दोगलन के ना त हैसियत रहि जाई ना हौसला रही

by | May 7, 2024 | 0 comments

लोकसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग शुरु हो चुकल बा. आ एह वोटिंग का पहिले काल्हु रात टाइम्सनाऊ नवभारत पर पीएम मोदी के एगो इन्टरव्यू प्रसारित भइल जवना में मोदी अपना तिसरका कार्यकाल में होखे वाला बड़का फैसलन का तरफ कुछ इशारो कइलन. बाकिर उनुका साक्षात्कार के अगर एक लाइन में मथैला देबे के होखे त हम उहे मथैला देब जवन दिहले बानी. रउरो पूरा साक्षात्कार सुनलही होखब, ना सुनले होखीं त नीचे सुन सकिलें. मोदी साफ साफ आ कई बेर विरोधियन के दोगलापन के जिक्र कइलन आ कहलन कि 4 जून का बाद एहनी के कुछ कहे के ना त हैसियत रहि जाई ना हौसला. पीएम मोदी के बहुते तकलीफ बा कि विरोधी उनुका ला गलत शब्दन के इस्तेमाल कइल करेलें.

काल्हु का साक्षात्कार सुनला का बाद हमरा लागल कि आजु त एकरे चरचा रही कि अपना विरोधियन के दोगला कहल कहाँ ले ठीक बा आ का एकरा से चुनाव आचार संहिता के लांघल नइखे गइल. बाकिर आजु कतहीं कवनो शिकायत पढ़े सुने के ना मिलल त सोचे खातिर मजबूर हो गइनी कि का विरोधी गोलन का हौसला अतना पस्त हो गइल बा कि उनुकर हैसियत नइखे रहि गइल कि मोदी का बयान के आलोचना करसु. आपन ऊ जानसु. चलीं हमनी का आजु हो रहल तिसरका दौर के चुनाव के कुछ खास बातन के जिक्र कर लीहल जाव.

लोकसभा चुनाव 2024 के तिसरका डेग में आजु एगारह गो राज्यन आ केन्द्रशासित प्रदेशन में छितराइल 93 सीटन खातिर मचदान हो रहल बा. कुल 17.24 करोड़ मतदाता आजु 1351 प्रत्याशियन के उनुकर औकात बता दिहें. बतावल जा रहल बा कि आजु के चुनाव देखे ला तेइस देशन के 75 गो प्रतिनिधि आइल बाड़न. ई लोग छह गो राज्यन में जा के ओहिजा के चुनाव आ चुनावी प्रबंधन के निरीक्षण करी.

1.85 लाख मतदान केंद्र पर 18.5 लाख कर्मियन के तैनात कइल गइल बा. एह दौर के चुनाव में जवना खास लोगन के फैसला होखे जा रहल बा ओहमें अमित शाह, शिवराज चौहान, दिग्विजय सिंह, डिंपल यादव, सुप्रिया सुले, ज्योतिरादित्य सिंधिया, अधीर रंजन चौधरी जइसन धाकड़ राजनेता शामिल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up