एक्सप्रेस में बुध का रात को डकैती पड़ल. डकैट लूट पाट त कइबे कइले ओकनी का पिटाई से तीन गो यात्री घवाहिलो हो गइले. डकैत फायरिंगो कइले सँ.
  • कांग्रेस के जम्मू कश्मीर इकाई के अध्यक्ष सैफुद्दीन सोज के कहना बा कि ऊ केंद्र सरकार आ हुर्रियत कांफ्रेस के अलगाववादी नेतावन के बातचीत करावे में ‘सहायक’ के भूमिका निभावत बाड़े.
  • जम्मू कश्मीर में 1947 में पाकिस्तान समर्थित कबाइली घुसपैठियन का खिलाफ सेना उतारे का विरोध में बियफे का दिने ओहिजा के अलगाववादी बंद के गोहार लगवले जवना से सगरो बंद हो गइल. जबकि मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला मानत बाड़े कि राज्य में सेना के भूमिका महत्वपूर्ण बा आ ऊ एकरा के कम कर के ना आँक सकसु.
  • त्रिपुरा में चार गो नया जिले, छह गो उपमंडल आ पांच गो ग्रामीण विकास खंड नया बनावे के फैसला ओहिजा के वाम सरकार कइले बिया.
  • दीवाली का रात भोपाल में एगो टायर गोदाम में लागल आग से लाखों के नुकसान भइल बा.
  • अबही जारी रही अन्ना हजारे के चुप्पी. अपना ब्लाग पर लिखले कि सेहत का मद्देनजर कुछ अउर दिन मौन व्रत जारी रखीहें.
  • बेंगलुरू के एगो अदालत भठियरपन खातिर गिरफ्तार मंत्री रहल कट्टा सुब्रह्मण्यम नायडू आ उनुका बेटा कट्टा जगदीश के हिरासत 26 नवम्बर ले बढ़ा दिहलसि.
  • मुरादाबाद जिला में रैपिड एक्शन फोर्स के एगो जवान के शिविर में गोली लगला से मौत हो गइल.
  • ठाणे में एगो इमारत गिरला से 8 लोग दबा के मर गइले. पुलिस बिल्डर के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ सरकार पौने दू लाख रुपिया मुआविजा के एलान कइले बिया.
  • येदियुरप्पा का खिलाफ एगो अउर जांच के आदेश दिहल गइल.

