देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 16, 2011 | 0 comments

(बियफे 15 सितम्बर)
देश

  • भारत एहबात पर आपन विरोध दर्ज करवले बा कि ब्रिटिश संसद में कश्मीर में मानवाधिकार हनन के कथित मुद्दा पर बहस करावल जाई.
  • दिल्ली विस्फोट के 9 दिन बादो कवनो ठोस सुराग नइखे मिलल.
  • ओडिशा में बाढ़ से 4 आदमी अउरी मरल. अबले 26 लोग के मौत.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के अनशन के छलावा बतावत कांग्रेसी नेता अपनो अनशन के एलान कइले.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री रहल बुद्धदेव भट्टाचार्य ममता बनर्जी के ओह बयान के मजाक उड़वले जवना में ममता अगिला पाँच साल में दस लाख नौकरी देबे के कहले बाड़ी.
  • पइसा दे के आपन खबर छपवावल चुनावी कदाचार मानल जाई जवना खातिर दू साल के जेलो हो सकेला. कहले चुनाव आयुक्त कुरैशी.
  • डीएमके अध्यक्ष एम. करुणानिधि कहले बाड़न कि कांग्रेस का साथे आपन गठबंधन नइखन तूड़ले बाकिर अगिला महीना होखे वाला स्थानीय निकाय चुनाव डीएमके अकेले लड़ी.
  • आपरेशन करा के लवटल सोनिया गाँधी काल्हु कांग्रेस के एगो बइठक के अध्यक्षता कइली.
  • एगो रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि केंद्र सरकार के मंत्रियन के हैसियत में पिछला दू साल में औसतन हर मंत्री के तीन करोड़ रुपिया के बढ़ोतरी भइल बा.
  • तेलंगाना राज्य खातिर अनिश्चित हड़ताल तिसरको दिने जारी रहल.
  • अपना बीबी से तलाक लिहला का बाद जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला अपना निजी जिनिगी में मीडिया के दखल पर निराशा जतवले बाड़न.
  • सीबीआई काल्हु पणजी में ड्रग तस्करी का मामिला में कांग्रेस के छात्र संगठन एनएसयूआई के गोवा अध्यक्ष सुनील कवथांकर से पूछताछ कइलसि.
  • दिल्ली विस्फोट में घवाहिल एगो अउरी आदमी काल्हु मर गइल जवना से एह घटना में मरे वालन के गिनिती 14 हो गइल.
  • कर्नाटक के लोकायुक्त शिवराज वी. पाटील के कहना बा कि लोकायुक्त संस्था के भठियरपन पर लगाम लगावे खातिर सबले बेसी ना बलुक पूरा ताकत मिले के चाहीं.
  • अरुणाचल में मुख्यमंत्री जारबोम गेमलीन को अपने पार्टी के विधायकन के विरोध के सामना करे के पड़त बा. कुछ कांग्रेसी विधायक उनुका के हटावे में लागल बाड़े.
  • इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यायल (इग्नू)अब बाल अधिकार, बाल सुरक्षा आ किशोर न्याय जइसन विषयन में डिप्लोमा पाठ्यक्रम शुरू करी.
  • बियफे का दिने दिल्ली में भइल झमाझम बरखा से यातायात कई जगहा थथम गइल आ कई घंटा के जाम लाग गइल.
  • तमिलनाडु मुख्यमंत्री जे. जयललिता बियफे का दिने राज्य का गरीबन में मवेशी से ले के लैपटॉप तक बँटली.
  • खराब मौसम का चलते हैदराबाद में आधा घंटा ले आसमान में चक्कर लगावत रहल मुख्यमंत्री रेड्डी के जहाज.
  • भोपाल एक्सप्रेस से भोपाल चहुँपल दिल्ली मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के बेटा आ कांग्रेसी सांसद संदीप दीक्षित का सीट से 10 लाख रुपिया से भरल बैग बरामद भइल बा जवना के ऊ अपना साथी के बतावत बाड़े.
  • केंद्रीय कर्मचारियन के मिलेवाला महँगाई भत्ता 7 फीसदी बढ़ावल गइल. अब पिछला एक जुलाई से ओह लोग के अठावन फीसदी महंगाई भत्ता मिलल करी.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा के काल्हु अग्रिम जमानत दे दिहल गइल.
  • जम्मू कश्मीर में अगिला निकाय चुनावन में कांग्रेस आ नेशनल कांफ्रेंस अलगा अलगा लड़ सकेले.
  • राजस्थान के भरतपुर जिला में जमीन के लेके भइल दंगा में बुध का दिने चार लोग के मौत हो घइल आ 21 जने घाहिल हो गइल रहले. काल्हुओ तनाव बनल रहल.

