बिहार के खबर

by | Oct 28, 2011 | 0 comments

  • (बियफे, 27 अक्टूबर)
    • बेगूसराय के रतनपुर इलाका के एगो बगइचा से सोमार का दिने अगवा सात साल के लड़िका हर्ष कुमार के लाश बुध का साँझ में बरामद भइल.
    • पटना जिला के मनेर इलाका में बियफे का दिने गंगा नहाये गइल एगो बुजुर्ग अपना चार गो पोता-पोती का साथे नदी में डूब गइले. एहो लड़िका के लाश निकालल गइल बा.
    • छठ पूजा के भीड़ सम्हारे खातिर नईदिल्ली पटना, दिल्ली दरभंगा, दिल्ली पटना त्रिसाप्ताहिक सुपर फास्ट. सरायरोहिल्ला पटना त्रिसाप्ताहिक विशेष, आ सरायरोहिल्ला दरभंगा द्विसाप्ताहिक विशेष ट्रेन समेत चौंसठ फेरा स्पेशल ट्रेन चलावल जाई.बियफे से ले के मंगल ले रोजाना नई दिल्ली पटना अनारक्षित ट्रेन चलावल जाई.
    • शिक्षक पात्रता परीक्षा अब दिसम्बर का बदले जनवरी में करावल जाई. ई बाति मानव संसाधन विकास मंत्री पी के शाही कहले बाड़े.
    • पटना के दीघा इलाका के एगो मठ से बियफे का दिने एगो महंत के लाश मिलल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. महंत के हत्या होखे के अनेसा बतावल जात बा.
    • छपरा सोनपुर रेल खंड पर नयागाँव टीसन का लगे एगो ट्रैक्टर ट्राली अप मौर्य एक्सप्रेस का चपेटा में आ गइल बाकिर संजोग से केहू हताहत नइखे भइल.
    • सिवान जिला के अलग अलग इलाका से तीन गो लाश मिलल बा जवना में से एगो लाश कवनो डेढ़ महीना के लड़िका के बा.
    • रोहतास के चेनारी इलाका से शिवमुनी खरवार नाम के एगो माओवादी के गिरफ्तार कइल गइल बा जवना पर रोहतास आ कैमूर जिला में एक दर्जन से बेसी केस दर्ज बा.
    • सरकार पटना के तेइस गो घाट के खतरनाक घोषित कर के लोग से निहोरा कइले बिया कि छठ का दिने ओह घाटन पर मत जाव लोग. सरकार वैकल्पिक व्यवस्था करे में लागल बिया.
    • घोड़ासहन इलाका में आपसी दुश्मनी में बंगड़ी गाँव के एगो आदमी के हत्या बुध का राते कर दिहल गइल.

    Loading

    0 Comments

    Submit a Comment

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    अँजोरिया के भामाशाह

    अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
    anjoria@outlook.com
    पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
    अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
    (1)
    अनुपलब्ध
    18 जून 2023
    गुमनाम भाई जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    (3)

    24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
    (4)
    18 जुलाई 2023
    फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
    (7)
    19 नवम्बर 2023
    पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    (11)
    24 अप्रैल 2024
    सौरभ पाण्डेय जी
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

    पूरा सूची
    एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

    संस्तुति

    हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
    शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
    शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
    हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

    Categories

    चुटपुटिहा

    सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


    अउरी पढ़ीं
    Scroll Up