देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Oct 31, 2011 | 0 comments

(सोमार, 31 अक्टूबर)
देश

  • देश भर में आजु लौह पुरुष सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयन्ती आ इंदिरा गाँधी के पुण्य तिथि मनावल गइल.
  • केन्द्र सरकार खाद्य सुरक्षा विधेयक के मसौदा फेरु से तइयार करवावत बिया जेहसे कि अधिका उपज भइला पर आम जनता के सस्ता दर पर तीन किलो से बेसी अनाज दिहल जा सके. दोसरे इहो फैसला कइल गइल बा कि गर्भवती आ दूध पियावे वाली महतारियन के पूरा देश में एक हजार रूपिया महीना छह महीना खातिर दिहल जाई. पहिले ई योजना देश के बावने जिला में करे के प्लान रहुवे.
  • चेन्नई शहरी विकास प्राधिकरण सोमार का दिने कई नामी इमारतन आ वाणिज्यिक प्रतिष्ठठानन के मानदंड ना माने खातिर सील कर दिहलसि.
  • गोवा अवैध खनन मामिला में भाजपा राष्ट्रपति से भेंट कर के गोवा सरकार पर दबाव बनावे के कोशिश करी.
  • दिल्ली सरकार सोमार से जमीन के सर्किल रेट पहिले से 15 से 250 फीसदी तक बढ़ा दिहलसि. सरकार के कहना बा कि भवन व्यवसाय से काला धन खतम करे खातिर अइसन कइल गइल.
  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी आजु तिहाड़ जेल जा के अपना पार्टी सहयोगियन से भेंट कइलन जिनका के वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार कर के जेल में राखल बा.
  • दक्षिणी दिल्ली में साल 2004 में भइल संयुक्त राष्ट्र विकास कार्यक्रम के कर्मचारी पुश्किन चंद्रा आ उनुका साथी कुलदीप के हत्या का मामिला में दिल्ली उच्च न्यायालय निचली अदालत से दू जने के दिहल उमिर कैद के सजाय बरकरार रखलसि.
  • मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान सतना जिले में सीरियल किलर सरमन शिवहरे के गिरफ्तारी के कम्युनिटी पुलिसिंग के नायाब उदाहरण मानत कहलन कि अगर शहर के साहसी लोग स्व-प्रेरणा से आगा ना आइत त ऊ पकड़ाइत ना.
  • वाणिज्यिक राजधानी मुम्बई 1.84 करोड़ आबादी का साथ देश के सबले बड़का शहर बा, दिल्ली 1.63 करोड़ आबादी का साथ दुसरका आ कोलकाता 1.41 करोड़ के आबादी का साथ तिसरका जगहा पर राखल गइल बा.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय सोमार का दिने टाटा मोटर्स के सिंगूर भूमि कानून सही ठहरावे वाला अपना फैसला का खिलाफ याचिका लगावे के अनुमति दे दिहलसि.
  • जम्मू काश्मीर से एएफएसपीए हटावे पर अउरी चरचा करे के जरूरत बतवले गृहमंत्री चिदम्बरम.
  • चार हजार करोड़ के घोटाला में जेल में बंद झारखंड के मुख्यंमत्री रहल मधु कोड़ा के हाथ के हड्डी टूट गइल . मधु कोड़ा के कहना बा कि पुलिस वालन का पिटाई से हाथ टूटल जबकि पुलिस के कहना बा कि कैदियन से झगड़ा में हाथ टूटल बा.
  • संसद के शीतकालीन सत्र 22 नवम्बर से शुरू करे के सिफारिश राष्ट्रपति का लगे केन्द्रीय मंत्रिमंडल का ओर से भेजल गइल बा.
  • आध्यात्मिक गुरु श्री श्री रविशंकर के सात नवम्बर से शुरू होखे वाली उत्तर प्रदेश यात्रा राजनीतिक उद्देश्यन खातिर नइखे होखत. ई उनुका नियमित ‘सत्संग’ के हिस्सा बतावल गइल बा.
  • केरल सरकार के आम माफी योजना में केरल के मंत्री रहल आर. बालाकृष्ण पिल्लै आ दोसर 137 कैदियन के मंगल का दिने रिहा कर दिहल जाई.
  • चिदम्बरम मणिपुर में नाकेबंदी खतम करे के गोहार लगवले.
  • अन्ना हजारे अपना ब्लॉग पर लिखले बाड़न कि ऊ 3-4 दिन में आपन मौन व्रत तूड़ दीहें.
  • यूपीए सदस्यन के विरोध का चलते पीएसी के बैठक स्थगित कर दिहल गइल.
  • जम्मू काश्मीर में नेशनल कांफ्रेंस के कार्यकर्ता के मौत का मामिला पर सुप्रीम कोर्ट केंद्र आ कश्मीर सरकार के नोटिस भेजले बा.
  • भाजपा साफ कर दिहले बा कि बीजद से चुनावी गठबंधन ना होई.

