बिहार चुनाव चर्चा

by | Oct 18, 2010 | 0 comments

Bihar Elections

All parties are going at full speed campaigning for their candidates in the 1st phase. Eight districts will go for poll in this phase on 21st Oct. Sonia Gandhi is campaigning today in Motihari and Katihar. She said that central govt has given crorein funds for the welfare of Dalits and Minorities but Bihar government is not telling what it did with that money. BJP and JD(U) have decided to campaign jointly.

बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला चरण के मतदान २१ तारीख के होखे जा रहल बा आ एकरा खातिर सगरी दल जोर शोर से प्रचार का काम में लागल बाड़े. सोनिया गाँधी आजु कटिहार आ मोतिहारी में चुनाव प्रचार करे आइल बाड़ी. अपना भाषण में उहो बिहार सरकार पर आरोप लगवली कि केन्द्र से मिलल करोड़ो रुपिया कहाँ खरच भइल से बिहार सरकार बतलावत नइखे. कहली कि केन्द्र बिहार में मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले खातिर आपन हँ दे दिहले बिया बाकिर बिहार सरकार आजु ले जमीन के इन्तजाम नइखे कर पवले.

भाजपा आ जदयू संयुक्त चुनाव प्रचार करे के घोषणा कइले बा लोग. जेटली कवनो तरह के मतभेद भा मनभेद के साफे नकरले बाड़न. ओही मंच से नीतीश कहलें कि अबकी के चुनाव में विकास एगो बड़ आ खास मुद्दा बा. अपना भाषण में नीतीश कहले कि केन्द्र बिहार में चौंसठे लाख परिवार खातिर अनाज दे रहल बिया जबकि जरुरत डेढ़ करोड़ परिवार खातिर बा. कहलन कि अगर उनकर सरकार फेर बनल त अबकी बाकिओ बचल परिवारन के अनाज भा ओकरा बदले रुपिया दिहल जाई. सुशील मोदी सहरसा में भाषण देत दावा कइले बाड़न कि राजग दू तिहाई बहुमत ले के जीती.

ओने राजद के रघुवंश बाबू कहलें कि कांग्रेस से अलगा होखल बहुते बड़ गलती रहुवे आ अगर जरुरत पड़ी त सरकार बनावे में कांग्रेस के सहयोग लिहला से परहेज नइखे राजद के.

पहिलका चरण में बिहार के आठ जिला में मतदान होखे वाला बा. एह जिलन के नाम बा मधुबनी, सुपौल, अररिया, किशनगंज, पूर्णिया, कटिहार, मधेपुरा आ सहरसा. ओने पाँचवा चरण के मतदान खातिर नामांकन के दौर जारी बा. चउथका चरण के नाम वापसी के आजु आखिरी दिन ह.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up