बिहार के दस गो विधानसभा सीट खातिर होखे जात उपचुनाव प सभकर नजर टिकल बा. भाजपा नेता लोग के कहना बा कि परिणाम चउँकावे वाला होखी आ दसो सीट राजग का पाले आई. जबकि विरोधी जदयु-राजद-कांग्रेस वालन के दावा बा कि दसो सीट उहे जीतिहें.
भाजपा नीतीश-लालू गठबंधन के ठगबंधन बतावत बिया. कुछ दिन पहिले ले लालू कहत रहले कि नीतीश का पेटो मे दाँत बा आ नीतीश लालू राज के जंगल राज कहत रहले. अब हार देखत इज्जति बचावे ला दुनू गोल एक संगे हो लिहल बा.
0 Comments