दुनिया के खबर

  • दुनिया के आबादी आजु सात अरब के पार हो गइल. सात अरबवाँ शिशु आजु लखनऊ में पैदा भइल एगो लड़िकी के मानल गइल बा. लखनऊ के मॉल इलाका के अजय आ विनीता के एह पहिला संतान के नरगिस नाम दिहल गइल बा. ओने फिलिपिंसो में एगो लड़िका सात अरबवां शिशु मानल गइल बा आ ओकर नाम डेनिका मे कमेको राखल गइल बा.
  • चीन अमेरिका के ओह आरोपन के खारिज कर दिहलसि जवना में ओकरा पर अमेरिकी उपग्रह प्रणाली हैक करे के आरोप लगावल रहे.
  • अमेरिका में राष्ट्रपति पद के रिपब्लिकलन उम्मीदवार हर्मन केन पर दू गो औरत ‘अनुचित व्यवहार’ करे के आरोप लगवले बाड़ी.
  • फिलीस्तीन के सोमार का दिने संयुक्त राष्ट्र शैक्षणिक, वैज्ञानिक अउर सांस्कृतिक संगठन (यूनेस्को) के पूर्ण सदस्य बना लिहल गइल.
  • लीबिया में मुअम्मार गद्दाफी युग खतम भइला का बाद रासायनिक आ परमाणु हथियार के जखीरा मिलल बा बाकिर कार्यवाहक प्रधानमंत्री महमूद जिब्रील के कहना बा कि देश के एहमें कवनो रुचि नइखे.
  • पाकिस्तान के पेशावर शहर में 10 साल बाद एगो ऐतिहासिक मंदिर फेर से खुल गइल बा. एकरा खातिर एगो श्रद्धालु औरत लमहर कानूनी लड़ाई लड़लसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • निर्माण कम्पनी आईवीआरसीएल लिमिटेड के 972 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा. एहमें पीर पंजाल के पहाड़ी होखत रेल सुरंग बनावे के ठेका शामिल बा.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी सोमार का दिने ई-भुगतान प्रणाली के उद्घाटन करत कहले कि एहसे भठियरपन के मामिला घटी.
  • युनाईटेड बैंक के शुद्ध लाभ में 13.7 फीसदी के बढ़ोतरी.
  • प्रणव मुखर्जी के भविष्यवाणी बा कि दिसम्बर से महँगाई घटे लागी.
  • डाबर इंडिया के लाभ 8.42 फीसदी बढ़ल.
  • शेयर बाजार में सोमार का दिने गिरावट आइल आ सेंसेक्स 100 अंक नीचे बंद भइल.
  • विप्रो के शुद्ध मुनाफा में मामूली वृद्धि भइल बा.
  • ब्राजील 2011 में दुनिया के छठवाँ सबले बड़ अर्थव्यवस्था बन जाई.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पॉप गायिका लेडी गागा शाहरुख के 11 साल के बेटी सुहाना के आपन धूप चश्मा भेंट कर दिहली.
  • पटौदी के 10वां नवाब बनलन बालीवुड अभिनेता सैफ अली खान.
  • बॉलीवुड अभिनेता शाहरुख खान बुध का दिने आपन 46वां जन्मदिन अपना परिवार आ दोस्तन संग मनइहें.

खेल के खबर

  • भारतीय बल्लेबाज युवराज सिंह नोएडा में पाथवेज स्कूल, बालियावास आ हरियाणा के गुड़गांव में अरावली में अपना क्रिकेट अकादमी के उद्घाटन कइले.
  • मीरपुर टेस्ट में बांग्लादेश के पहिला पारी 231 रन पर समेटला का बाद वेस्टइंडीज तिसरका दिने अपना दुसरका पारी में तीन विकेट के नुकसान पर 207 रन बना लिहलसि आ 331 रन के बढ़त बना लिहलसि.
  • टेनिस रैंकिंग में सोमदेव के तीन जगहा के फायदा, सानिया के दू जगहा के नुकसान भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up