देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 18, 2011 | 0 comments

(बियफे, 17 नवंबर)
देश

  • मेडिकल प्रवेश परीक्षा अंग्रेजी भा हिन्दी में दिहल जा सकी. दोसर कवनो इलाकाई भाषा में परीक्षा करावे पर सीबीएसई तकनीकि दिक्कत गिनवलसि. एह परीक्षा में शामिल होखे खातिर अब इंटर में पचास फीसदी के बाध्यता हटा दिहल गइल बा आ पर्सेंटाइल के प्रक्रिया लगावल गइल बा. देश में कुल 335 मेडिकल कॉलेजन में 41589 सीट बावे.
  • दू दिन पहिले झारखण्ड में एगो नन के हत्या में पुलिस के जनजातियन पर सन्देह बा. पहिले कहल गइल रहे कि एहमें नक्सली भा कोल माफिया के हाथ हो सकेला.
  • सुब्रह्मण्यम स्वामी के बियफे का दिने 2जी मामिला के दस्तावेज के सत्यापित प्रति सीबीआई से मिल गइल.
  • वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार पांचों आरोपी तिहाड़ जेल से बियफे का दिने जमानत पर रिहा हो गइले.
  • सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने एह बात पर चिंता जतवलसि कि भठियरपन के मामिला के तेजी से सुनवाई करे खातिर सीबीआई के विशेष न्यायालय गठित करे आ इन्फ्रास्ट्रक्चर उपलब्ध करावे के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के संदेश पर राज्य सरकार ध्यान नइखीं दिहले सँ. अदालत सगरी राज्यन से आठ हफ्ता का भीतर विशेष अदालत बना देबे के कहलसि.
  • मप्र में जूनियर डाक्टरन के फेरु हड़ताल पर चल गइला से स्वास्थ्य सेवा बेहाल हो गइल बा.
  • भारतीय प्रेस परिषद के अध्यक्ष मार्कण्डेय काटजू पत्रकारन का बारे दिहल अपना बयान के वापस लेबे से मना कर दिहलन जवना चलते चारगो वरिष्ठ प्रकाशक बियफे का दिने उनुका साथे होखत एगो बैठक छोड़के चल दिहले.
  • दिल्ली मेट्रो के तर्ज पर पुणे, लुधियाना, अहमदाबाद, लखनऊ, इंदौर, भोपाल अउर चण्डीगढ़ो में मेट्रो रेल चलावे के महत्वाकांक्षी योजना पर केंद्र सरकार विचार करत बिया.
  • केंद्रीय मंत्री फारूक अब्दुल्ला बियफे का दिने जममू काश्मीर से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे खातिर राज्य के “बॉस” उमर अब्दुल्ला के समर्थन कइले बाड़न.
  • त्रिपुरा में एही महीना लोकायुक्त के नियुक्ति हो जाई.
  • मनमोहन सिंह के फेर एगो मजबूर प्रधानमंत्री बतवले बाबा रामदेव
  • सर्वोच्च न्यायालय बियफे का दिने केंद्र सरकार से कहलसि कि दवाइयन के दाम अउरी ना बढ़े के चाहीं.
  • दिल्ली में निजामुद्दीन रेलवे स्टेशन पर चलत रेलगाड़ी में चढ़े का कोशिश में बिछला के पटरी पर गिरल एगो चालीस साल के आदमी के मौत हो गइल. एक घंटा तक ओकरा के कवनो तरह के सहयता ना मिल सकल जवना से ओकर मौत हो गइल..
  • केरल के प्रसिद्ध तीर्थस्थल सबरीमाला मंदर के पट खुलला का साथे बियफे भोर से ई तीर्थयात्रा शुरू हो गइल.
  • जनता दल (सेक्युलर) के उपाध्यक्ष बापू कालदाते के बियफे का दिने महाराष्ट्र के औरंगाबाद में निधन हो गइल. ऊ छियासी साल के रहलन.
  • संसद के शीतकालीन सत्र में भठियरपन रोके वाला कई गो विधेयक पेश कइल जाई.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के ज्वाइंट चीफ्स ऑफ स्टाफ अध्यक्ष रहल माइक मुलेन एह बात के पुष्टि कइले बाड़न कि पाकिस्तान में सैन्य तख्ता पलट के अनेसा से राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी त्राहिमाम संदेश भेजले रहले. दोसरा तरफ मामिला सामने आ गइला का बाद अमेरिका में पाकिस्तानी राजदूत आपन इस्तीफे देबे के पेशकश कइले बाड़न.
  • इंडोनेशिया के द्वीप बाली में अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा का साथ होखे वाला बइठका से एक दिन पहिले प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह इशारा कइले बाड़न कि भारत अपना नागरिक परमाणु दायित्व विधेयक के दायरे में काम करी.
