देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Nov 19, 2011 | 0 comments

(शुक, 18 नवंबर)
देश

  • ‘टाइम्स नाऊ’ पर लगावल एक सौ करोड़ रुपिया के जुर्माना मीडिया खातिर नुकसानदेह बतवलसि भारतीय प्रसारण संघ. मानहानि के एगो मामिला में समाचार चैनल ‘टाइम्स नाऊ’ पर 100 करोड़ रुपिया के जुर्माना मुम्बई उच्च न्यायालय लगवलसि जवना के बदले से सुप्रीमकोर्ट इंकार कर दिहलसि. एह मामिला में सर्वोच्च न्यायालय के एगो सेवानिवृत्त न्यायमूर्ति पी. बी. सावंत के फोटो गाजियाबाद जिला अदालत भविष्य निधि घोटाला से जुड़ल समाचार में देखवला के बा. मुम्बई उच्च न्यायालय सेवानिवृत्त न्यायमूर्ति के हक में फैसला दिहलसि जवना के सु्प्रीमो कोर्ट सोमार का दिने बरकरार रखलसि. भूलवश भइल एह चूक खातिर चैनल सार्वजनिक रूप से माफी मँगले रहुवे.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कांग्रेस के धता बतावत कहले बाड़ी कि सरकार चलावे खातिर उनुका कांग्रेस के जरूरत नइखे. अब कांग्रेस तय करो कि ओकरा का करे के बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय गुजरात के निलम्बित पुलिस अधिकारी संजीव भट्ट के ओह याचिका के खारिज कर दिहलसि जवना में भट्ट नवंबर 1990 में भइल एगो हिरासत में मौत मामिला में राज्य सरकार के पुनर्विचार याचिका वापस लेबे के आदेश के पलटे के कहले रहले,
  • दिल्ली के एगो निचली अदालत साल 1996 में प्रधानमंत्री नरसिम्हा राव के सरकार में केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल सुखराम के पद के दुरुपयोग के दोषी ठहरवले बिया.
  • एनएससीएन को विशेष दर्जा दिहला पर असम, मणिपुर आ अरुणाचल प्रदेश के सरकार केन्द्र से सफाई मँगले बाड़न.
  • छत्तीसगढ़ सरकार कवर्धा जिला के भोरामदेव अभ्यारण एह हफ्ता भइल एगो बाघिन के मौत के जाँच करे खातिर एगो समिति बनवलसि.
  • जम्मू कश्मीर में भाजपा अपना 6 गो विधायकन के नालायक ठहरावे के सिफारिश कइलसि. ई विधायक लोग पार्टी का खिलाफ वोट दिहले रहुवे.
  • झारखण्ड के पाकुड़ जिला में नन वालशा जॉन के हत्या मामिला में सात जने के हिरासत में लिहल गंइल बा आ एहो पुलिस अधिकारी निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • सरकार के कहना बा कि शीतकालीन सत्र में लोकपाल विधेयक ले आवे के भरपूर कोशिश करत बिया.
  • ओडिशा के नंदनकानन चिड़ियाघर में 5 गो शावकन के मौत हो गइल. ई तीन दिन पहिले जनमल रहले.
  • बांग्लादेश से बतियावत घरी भारत आतंकवाद के मुद्दा गंभीरता से उठाई.
  • ग्वालियर में हड़ताल करे वाला 67 गो जूनियर डॉक्टरन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. ओने जूनियर डॉक्टर समानांतर ओपीडी शुरू कइले बाड़न.
  • आंध्र प्रदेश में 21 दिन का गणेशोत्सव का दौरान बनावल गइल 5,570 किलो के लड्डू के गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड्स में जगह मिलल बा.
  • सुधींद्र कुलकर्णी जमानत पर छूटला का बाद कहलन कि नोट खातिर वोट मामिला में फायदा पाए वालन के बेनकाब कइल जाव.
  • भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी के कहना बा कि ‘वोट खातिर नोट’ के मास्टर माइंड कांग्रेस के महासचिव अहमद पटेल हउवन आ ई साजिश साजिश कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आ प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह का इशारा पर रचल गइल रहे.
  • सत्य साईं बाबा के जन्म दिवस समारोह शुरू भइल.
  • अलगाववादी नेता गिलानी श्रीनगर में नजरबंद भइले.
  • भारत के नरेंद्र सिंह अंतर्राष्ट्रीय विधि आयोग के सदस्य चुनइले जहाँ ऊ पाँच साल रहीहें.
  • साल 2008 के मालेगांव विस्फोट मामिला के मुख्य आरोपी साध्वी प्रज्ञा सिंह ठाकुर ‘समता के आधार’ पर जमानत पावे खातिर नया जमानत याचिका दाखिल कइले बाड़ी, एकरा पहिले सुप्रीम कोरथट उनुकर जमानत याचिका दू महीना पहिले खारिज कर दिहले रहुवे.
  • मेघालय के मुख्यमंत्री मुकुल संगमा बियफे का दिने एह खबर के गलत बतवलन कि राज्य के गारो हिल्स इलाका में गारो जनजाति के लोग के चुपेचोरी सामूहिक हत्या भइल बा.
  • गुजरात के गृह राज्यमंत्री रहल अमित शाह बियफे का दिने सुप्रीम कोर्ट से कहलन कि साल 2005 में भइल सोहराबुद्दीन शेख फर्जी मुठभेड़ मामिला में ऊ शामिल ना रहलें आ एह हत्या में तेरह गो पुलिसकर्मियन का खिलाफ पकिया सुबूत मौजूद बा,

