देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Sep 17, 2011 | 0 comments

(शुक 16 सितम्बर)
देश

  • अलग तेलंगाना राज्य खातिर होखत कर्मचारी आन्दोलन में शुक का दिन से आंध्र प्रदेश के शिक्षको शामिल हो गइले. पिछला चार दिन से हड़ताल जारी बा.
  • इण्डियन मुजाहिदीन का खिलाफ अमेरिकी फैसला के भारत स्वागत कइलसि.
  • तमिलनाडु मुख्यमंत्री जयललिता कूडानकुलम परमाणु बिजली संयंत्र के सुरक्षित बतवली आ कहली कि ई संयंत्र ‘सुनामी जइसन आफतो से’ ना प्रभावित होखी.
  • आजु से होखे जा रहल नरेन्द्र मोदी के अनशन का मौका पर भाजपा के माथ नेता आ तमिलनाडु के मंत्रियन के चहुँपला का चलते सुरक्षा इंतजाम अउरी कड़ा कर दिहल गइल बा.
  • अवैध खनन मामला में सीबीआई रेड्डी भाईयन से आपन पूछताछ काल्हु चउथको दिने जारी रखलसि.
  • 170 हज टूर आपरेटरन के लाइसेंस केन्द्र सरकार रद्द कर दिहलसि जवना चलते करीब दस हजार लोग के हज जाये के योजना खटाई में पड़ गइल बा.
  • कांग्रेस कोर समूह का बइठका में पहिला बेर राहुल गाँधी शामिल भइले.
  • एआईएडीएमके महासचिव आ तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जयराम जयललिता ने गुजरात मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के साथ एकजुटता देखावे खातिर अपना दू गो सांसदन के भेजले बाड़ी.
  • आंध्र प्रदेश के समुद्र किनार पर के शहर काकीनाड़ा में शुक का दिने एगो पांच मंजिला इमारत ढहला से कम से कम 15 लोग मलबा में दबाइल बा.
  • अन्ना टीम के किरण बेदी हाल के भठियरपन विरोधी आन्दोलन में कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के रवैया के आलोचना कइली आ कहली कि राहुल अपना भूमिका से निराश कइले.
  • वोट खातिर नोट मामिला में गिरफ्तार भारतीय जनता पार्टी के कार्यकर्ता रहल सुहैल हिंदुस्तानी के जमानत याचिका पर सुनवाई 20 सितम्बर ले टार दिहल गइल बा.
  • रसोई गैस के दाम बढ़ावे पर विचार करे खातिर होखे वाला मंत्रीसमूह के बइठका सहयोगी पार्टियन का दबाव पर अनिश्चितकाल खातिर रद्द कर दिहल गइल. पेट्रोल के बढ़ल दाम का खिलाफ काल्हु देश भर में प्रदर्शन भइल आ सरकार के सहयोगिओ दल एह बढ़ोतरी के आलोचना कइले.
  • अतवार का दिने हैदराबाद में सड़क दुर्घटना में घवाहिल अयाजुद्दीन, जे सांसद अजहरुद्दीन के छोटका बेटा रहले, के काल्हु निधन हो गइल.
  • सर्वोच्च न्यायायलय काल्हु कहलसि कि जबले श्री पद्मनाभ मंदिर के ‘बी’ तहखाने के खोले के फैसला बाद में लिहल जाई. मंदिर आ श्रद्धालुअन के परम्परा अउर विश्वासो के खयाल राखल जाई.
  • करमापा के मठ से मिलल सम्पत्ति के जांच पूरा हो गइल बा आ अब आरोप-पत्र दाखिल होखी.
  • ममता बनर्जी पेट्रोल के दाम बढ़वला के खिलाफ बाड़ी. कहली कि उनुकर पार्टी केन्द्र से पहिलही आपन विरोध जता चुकल बिया.
  • 2जी घोटाला में गिरफ्तार कनिमोझी आ शरद कुमार काल्हु अपना जमानत के अर्जी दुबारा लगवले.
  • प्रधानमंत्री कहले कि हाल के आतंकवादी हमला गम्भीर चेतावनी बाड़ी सँ देश के सुरक्षा हालात निश्चिंत रहे लायक नइखे.
  • ब्रिटिश युग में बनावल पुलिस अधिनियम के 150वीं सालगिरह मनाई केन्द्र सरकार.
  • भरतपुर दंगा में मरे वालन के गिनिती सात हो गइल जब एगो इनार से तीन गो लाश मिलल.
  • आतंकवादी कश्मीर में घुसपैठ करे का फिराक में लागल बाड़े : प्रधानमंत्री बतवले.
  • दिल्ली में मूसलाधार बरखा से जनजीवन अस्त व्यस्त हो गइल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल नवाज शरीफ काल्हु ओहिजा के सरकार पर जनता के समस्यन के अनदेखी करे के आरोप लगवले बाड़न.
  • पाकिस्तान के सिंध प्रांत में आइल भीषण बाढ़ का चलते पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी संयुक्त राष्ट्र के आपन दौरा रद्द कर दिहले बाड़न.
  • ईरान-पाकिस्तान गैस पाइपलाइन पर अमेरिका फेरु आपन विरोध जतवलसि.
  • तिब्बत के निर्वासित सरकार शुक का दिने आपन छह सदस्यीय मंत्रिमंडल के गठन कइलसि जवना में तिब्बती संसद के उपाध्यक्ष रह चुकल डोलमा ग्यारी समेत दू गो औरत शामिल बाड़ी.
  • मंगल के जानकारी पावे खातिर बनावल राडार अब रेगिस्तान के नीचे गहराई में जमा शुद्ध जल भंडार के पता लगावे खातिर इस्तेमाल कइल जात बा. ई जानकारी नासा दिहले बा.
  • भूटान नरेश जिग्मे केसर नामग्येल वांगचुक भारत में पढ़ल जेतसुन पेमा से 13 अक्टूबर के बिआह करीहें.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • केंद्रीय वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के कहना बा कि भारतीय रिजर्व बैंक के मौद्रिक दर बढ़ावे के फैसला से महंगाई पर काबू करे में मदद मिली.
  • पहली अक्टूबर से निर्यातकन के मिलेवाला रियायतन में कमी कर दिहल जाई काहे कि मौजूदा योजना का जगहा केन्द्र सरकार एगो दोसर योजना ले आवे वाली बिया.
  • पेट्रोल के दाम बढ़ला का बाद अब हवाई कम्पनी घरेलू किराया बढ़ावल शुरु कइली सँ. बैंक वाला आपन ब्याज दर बढ़इबे करीहें.
  • रेपो रेट में बढ़ोतरी से देश के विकास प्रभावित होखी. ई कहना बा उद्योग जगत के जे आपन नाखुशी जतवले बा.
  • शेयर बाजार में काल्हु तनिका तेजी देखल गइल आ सेंसेक्स 57 अंक बढ़ के बंद भइल.
  • छोट आ मँझौला उद्योगन खातिर अलगा एक्सचेंज बनावल जाई जवना खातिर भारतीय लघु उद्योग विकास बैंक (सिडबी)आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज मिल के काम करत बाड़न.
  • रिजर्व बैंक के कहना बा कि पेट्रोल के दाम बढ़ला से महंगाई दर में मामूली बढ़ोतरी होई.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेत्री से फिल्मकार बनल पूजा भट्ट अपना नयका फिल्म में मालदीव के गायिका मरियम उनूशा के पेश करीहें. पहिलहू ऊ पाकिस्तानी गायक राहत फतेह अली खान के अपना फिल्म ‘पाप’ से बॉलीवुड में इंट्रोड्यूस कइले रही.
  • ‘बॉडीगार्ड’ से बॉलीवुड में शुरुआत करे वाली अभिनेत्री हजेल कीच के कहना बा कि फिल्म के शूटिंग में केहू के कबहियो ई पता ना चलल कि अभिनेता सलमान खान के बरदाश्त से बेसी दरद होत रहे.
  • फिल्मकार करन जौहर के फिल्म ‘अग्निपथ’ अब 26 जनवरी के रिलीज होखी.
  • ‘तनु वेड्स मनु’ के सिक्वेल बनी. एकर एलान निर्देशक आनंद एल. राय कइले बाड़न.

