पीएम मोदी के इंटरव्यू के टीजर जारी

by | May 5, 2024 | 0 comments

अइसन नइखे कि सिनेमा आ गीते गवनई के टीजर जारी होखल करेला. किताब आ समाचारो के टीजर जारी होखेला. आजु काल्हु त शादिओ बिआह के टीजर जारी होखे लागल बा प्रीवेडिंग शूट करा के. पता ना सुहागरात के टीजर देखावे के जमाना आवे में कतना दिन लागी. पता ना हो सकेला कि पच्छिमी देशन में आवल शुरुओ हो गइल होखे आ ओहनी के देखा-देखी कहियो अपनो समाज में अइसने बेमारी पसरा लागो.

एह भूमिका का पाछे के खबर ई बा कि काल्हु सोमार 6 मई 2024 के रात 9 बजे से टाइम्स नाऊ नवभारत पर पीएम मोदी के एगो साक्षात्कार देखावल जाई. आजु ओही साक्षात्कार का बारे में जानकारी देत नाविका कुमार आ सुशान्त सिन्हा आपने साक्षात्कार करा लिहलन आ ओकर वीडियो आजु अपना चैनल पर देखावे लागल बाड़न. दावा वा कि एह साक्षात्कार से मोदी पूरा चुनाव के नैरेटिवे (विमर्श कहल शायद ओतना असर ना पैदा कर पाई) बदल दिहें.

जइसन टीजर होखल करेला वइसहीं एहू टीजर के पूरा देखलो का बाद रउरा थाह ना पाएब कि का कहिहें पीएम मोदी. एहसे काल्हु टाइम्सनाऊ नवभारत के ई खबर बहुते खबरन के जनम करा दी. एहसे बढ़िया रही कि रउरो पहिले ओह साक्षात्कार के देख लीं. बाद में त हमहूं कोशिश करब कि कुछ अलगा कोण से देख रउरो के परोसीं.

खुद टाइम्सनाऊ नवभारत अपना वीडियो का साथे लिखले बा कि –

Lok Sabha Election 2024 को लेकर PM Modi का Interview लेकर आए Times Now Navbharat की Editor-In-Chief Navika Kumar और Sushant Sinha ने ‘नवभारत’ से बातचीत में हुई दिलचस्प बातों का कुछ यूं खुलासा कि

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up