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के रक्षा सचिव लियोन पनेटा कहले कि अमेरिका के भारत आ चीन से ‘चुनौती’ मिलत बा.
  • दक्षिण अफ्रीका के मलापा से करीब 20 लाख साल पुरान दू गो कंकाल मिलल बा जवना का हड्डी पर अबही ले चमड़ा झलकत बा. एह खोज से वैज्ञानिक ओह समय के लोगन के जीवनशैली का बारे में जानकारी पा सकेलें.
  • तिब्बत में मानवाधिकार उल्लंघन पर तीन गो अमेरिकी सांसद चिंता जतवलें.
  • इटली के एगो सैनिक विमान दुबई में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.
  • अमेरिका कइलसि हाइपरसोनिक विमान के परीक्षण.
  • व्हाइट हाउस पर गोली चलावे वाला लातिन अमेरिकी युवक पर राष्ट्रपति बराक ओबामा के हत्या के कोशिश करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • इटली के नयकी सरकार विश्वास मत हासिल कइलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सूचना प्रौद्योगिकी कम्पनी आरएमएसआई के जोखिम आकलन खातिर बनावल एगो मौलिक साफ्टवेयर खातिर एशियाई बीमा उद्योग का तरफ से ‘टेक्नोलॉजी इनीशियेटिव ऑफ द ईयर’ पुरस्कार मिलल बा.
  • अगिला मार्च ले 35 गो टेलीकॉम लाइसेंस रद्द कर दिहल जाई काहे कि ओह लोग का लगे जरुरी अर्हता नइखे.
  • केंद्र सरकार के लागत बा कि मौजूदा लेखा साल में ऊ 40,000 करोड़ रुपिया विनिवेश के निशान पार कर ली.
  • सुप्रीम कोर्ट पेट्रोलियम पदार्थ के दाम करे में कवनो दखल देबे से इंकार कर दिहलसि, कहलसि कि ई सरकार के नीतिगत मामिला बा.
  • दूरसंचार कम्पनी भारती एयरटेल के कहना बा कि संचालकन पर जुर्माना पारदर्शी ढंग से लगावे के चाहीं आ 3जी रोमिंग करार पर जारी भ्रम से निवेशकन के भरोसा डगमगा सकेला.
  • शुक का दिने शेयर बाजार में सुस्ती छवले रहे आ सेंसेक्स 90 अंक लुढ़क के बंद भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के नायिका पहिले का तुलना में बेहया होत लउकत बाड़ी आ धड़ल्ले से शराब सिगरेट पियत, खराब खराब गारी देत देखल सुनल जात बाड़ी.
  • अपना आवे वाली फिल्म ‘शूटआउट एट वडाला’ में पुलिस अधिकारी इसाक बगवान के भूमिका निभावे वाला अभिनेता अनिल कपूर अउरी पातर होखल चाहत बाड़न.
  • स्पीलबर्ग अपना अगिला फिल्म ‘गॉड्स एंड किंग्स’ के निर्देशन करे का बारे में वार्नर ब्रदर्स से बतियावत बाड़न.

खेल के खबर

  • जोहांसबर्ग टेस्ट में आस्ट्रेलिया के पहिलका पारी 296 रन पर समेटाइल. दक्षिण अफ्रीकी टीम अपना पहिलका पारी में 266 रन बनवले रहुवे.
  • तीसरा एकदिना में पाकिस्तान श्रीलंका का सोझा 258 रन के निशान लगवलसि.
  • संसद के शीतकालीन सत्र में खेल विधेयक पेश करीहे अजय माकन.
  • बीजिंग ओलम्पिक में भारोत्तोलन के 69 किलोग्राम स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीते वाला चीनी खिलाड़ी लियाओ हुई पर डोपिंग टेस्ट का बाद प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के दिग्गज बल्लेबाज राहुल द्रविड़ आईसीसी के टेस्ट बल्लेबाजन के रैंकिंग में चार जगहा फानत आठवाँ जगहा पर आ गइल बाड़न.
  • प्रतिबंधित दवाई के इस्तेमाल करे वाला जमैका के फर्राटा धावक स्टीव मुलिंग्स पर आजीवन प्रतिबंध लगावल जाये के अनेसा बन गइल बा.
  • मोहम्मद अजहरूद्दीन शुक का दिने विनोद काम्बली के ओह दावन के नकार दिहले जवना में कहल गइल बा कि कोलकाता में श्रीलंका का खिलाफ भइल 1996 विश्व कप सेमीफाइनल मुकाबला फिक्स रहुवे.
  • हांगकांग ओपन बैडमिंटन में भारत के उम्मीद खतम हो गइल जब ओकर तीनो खिलाड़ी क्वार्टर फाइनल में हार गइलन.
  • हॉकी इंडिया के कोचिंग अउर विकास समिति के अध्यक्ष बनलन भारतीय हॉकी टीम के कप्तान रहल आ तीन बेर ओलम्पिक खेल चुकल अजीत पाल सिंह.
  • हॉकी इंडिया दक्षिण अफ्रीकी शहर जोहांसबर्ग में 26 नवम्बर से होखे जात एफआईएच चैम्पियंस चैलेंज-1 टूर्नामेंट खातिर आपन राष्ट्रीय टीम घोषित कर दिहलसि. गोलकीपर भरत छेत्री के कप्तान बनावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up