देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 9, 2011 | 0 comments

(मंगल, 8 नवंबर)
देश

  • दुबारा दाम बढ़ावल गइल त संप्रग से नाता तूड़ लीहें ममता बनर्जी. जबकि प्रधानमंत्री दाम घटावे से साफ इंकार कर दिहलें.
  • आजु आडवाणी आपन जन्म दिन मनवलन. एह मौका पर राजनाथ सिंह उनुका के प्रधानमंत्री पद खातिर पार्टी के ‘स्वाभाविक पसंद’ बतवलन त आडवाणी भावुक हो गइलन.
  • दूससंचार नीति पर रायशुमारी अब 9 दिसम्बर तक कइल जाई.
  • येदियुरप्पा के 21 दिन जेल में रहला का बाद मंगल का दिने जमानत मिल गइल.
  • लोकपाल मुद्दा के अध्ययन करे वाली संसदीय समिति आपन सिफारिश 22 नवंबर से शुरू होके जा रहल संसद के शीतकालीन सत्र में पेश कर दी.
  • गन्ना के दाम में चालीस रुपिया प्रति क्विंटल के बढ़ोतरी यूपी के किसानन के तोष नइखे देत. ऊ लोग तीन सौ रुपिया प्रति क्विंटल दाम माँगत बा.
  • त्रिपुरा में 1 लाख मजदूरों ‘जेल भरो’ अभियान चलवले. ऊ लोग चाहत बा कि कम से कम तनखाह दस हजार रुपिया महीना तय कइल जाव.
  • भारतीय गिरिजाघरन के राष्ट्रीय परिषद मंगल का दिने भारत के पूर्वोत्तर राज्यन आ जम्मू कश्मीर से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे के मांग कइलसि.
  • फिलीपींस में सोमार देर रात आइल भूकम्प में 31 लोग घवाहिल भइल बा.
  • दक्षेस सम्मेलन खातिर बुध का दिने मालदीव रवाना होइहन प्रधानमंत्री.
  • केरल में माकपा नेता एम. वी. जयाराजन के अदालत के अवमानना करे का चलते केरल उच्च न्यायालय छह महीना जेल के सजा सुनवले बा.
  • 2जी घोटाला में चिदम्बरम के खिलाफ सुब्रह्मण्यम स्वामी के याचिका पर सुनवाई टार दिहलसि केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत.
  • हरियाणा के सरकारी चिकित्सक दू दिन के सामूहिक अवकाश पर चल गइल बाड़न जवना से प्रदेश के चिकित्सा सेवा चरमरा गइल बा.
  • दोसर हजारिका कबहू पैदा ना होई, कहली लता मंगेशकर.
  • नक्सल प्रभावित मिर्जापुर में पुलिस तीन जने के 5,000 इलेक्ट्रॉनिक डेटोनेटर का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. तीनो के साथ गिरफ्तार किया। तीनों मध्य प्रदेश के छतरपुर जिला के हउवें.
  • सर्वोच्च न्यायालय अमरनाथ यात्रा के ‘पाखंड’ बतावे वाला बयान खातिर स्वामी अग्निवेश के आड़े हाथ लेत कहलसि कि उनुका अपना बाति पर फेर से सोचे के चाहीं काहे कि एहसे लाखों लोग के भावन आहत भइल बा.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी आ चीन के प्रधानमंत्री वेन जियाबाओ सोमार का दिने रूस के शहर सेंट पीट्सबर्ग में शंघाई सहयोग संगठन के 10वां शिखर सम्मेलन का दौरान भेंट कइले आ दुनु देश के संबंध अउरी पोढ़ करे के बात कहलन.
  • चीन बनाई 33 टन भार ढोवे वाला हेलीकॉप्टर.
  • जॉर्ज बुश निजी यात्रा पर सोमार का दिने मुम्बई अइले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • जेट एयरवेज 14 दिसम्बर से मुम्बई से सऊदी अरब के रियाद अउर थाइलैण्ड के बैंकाक शहरन खातिर आपन सेवा शुरू करी.
  • फॉर्चून इंडिया के सूची में कारोबार जगत के 50 गो सबले असरदार आ ताकतवर औरतन में चंदा कोचर के नाम सबले पहिला बा. एह सूची में बॉलीवुड के एकता कपूर आ फराहो खान के नाम बा,
  • सार्वजनिक क्षेत्र के ताप विद्युत कम्पनी एनटीपीसी दू करोड़ टन कोयला खरीदे खातिर विदेशी कम्पनियन से निविदा मँगाई.
  • रिलायंस इंफ्रास्ट्रक्चर के संचालन आमदनी 44 फीसदी बढ़ल.
  • हिल्टन भारत के सबले बड़का अंतर्राष्ट्रीय होटल ब्रांड मानल गइल बा. एगो सर्वेक्षण के रिपोर्ट.
  • रिलायंस पावर के संचालन आय 189 फीसदी बढ़ल.
  • अक्टूबर में निर्यात 10.8 फीसदी बढ़ल जबकि सितम्बर में 36.6 फीसदी बढ़ल रहुवे.
  • मंगल का दिने शेयर बाजार में मामूली तेजी रहल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन कहले बाड़न कि उनकर कवनो मनसा नइखे कि इलेक्ट्रॉनिक मीडिया पर अपना पोता भा पोती के जनम के कवरेज पर रोक लगावसु.
  • माइकल जैक्सन के चिकित्सक के गैर इरादतन हत्या के दोषी मानल गइल बा.
  • बॉलीवुड में अक्षय कुमार के सबसे तंदुरुस्त बतवलन जॉन अब्राहम.
  • बिग बॉस का जरिये नवजवानन तक चहुपे चाहत बाड़न स्वामी अग्निवेश.

खेल के खबर

  • गोवा में खेलमंत्री मनोहर अजगाँवकर पर अपना बेटी के गलत तरीका से बहाल करावे के आरोप लगावल गइल बा. आ भाजपा एह बहाली के जाँच करावे के माँग कइले बिया.
  • डीडीसीए टिकटन के कालाबाजारी के रिपोर्ट के खारिज कइलसि.
  • अपना पहिलके टेस्ट मैच में शानदार प्रदर्शन करे वाला ऑफ स्पिन गेंदबाज रविचंद्रन अश्विन के कहना बा कि वेस्टइंडीज के साथ खेलत मैच में नौ विकेट लेबे में उनुका फिरोजशाह कोटला के पिच से कवनो खास मदद ना मिलल.
  • अंडर-22 महिला हॉकी में भारत न्यूजीलैंड के हरा दिहलसि.
  • राष्ट्रीय महिला शतरंज में मैरी एन्न गोम्स माथ पर बरकरार बाड़ी.
  • दिल्ली टेस्ट में ऑफ स्पिन गेंदबाज रविचंद्रन अश्विन के बेहतरीन गेंदबाजी अउर सलामी बल्लेबाज वीरेंद्र सहवाग के ताबड़तोड़ अर्धशतक का सहारे भारत 276 रन के निशान के पाछा करत दू विकेट का नुकसान पर 152 रन बना के मजबूत स्थिति में आ गइल बा. जीत खातिर अब महज 124 रन चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up