  • इराक में बियफे का दिने 11 लोग के आतंकवादी गतिविधियन में सनाइल होखला का चलते फाँसी दे दिहला के जानकारी ओहिजा के न्याय मंत्रालय दिहलसि.
  • तिब्बत में चीन के सक्रियता देखत भारत अरुणाचल प्रदेश के विजयनगर स्थित हवाई पट्टी एडवांस्ड लैंडिंग ग्राउंड (एएलएजी) के फेरू सक्रिय कर दी.
  • नासा के अंतरिक्ष यान गैलीलियो एह बाति के प्रमाण जुटवले बा कि बृहस्पति के चंद्रमा यूरोपा के बर्फीली सतह का नीचे पानी मौजूद बा.
  • श्रीलंका में बहुते तमिल विद्रोहियन के रिहा कर दिहल जाई.
  • फार्महाउस खातिर पाकिस्तान के राष्ट्रपति रहल परवेज मुशर्रफ के राजधानी विकास प्राधिकरण से नो आब्जेक्शन सर्टिफिकेट ना मिलल.
  • सीरिया के राजधानी दमिश्क में प्रदर्शनकारी बुध का दिने मोरक्को अउर संयुक्त अरब अमीरात के दूतावासन पर हमला कइलन.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • जापानी वाहन निर्माता कम्पनी निसान मोटर कम्पनी अगिला साल से देशे में आपन डीजल इंजन बनाई.
  • अवैध खनन का मामिला में गिरफ्तार कर्नाटक के मंत्री रहल जनार्दन रेड्डी के जमानत याचिका फेर खारिज हो गइल.
  • केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्रालय विमानन क्षेत्र में विदेशी विमानन कम्पनियन के 24 फीसदी प्रत्यक्ष विदेशी निवेश के प्रस्ताव रखले बा जवना पर अंतिम फैसला कैबिनेट करी.
  • अमेरिका का साथे भइल उड्डयन सुरक्षा समझौता का बाद दुनु देश एक दोसरा के उड्डयन उत्पाद के प्रमाणित करीहें.
  • व्यापार मेला का दौरान भीड़ के संभावना देखत 15 गो अतिरिक्त मेट्रो रेलगाड़ी चलावल जाई.
  • चीनी निर्यात करे पर मंत्रालय अगिला हफ्ता फैसला करी.
  • 2जी मामला के आरोपी आरोप लगवले बाड़न कि सीबीआई सुबूतन से छेड़छाड़ करत बिया.
  • बियफे का दिने शेयर बाजारों में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 314 अंक नीचे बंद भइल.
  • मूल्य वृद्धि पर स्थगन प्रस्ताव ले आई एकजुट विपक्ष.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान गोवा में 23 नवम्बर से 3 दिसम्बर तक होखे जात 42वां भारतीय अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सव के उद्घाटन करीहें.
  • अमिताभ बच्चन दादा बन गइलन. अभिषेक बच्चन एगो बेटी के बाप बन गइलन आ एश्वर्या एगो नन्ही परी के महतारी.
  • ‘रॉकस्टार’ से बॉलीवुड में अभिनय के शुरुआत करे वाली पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी मॉडल नर्गिस फाकरी वैन हुसैन वूमैन के ब्रांड एम्बेस्डर बनावल गइल बाड़ी.
  • टेलीविजन अभिनेत्री देबीना मुखर्जी अब हिंदी फिलिमन में आइटम डाँस कइल चाहत बाड़ी.

खेल के खबर

  • विश्व कप में भारत के महिला कबड्डी टीम जवना बस से जात रहे ओह बस में सेना के ट्रक से टकरइला का बाद आग लाग गइला से बस के ड्राइवर आ साथे चलत पंजाब पुलिस के जिप्सी चालक के मौत हो गइल.
  • जोहांसबर्ग टेस्ट में दक्षिण अफ्रीका के पहली पारी 266 रन पर समेटा गइल.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम से मुम्बई में होखे वाला तिसरका टेस्ट मैच खातिर रोहित शर्मा के धुरंधर युवराज सिंह का जगहा भारतीय टीम में शामिल कइल गइल बा. भारत अब तक भइल दुनु टेस्ट जीत लिहले बा.
  • हांगकांग ओपन बैडमिंटन में सायना, गुरुसाई आ जयराम तीसरा दौर में चहुँपले.
  • भारतीय टीम के जीत पर बधाई देबे चहुँपली मुख्यमंत्री ममता बनर्जी.
  • भारतीय क्रिकेट टीम ईडन गार्डन्स स्टेडियम में खेलल दुसरका टेस्ट मैच के चउथके दिने वेस्टइंडीज के एक पारी आ 15 रन से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up