दुनिया के खबर

  • चोरी के आरोप में पाकिस्तानी सेना के एगो मेजर के बर्खास्त कइल गइल बा.
  • पाकिस्तान में अंतर्राष्ट्रीय आतंकवादी संगठन अलकायदा के अभियान के कमान सम्हारे वाला प्रमुख आतंकवादी अबु हफ्श अल-शाहिरी मरा गइल बा.
  • फिजी में बियफे का दिने भूकम्प के तेज झटका लागल बा. रिक्टर पैमाना पर भूकम्प के तीव्रता 7.2 बतावल जात बा.
  • नेपाल के कई गो पूर्व मंत्री आ कम से कम छह गो सांसदन का खिलाफ काल्हु बिहार के एगो अदालत गिरफ्तारी वारंट जारी कइलसि.
  • अमेरिका माने के तईयार नइखे कि जवाहिरी पाकिस्तान में नइखे.
  • पश्चिमोत्तर पाकिस्तान के पख्तूनख्वा प्रांत में बियफे का दिने भइल एगो आत्मघाती हमला में कम से कम 31 लोग मरल आ 50 जने घवाहिल.
  • लीबिया संकट : इंगलैण्ड के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन आ फ्रांस के राष्ट्रपति निकोलस सरकोजी काल्हु त्रिपोली के दौरा कइले.
  • चीन अपनी कश्मीरी नीति में बदलाव करत एह मुद्दा के हल भारत आ पाकिस्तान का बातचीत से सझूरावे के पक्षधर हो गइल बा.
  • भारत के आतंकवादी संगठन इंडियन मुजाहिदीन के अमेरिका आतंकवादी संगठन घोषित कर दिहले बावे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • जेट एयरवेज बतवले बावे कि ऊ यूरोप के बहुते तेज गति के रेल सेवा देबे वाला कंपनी थेलीज का साथे कोडशेयर समझौता कइले बा.
  • बियफे अधरतिया से पेट्रोल के दाम में तीन रुपये 14 पैसे प्रति लीटर के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा.
  • बढ़त महँगाई का चलते रिजर्व बैंक आजु फेर आपन दर बढ़ा सकेला.
  • देश के शेयर बाजार में बियफे का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 167 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • अधिकतम दाम वाला रिटर्न के गारंटी देबे वाला यूनिट लिंक्ड जीवन बीमा योजना के जोखिम भरल मानेले इरडा.
  • चीन बनवलसि बहुते हलुका हेलीकॉप्टर जवना के काल्हु अंतर्राष्ट्रीय हेलीकॉप्टर प्रदर्शनी में देखावल गइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड अभिनेता संजय दत्त, गोविंदा आ क्रिकेट के मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंदुलकर पूरा भारत में स्कूलन में सुविधा बढ़ावे के एनडीटीवी चैनल के अभियान में शामिल भइले.
  • ब्रिटेन के ‘जेम्स बांड’ श्रृंखला के नयकी फिल्म के शूटिंग गोवा के दूधसागर झरना का नियरा कइल जाई. एहिजा के लोग एह झरना के देवता मानेले एह चलते शूटिंग करत घरी कुछ सावधानी राखे के कहल घइल बा.
  • कन्नड़ फिल्म प्रोड्यूसर्स एसोसिएशन (केएफपीए) बियफे का दिने अभिनेत्री निकिता ठकराल पर लगावल प्रतिबंध हटा लिहलसि.
  • फिल्मकार रोहित शेट्टी के फिल्म ‘बोल बच्चन’ के शूटिंग का दौरान अभिषेक बच्चन घवाहिल हो गइलन आ उनुका दहिना आँख का ऊपर छह गो टांका लगावल गइल. अभिषेक ओकरा बाद मुम्बई लवटि आइल बाड़न.

खेल के खबर

  • आजु भारत आ इंग्लैंड का बीचे कार्डिफ के सोफिया गरडस मैदान पर पांच मैच के सीरिज के आखिरी एकदिना खेलल जाई. भारत अबकी एकहू मैच नइखे जीत पवले आ एह आखिरी मैच में ऊ आपन कलंक के टीका धो लेबे के चाही.
  • चाइना मास्टर्स बैडमिंटन मे भारत के सायना नेहवाल आ ज्वाला-दीजू क्वार्टर फाइनल में चहुँपल लोग.
  • भारतीय हॉकी के नयका हीरो युवराज वाल्मीकि का घरे काल्हु बिजली के कनेक्शन लगा दिहल गइल.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के आईसीसी समारोह में ना गइला पर बीसीसीआई कुछ नइखे बोलत.
  • भारत के माथ एकल टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन शुक से होखे जात जापान का साथ डेविस कप वर्ल्ड ग्रुप प्लेऑफ मुकाबला के उद्घाटन मैच में जापान के युची सुगीता से खेलीहें.
  • आजु आपन आखिरी एकदिना खेलीहें राहुल द्रविड़.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up