दुनिया के खबर

  • (बियफे, 27 अक्टूबर)
  • अमेरिका के सीनेट से पारित प्रस्ताव में लोग के दीवाली के शुभकामना दिहल गइल बा. व्हाइट हाउस में साल 2009 में पहिला बेर दीपावली मनावल गइल रहे.
  • एगो पाकिस्तानी सांसद के भठियरपन का अपराध में तीन साल के जेल के सजा सुनावल गइल बा.
  • पाकिस्तान के राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ भारत पर आरोप लगवले बाड़न कि भारत पाकिस्तान विरोधी अफगानिस्तान तइयार करे में लागल बा आ चेतवले बाड़न कि अगर भारत अइसन करी त पाकिस्तान के खुफिया एजेंसी आईएसआई कुछुवो कर सकेले.
  • पाकिस्तानी राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी दीपावली का मौका पर ओहिजा के हिन्दुवन के बधाई दिहले.
  • तुर्की भूकम्प में मरे वालन के गिनिती बढ़ले जात बा. अबले 481 लोग के मौत के पुष्टि भइल बा.
  • भारत अमरीका से क्यूबा का खिलाफ लगावल आर्थिक अउर व्यापार प्रतिबंध तुरते हटावे के अपील कइले बा.एह खातिर संयुक्त राष्ट्र महासभा में प्रस्ताव आइल बा. अमेरिका आ इजरायल एह प्रस्ताव के विरोध में मत दिहलें.
  • ऑस्ट्रेलिया के पर्थ में शुक से शुरू होखे जा रहल राष्ट्रमण्डल शासनाध्यक्ष सम्मेलन में भारत के नेतृत्व उप राष्ट्रपति हामिद अंसारी करीहें आ एह खातिर ऊ पर्थ रवाना हो गइल बाड़न.
  • यमन में सरकारी सेना आ बागी सैनिकन का बीच संघर्ष विराम के घोषणा का बावजूद बुध का रात भइल हिंसा में १९ लोग मारल गइले.
  • ट्यूनिसिया में इस्लामी अन्नहदा पार्टी के नेता राशिद गन्नूशी देश में भइल पहिला स्वतंत्र आम चुनाव में आगे होखे के दावा कइले बाड़न आ गठबन्हन बनावे खातिर दोसरा पार्टियन से बातचीत शुरू होखे के जानकारी दिहले बाड़न.
  • गद्दाफी के मौत के बाकी तानाशाहन खातिर चेतावनी बतवले बाड़न बराक ओबामा.
  • भारतीय मूल के अमेरिकी नागरिक नीरा टंडन अगिला हफ्ता वाशिंगटन स्थित संगठन ‘सेंटर फार अमेरिकन प्रोग्रेस’ (सीएपी) के अध्यक्ष पद के कार्यभार ग्रहण कर लीहें.
  • नाटो पर मुकदमा दायर करे के बात कहले बा गद्दाफी के परिवार. ओकर वकील कहले कि युद्ध अपराध खातिर नाटो का खिलाफ अंतर्राष्ट्रीय सैन्य न्यायालय में मुकदमा दायर कइल जाई.
  • यूक्रेन के एगो छात्र उड़े वाली विद्युत कार बनवले बा. एक घंटा उड़ान करे के क्षमता वाला एह कार के पेटेंटो ओकरा के दे दिहल गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • एह महीना के पंद्रह तारीख के खतम भइल हफ्ता का दौरान खाद्यान्न महंगाई के दर बढ़के 11.43 फीसदी हो गइल.
  • एयर इंडिया के हालात आ ओकरा के वित्तीय सहायता देबे का मसला पर राय विचार करे खातिर मंत्रियन के समूह के बैठक आजु बियफे के होखे वाला बा.
  • फोर्ब्स पत्रिका के नयका सूची में शामिल भारत के 100 सबसे धनी लोगन के संपत्ति में पिछला साल का मुकाबले 20 फीसदी के गिरावट आइल बा. एह साल एह लोग के संपत्ति 300 अरब डॉलर से घटके 241 अरब डॉलर रह गइल बा.
  • अमेरिका में छात्रन पर पड़त पढ़ाई खातिर कर्जा के बोझा कम करे खातिर राष्ट्रपति बराक ओबामा बुध का दिने एगो नया योजना के एलान कइले बाड़न. एहसे छात्रन के बहुते राहत मिली.
  • कर्ज संकट से जूझत ग्रीस के यूरोपीय देशन आ अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष से 100 अरब यूरो के राहत पैकेज मिली जेहसे ऊ अपना अर्थव्यवस्था के सझूरा सको.
  • साल 2010 में फ्रांस दुनिया के चउथा हथियार निर्यातक देश रहल आ कुल 7.12 अरब डॉलर के हथियार खातिर ओकरा ठेका मिलल.
  • यूरोप से मिलल सकारात्मक संकेत का बाद अमेरिकी शेयर बाजार में बियफे का दिने तेजी देखल गइल.
  • चीनी कार निर्माता बीवाईडी आपन इलेक्ट्रिक कार बाजार में उतार दिहलसि. एह कंपनी में अमेरिकी निवेशक वॉरेन बफेट के धन लागल बा.
  • गोल्डमैन साच्‌स के पूर्व निदेशक रजत गुप्ता अंदरूनी व्यापार घोटाला मामिला में न्यूयॉर्क में एफबीआई का सोझा समर्पण कर दिहले. एह घोटाला में रजत गुप्ता के दोस्त श्रीलंकाई मूल के राज राजरत्नम के एही महीना एगारह साल कैद के सजा सुनावल गइल बा.
  • मुम्बई शेयर बाजार में दीवाली का मुहुर्त ट्रेडिंग में तेजी देखे के मिलल. बाकिर वायदा कारोबार में गड़बड़ के अनेसा जतावत बीएसई सगरी वायदा सौदा के रद्द कर दिहलसि आ संदिग्ध ट्रेडर के निलंबित कर दिहलसि.
  • भारतीय वायु सेना अपना लड़ाकू हेलीकॉप्टर निविदा खातिर विमान निर्माता कम्पनी बोइंग के अत्याधुनिक अपाचे लॉंगबो हेलीकॉप्टर के चुन लिहले बिया.

मनोरंजन का दुनिया से

  • हिमाचल प्रदेश का धर्मशाला में तिसरका तिब्बती फिल्म महोत्सव शनिचर से शुरू होखी जवना में तिब्बतियन के बनावल फिलिम देखावल जाई.
  • कवनो आदमी बिग बी के नकली आईडी बना के ‘रा.वन’ के आलोचना कर दिहलसि जवना से अमिताभ बच्चन बेहद नाराज बाड़न.

खेल के खबर

  • क्रिकेट आस्ट्रेलिया के अध्यक्ष जैक क्लार्क कहले बाड़न कि पिछला साल लिहल रणनीतिक फैसलन से अब आस्ट्रेलियाई क्रिकेट के भविष्य नीमन लउकत बा.
  • इंग्लैंड क्रिकेट टीम के कप्तान रहल माइकल वॉन अबहियो इंगलैंड टीम के शीर्ष रैंकिंग के हकदार मानत बाड़न बाकिर भारत का खिलाफ मिलल 0-5 से हार के चिंता के कारण बतवले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up