बिहार से फटाफट खबर

by | Oct 27, 2010 | 0 comments

Tyre of an Air India plane burst during landing at Patna airport while coming from Delhi. All the passangers are safe.

पटना हवाई अड्डा पर एयर इण्डिया के दिल्ली से पटना आवे वाला जहाज के उतरत घरी टायर फाट गइल. केहू घवाहिल नइखे भइल. बाद में वापसी उड़ान का दौरान दिल्ली जाये वाला यात्रियन के दोसरा जहाज से दिल्ली भेजल गइल.
Justice T.Meena Kumari is taking oath today as judge in the Patna High Court. She was earlier with Andhra Pradesh High Court.

आंध्रप्रदेश उच्च न्यायालय के न्यायाधीश न्यायमूर्ति टी॰मीना कुमारी आजु पटना उच्च न्यायालय के न्यायाधीश का रुप में शपथ लीहें.
Founder member of CPI(ML) Ram Naresh Ram(85) died yesterday due to heart attack. He will be cremated today at Ara.

पचासी बरीस के पूर्व विधायक आ माले के संस्थापक सदस्य राम नरेश राम के काल्हु दिल के दौरा पड़ला से निधन हो गइल. उनकर अन्तिम संस्कार आजु आरा में करावल जाई.
A Block chief of Gopalganj district has been arrested along with four others with Rs.2.46Lakh cash. It was supposed to be used during elections.

गोपालगंज के एगो ब्लाक प्रमुख के अढ़ाई लाख रुपया नगदी का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल. उनका साथे चार गो दोसरो लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा. ई नगदी चुनाव का दौरान इस्तेमाल होखे वाला रहुवे.
Inter School Mastermind Chess Championship was inaugurated yesterday at Moinul Haq Stadium, Patna and BB Yadav Memorial Inter School Table Tennis is starting from today.

पटना का मोइनुल हक स्टेडियम में काल्हु मास्टरमाइंड इंटर स्कूल शतरंज चैम्पियनशिप के शुरुआत कइल गइल. आजु से यंगमेंस इंस्टीच्यूट में बी॰बी॰यादव मेमोरियल अंतरस्कूल टेबल टेनिस के शुरुआत हो रहल बा.
Two bihar ministers, Ramnath Thakur and Narendra Singh, have been admitted to IGI of Cardioplogy, Patna after they suffered chest pain. Both are said to be out of danger.

बिहार के दू गो मंत्रियन, रामनाथ ठाकुर आ नरेन्द्र सिहं के काल्हु दिल के दौरा पड़ गइल आ दुनू जने के पटना के इंस्टीच्यूत आफ कार्डियोलाजी में भरती करावल गइल बा. दुनू जने के खतरा के बाहर बतावल जात बा.
Sharad Yadav, who advised to throw Rahul in river Ganges, has now said that these Lalu, Nitish et al are all useless.

राहुल गाँधी के गंगा के फेंके के कहला का बाद अब शरद यादव लालू नीतीश सभका के फालतू बतवले बाड़े. सारण जिला के बिसुनपुरा में एगो चुनावी भाषण में ऊ कहले कि, “जो चुनाव लड़ रहे हैं, ये नीतीश, लालू, आलू सब फालतू हैं.” ओने कांग्रेस का तरफ से शरद यादव पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
A girl at Patna ended her lofe on Monday. She was tormanted physically by her ex lover and his cohorts. She was a MBA student and was residing with her parents in Patrkar Nagar colony of Patna.

पूर्व प्रेमी आ ओकरा लफंगा साथियन के यौन शोषण से परेशान पटना के पत्रकार नगर के एगो एमबीए के छात्रा सोमार का दिने फाँसी लगा लिहलसि. सुसाइड नोट में जवना दोषियन के नाम दिहल गइल रहे ऊ सार्वजनिक हो गइला का बाद से सगरी आरोपी फरार हो गइल बाड़े आ पुलिस मीडिया के गैर जिम्मेदार रवैया के आलोचना करत बिया. ओह लड़की के पड़ोस में रहे वाली एगो लड़की के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा काहे कि मरे वाली लड़की अपना सुसाइड नोट में ओकर नाम लफंगन के साथियन का तरह लिखले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up