खेल के खबर

  • विराट कोहली के शानदार सैकड़ा आ कप्तान महेंद्र सिंह धौनी अउर राहुल द्रविड़ के निकहा पचासा का बदौलत भारतीय क्रिकेट टीम इंगलैण्ड का साथे आपन पाँचवा आ आखिरी एक दिना में इंग्लैंड खातिर 305 रन के चुनौती रखलसि. बाकिर बरखा का चलते बाधित खेल में डकवर्थ लुइस नियम का सहारे इंगलैण्ड भारत के छह विकेट से हरा दिहलसि. इंगलैण्ड के 34 ओवर में 241 रन के निशान पार करे के रहल जवन ऊ तैंतीसवे औवर (32.2) में चार विकेट के नुकसान पर बना लिहलसि.
  • राष्ट्रमंडल खेल घोटाला जांच के निगरानी करे से सर्वोच्च न्यायालय मना कर दिहलसि. कहलसि कि सीबीआई का काम में दखल दिहला के जरूरत नइखे.
  • भारत के ज्वाला गुट्टा आ वी. दीजू के मिश्रित युगल जोड़ी चाइना मास्टर्स बैडमिंटन टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाकिर एकल में सायना नेहवाल क्वार्टर फाइनल में हार गइली.
  • शान मार्श (81) आ माइकल हसी (नाबाद 63) का मदद से आस्ट्रेलिया सिंहली स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर शुक का दिने श्रीलंका के साथ होत तिसरका टेस्ट मैच के पहिला दिने खेल खत्म होखे ले पांच विकेट के नुकसान पर 235 रन बना लिहलसि.
  • डेविस कप : सोमदेव, बोपन्ना हरलें, भारत 0-2 से पिछड़ल. दुनु मुकाबिला जापानी खिलाड़ी जीत लिहले.
  • भारतीय क्रिकेट टीम से दरकिनार भइल हरफनमौला यूसुफ पठान अगिला चैम्पियंस लीग बीसबिसा प्रतियोगिता से राष्ट्रीय टीम में जगह बनावे के कोशिश करीहें.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up